• Home
  • »
  • News
  • »
  • bhojpuri-news
  • »
  • Bhojpuri: आमिर खान के दुसरको बियाह टूटल... जानीं फिल्म इंडस्ट्री में शादी टुटला के इतिहास

Bhojpuri: आमिर खान के दुसरको बियाह टूटल... जानीं फिल्म इंडस्ट्री में शादी टुटला के इतिहास

आमिर खान के दुसरका बियाह भी 15 साल बाद टूट गइल. फिल्म इंडस्ट्री बनत बिगड़त रिश्तन खातिर बड़ा चर्चा में रहेला. इहाँ कब केकर पैच अप हो जाला आ कब ब्रेकअप बुझइबे ना करेला. पता चलेला कि फिलिम साथे करत बा लोग त डेटिंग करे लागल लोग, साथे एक कमरा में रहे भी लागल लोग आ जइसे फिलिम खतम, तू अपना रास्ते, हम अपना रास्ते.

  • Share this:
आमिर खान अउरी किरण राव के तलाक के घोषणा के चर्चा के बाजार गरम बा. आमिर खान के दुसरका बियाह भी 15 साल बाद टूट गइल. मीम पेज त एगो आंकड़ा भी वायरल कर रहल बाड़sसन. उ अपना पहिलका पत्नी रीना दत्ता से भी 15 साल बाद तलाक ले लेले रहलें. कहे के माने कि आमिर एहू मामला में पर्फेक्शनिस्ट बाड़ें. एकदम 15 साल वाला रिकार्ड बरकरार रखले बाड़ें. खैर, ई त ठिठोली के बात भइल बाकिर दुनू जाना अगिला दिन फैन से लाइव आके बातो कउवे लोग आ सभके दिलासा भी देहुवे लोग कि रउआ लोगिन के परेशान होखला के जरूरत नइखे. हमनी के ई फैसला सोच-समझ के अउरी राजी-खुशी से लेले बानी जा. हमनी के अभियो एगो परिवारे बानी जा. दुनू जाना बड़ा सामान्य होके अउरी जेंगा मुस्कुरा के बतियउवे लोग, हमरा त लगुए कि लोग हेतना ज्यादा प्रैक्टिकल हो गइल बा कि शादी जइसन रिश्ता तूर के भी सामान्य बा, मुस्कुराता...वाह !

तलाक़ एगो अरबी शब्द ह आ एकर अपना भारतीय संस्कृति में कवनो अस्तित्व नइखे रहल. हिन्दी भा संस्कृत में अइसन कवनो शब्द ही नइखे. हाँ, एकर भले लोग हिन्दी में अनुवाद ‘विवाह विच्छेद’ कइले बा. एक दृश्य याद आवत बा. बरसात फिल्म में बॉबी देओल से प्रियंका चोपड़ा सवाल पूछsतारी कि डिवोर्स के हिन्दी मतलब का होला. उ कहsतारें तलाक. प्रियंका कहsतारी कि ना तलाक उर्दू लफ़्ज़ ह अउरी तू केतनो सोच ल, तहरा तलाक के हिन्दी अर्थ ना मिली काहें कि हमनी के संस्कृति में ई होखबे ना करेला. भारतीय संस्कृति में पति पत्नी के मिलन माने कि दू गो आत्मा के मिलन, ई चराचर जगत के एगो महत्वपूर्ण घटना ह. अपना इहाँ त पंडी जी लोग सेनुर मांग में पड़ला के बाद कहेला कि अब तोहन दुनू जाना के साथ सात जनम खातिर हो गइल आ अब ई भगवान के आशीर्वाद मान के निभावs लोग. बाकिर अब समय बदल गइल बा. लोग कादो,प्रगतिवादी हो गइल बा आ प्रगतिशीलता के इहे कुल्हि माने-मतलब हो गइल बा. अइसने सोच हो गइल बा कि खर्राटा लेहला पर, मोट-झोट भइला पर, गंजा भइला पर भी तलाक हो जात बा.

फिल्म इंडस्ट्री बनत बिगड़त रिश्तन खातिर बड़ा चर्चा में रहेला. इहाँ कब केकर पैच अप हो जाला आ कब ब्रेकअप बुझइबे ना करेला. पता चलेला कि फिलिम साथे करत बा लोग त डेटिंग करे लागल लोग, साथे एक कमरा में रहे भी लागल लोग आ जइसे फिलिम खतम, तू अपना रास्ते, हम अपना रास्ते. असहीं बियाहो के साथे बा, कई गो बड़-बड़ कलाकार आ फिल्मकार बियाह कइलस, तुरलस, फेर कइलस, तुरलस आ तिसरका पर नंबर लगा देहलस.

एह में सबसे चर्चित नाम आवेला, किशोर कुमार के. कमाल के प्रतिभावान गायक-नायक अउरी मनमौजी किशोर दा चार गो बियाह कइलें. उनके पहिला बियाह बंगाली गायिका रुमा घोष से भइल, जवन 8 साल चलल. दुसरका बियाह उ मशहूर हिरोइन मधुबाला से कइलें जेकरा खातिर उनके इस्लाम अपनावे के पड़ल. बाकिर उनके घर वाला एह बात से नाराज रहलें आ मधुबाला के खतरनाक बेमारी रहे, एही से ई रिश्ता भी ना चल पावल. किशोर कुमार तब योगिता बाली से बियाह कइलें, ई रिश्ता मात्र 2 साल चलल. ओकरा बाद किशोर दा तबके खूबसूरत हिरोइन लीना चन्दावरकर से बियाह कइलें जवन 8 साल तक उनके मृत्यु तक चलल.

मुन्ना भाई के नाम से मशहूर सुपरस्टार संजय दत्त भी तीन गो बियाह कइलें. उनके पहिला बियाह ऋचा शर्मा से भइल जे अभिनेत्री रहली. रिचा के ब्रेन ट्यूमर से मौत हो गइल. उनका देही एगो बेटी भइली त्रिशला दत्त जवन अपना नानी के साथे विदेश में रहेली. ओकरा बाद संजय दत्त रिया पिल्लई से बियाह कइलें. रिया के साथे भी इनके रिश्ता ना चल पावल काहें कि उ शादी के दू साल बादे से प्रसिद्ध टेनिस खिलाड़ी लिएंडर पेस के साथे विवाहेत्तर संबंध रखे लगली. दुनू जाना के तलाक भइल. फेर संजय दत्त बियाह कइलें मान्यता से. मान्यता दत्त से संजय के दू गो संतान बाड़ें.

सैफ अली खान के भी नाम आवेला जब फिल्म इंडस्ट्री में बियाह टुटला के बात होला. सैफ के बियाह उनका से 13 साल बड़ अमृता सिंह से भइल आ उ बियाह 13 साल तक चल पावल. दू गो संतान भइलें, जवना में सारा अली खान एह बेरा इंडस्ट्री के उभरत अभिनेत्री बाड़ी. ई बियाह टुटला के बाद सैफ करीना कपूर से बियाह कइलें जवन बढ़िया से चल रहल बा आ दू गो बेटा भी बाड़sसन.

बॉलीवुड के ही-मैन धर्मेन्द्र के भी दू गो बियाह भइल बाकिर उ दुनू बियाह निभावत बाड़ें. पहिला बियाह जब उ पंजाब में रहलें तबे भइल, 19 के उमीर में परकाश कौर से. उन से दू गो बेटा सनी देओल, बॉबी देओल और दू गो बेटी विजीता और अजीता भइल लोग. उ जब बंबई फिल्मन में सुपरस्टार हो गइलें त उनके दिल हेमा मालिनी पर आ गइल आ दुनू जाना बियाह भी कइल लोग. एगो अफवाह भी उड़ल रहे कि उ दुनू बियाह बचावे खातिर इस्लाम अपना लेहलें बाकिर धर्मेन्द्र एहके झूठ करार देहलें.

टीवी के बड़ नाम अउरी फिल्म में भी सफल रहल करण सिंह ग्रोवर तीन गो बियाह कर चुकल बाड़ें. उनके पहिला बियाह टीवी अभिनेत्री श्रद्धा निगम से भइल जवन ना चल पावल. ओकरा बाद उनके जोड़ी अभिनेत्री जेनिफर विगनेट के साथे खूब हिट भइल, चार साल डेटिंग कइला के बाद उ लोग बियाह कइल बाकिर करण के विवाहेत्तर संबंध के चलते ई रिश्ता दू साल ही चल पावल. ओकरा बाद करण बिपाशा बसु से 2016 में बियाह कइलें, जवन अच्छा से चल रहल बा.

एह तरे फिल्म इंडस्ट्री में टूटत बियाहन के लिस्ट लमहर बा जे में रितिक रोशन-सुजैन खान, फरहान अख्तर-अधुना बभनी, करिश्मा कपूर-संजय कपूर आदि लोग के नाम बा. का जाने काहें फिल्मी लोगन के रिश्ता एतना जल्दी टूट जाला? शायद ओह लोग के पेशेवर महत्वाकांक्षा निजी जीवन में भी घुस जाला.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.

विज्ञापन
विज्ञापन

विज्ञापन

टॉप स्टोरीज