अपना शहर चुनें

States

Bhojpuri Spl: टॉलीवुड के कारन दिलचस्प होखे जा रहल बा बंगाल विधानसभा चुनाव

कोलकाता फिल्म इंडस्ट्री में भारतीय जनता पार्टी के उपस्थिति गहिर होत जाता. शुरुआत रूपा गांगुली से भइल जौन महाभारत में द्रौपदी के रोल कइले रहली. बंगीय चलचित्र परिषद (बीसीपी) आ इस्टर्न इंडिया मोशन पिक्चर्स एंड कल्चरल कन्फेडरेशन (ईआईएमपीसीसी) भाजपा के संगठन हउवन स.

  • News18Hindi
  • Last Updated: February 22, 2021, 5:32 PM IST
  • Share this:
एह बेरी के पश्चिम बंगाल के विधानसभा चुनाव बहुते दिलचस्प होखी. एह बेरी सत्ता खातिर लड़ाई के साथे बंगाली फिल्म जगत के दिल जीते के होड़ लागल बा. भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) भी तृणमूल कांग्रेस नियर सेलिब्रिटी राजनीतिक शुरू क देले बिया. जब वामफ्रंट सत्ता में रहे तबो बांग्ला सिनेमा के लोग राजनीति से जुड़ल रहे. फिल्मी संगठन बना के ओकरा के कौनो बरियार राजनीतिक दल से जोड़े के परंपरा पुरान बा. अब हालत अउरी रोचक हो गइल बा. कोलकाता फिल्म इंडस्ट्री में भारतीय जनता पार्टी के उपस्थिति गहिर होत जाता.

शुरुआत रूपा गांगुली से भइल जौन महाभारत में द्रौपदी के रोल कइले रहली. बंगीय चलचित्र परिषद (बीसीपी) आ इस्टर्न इंडिया मोशन पिक्चर्स एंड कल्चरल कन्फेडरेशन (ईआईएमपीसीसी) भाजपा के संगठन हउवन स. बीसीपी त अभिनेता आ भाजपा नेता विश्वजीत चटर्जी आ फिल्म निर्देशक शंकुदेव पांडा के नेतृत्व में बनल आ ईआईएमपीसीसी मशहूर फैशन डिजाइनर आ भाजपा नेता अग्निमित्रा पाल के नेतृत्व में बनल. विश्वजीत चटर्जी, शंकुदेव पांडा आ अग्निमित्रा पाल कहेला लोग कि ई दूनो संगठन तृणमूल कांग्रेस के पेंचीदा राजनीति के जबाब में बनल बाड़े सन.

सन 2019 के जुलाई में अभिनेता ऋषि कौशिक, पारू मित्रा, रूपा भट्टाचार्य, अनिंद्य बनर्जी, सौरभ चक्रवर्ती, देवरंजन, रूपंजन मित्रा, कंचन मित्रा, विश्वजीत गांगुली आ नमिता मित्रा भाजपा में शामिल भइल रहे लोग. ओने तृणमूल कांग्रेस भी कम नइखे ऊहो एइजा खातिर विख्यात अभिनेता दीपंकर डे के खड़ा करे वाली बिया. दीपंकर सत्यजित राय के आधा दर्जन फिल्मन में काम क चुकल बाड़न. तृणमूल कांग्रेस में पहिलहीं से दूगो टालीवुड के सेलीब्रिटी मिमी चक्रवर्ती आ नुसरत जहां बाड़ी सन जौन पिछला लोकसभा चुनाव में जीत चुकल बाड़ी सन. एकरा अलावा तृणमूल कांग्रेस में बांग्ला फिल्म इंडस्ट्री के दीपक अधिकारी उर्फ देव, शताब्दी रॉय और संध्या रॉय सांसद के रूप में मौजूद बा लोग जबकि ब्रात्य बसु ममता सरकार में मंत्री बाड़न. चिरंजीत, नैना बंदोपाध्याय आ देबश्री रॉय विधायक के रूप में जीत दर्ज कइले बा लोग. ई त भइल तृणमूल कांग्रेस के फिल्मी सेलीब्रिटी लोग.



अब आईं भाजपा के फिल्मी सेलीब्रिटी लोग पर. त भाजपा में बड़ सेलीब्रिटी -बाबुल सुप्रियो, रूपा गांगुली आ लॉकेट चटर्जी बड़ले बा लोग. कोलकाता के फिल्म इंडस्ट्री के टॉलीवुड कहल जाला. भाजपा के राष्ट्रीय महासचिव कैलाश विजयवर्गीय के उपस्थिति में एइजा पिछला 18 फरवरी के कई गो अभिनेता/अभिनेत्री में शामिल हो गउवे लोग. यश दासगुप्ता, सौमिली घोष विश्वास, पापिया अधिकारी, मीनाक्षी घोष, सुतपा मुखर्जी, त्रमिला भट्टाचार्य, मल्लिका बनर्जी, डायरेक्टर राज मुखर्जी, प्रोड्यूसर डायरेक्टर अतनु राय, संगीत निर्देशक शुभायु बेडोग्गो चिन्हल- जानल एक्टर ह लोग. फिलहाल विख्यात अभिनेता प्रसेनजीत मुखर्जी के भी भाजपा में शामिल होखे के चर्चा बा. हाले में श्यामा प्रसाद मुखर्जी फाउंडेशन के निदेशक अनिर्वाण गांगुली अभिनेता प्रसेनजीत से भेंट कइले बाड़े आ उनुका के अमित शाह पर लिखल एगो किताब देले बाड़े. तबसे सोशल मीडिया पर एह संदेश के बाढ़ आ गइल बा कि प्रसेनजीत भाजपा में शामिल होखे जातारे. हालांकि प्रसेनजीत आपन पत्ता अभी नइखन खोलत.
भाजपा में शामिल भइल लोग. बांग्ला फिल्म इंडस्ट्री राजनीति से अच्छा- खासा प्रभावित बिया. बंगाल में लगभग हर बड़ फिल्मकार राजनीति आधारित फिल्म बनवले बा. आ हर बड़ राजनीतिक दल बांग्ला फिल्म इंडस्ट्री में आपन पकड़ बनावे के कोशिश कइले बा. दस साल पहिले जब वाममोर्चा शासन में रहे त अधिकतर फिल्मकार आ अभिनेता लेफ्ट समर्थक रहले सन. जब ममता बनर्जी के तृणमूल कांग्रेस के शासन में टालीवुड ममता बनर्जी के नजदीक आ गइल. आज स्थिति ई बा कि टालीवुड ममता बनर्जी आ भाजपा के बीच बंटा गइल बा. त एही से एबारी के विधानसभा चुनाव बहुते दिलचस्प होखे जा रहल बा. अभी भी बांग्ला फिल्म इंडस्ट्री में भाजपा के अभियान जारी बा. आज के स्थिति ई बा कि भाजपा अब तृणमूल के जबाब सेलीब्रिटी बनाम सेलीब्रिटी के रूप में देबे जा रहल बिया. एह चुनाव में भाजपा बांग्ला फिल्म इंडस्ट्री पर आपन पकड़ मजबूत करत जा रहल बिया. भाजपा अपना ओर अउरी कतना अभिनेता/अभिनेत्रियन के खींचि ली, अभी कहल बड़ा मुश्किल बा. काहें से कि भाजपा के आखेट अभियान दिन पर दिन तेजे होखत जाता. अभी ओकर फोकस प्रसेनजीत नियर बड़ अभिनेता पर केंद्रित बा. हर हाल में ऊ प्रसेनजीत के अपना खेमा में लेआवल चाहतिया काहेंसे कि उनकर बंगाल में भारी संख्या में फैन बाड़े सन. प्रसेनजीत वोट खींचे में तगड़ा चुंबक बन सकेले.

अभी कुछुए दिन पहिले आरएसएस के प्रमुख नेता मोहन भागवत मुंबई में बंगाल के अभिनेता मिठुन चक्रवर्ती से भेंट कइले त राजनीतिक क्षेत्र में एकरा के रणनीतिक मुलाकात मानल गइल. जदि मिठुन चक्रवर्ती भाजपा में आ जातारे त ऊहो बंगाल खातिर वोट खींचे वाला तगड़ा चुंबकीय अभिनेता बाड़े. त भाजपा बड़ा सधल कदम उठा रहल बिया. तृणमूल कांग्रेस के नजर भाजपा के एह रणनीति पर लगातार बा. ममता बनर्जी जानतारी कि भाजपा फिल्म इंडस्ट्री में गहिर घुस गइल बिया. मिठुन चक्रवर्ती तृणमूल ज्वाइन कइले आ थोड़हीं दिन बाद एगो चिट फंड कंपनी से धन लिहला के आरोप में केंद्रीय जांच एजंसी उनुका पर टूटि परली सन. परेशानी में परला का बाद मिठुन चक्रवर्ती तृणमूल कांग्रेस आ राजनीति दूनो छोड़ दिहले. अब मोहन भागवत से उनकर कतना सार्थक बातचीत भइल बा, ई आवे वाला समय बताई. जदि भाजपा मिठुन चक्रवर्ती के आखेट क लेतिया त ओकरा वोट के फायदा जरूर होई. बाकिर मिठुन चक्रवर्ती अभी आपन पत्ता नइखन खोलत. ऊ चुप्पी सधले बाड़े. संभव बा पिछला राजनीतिक अनुभव उनकरा के चुप रहे के सिखा देले बा. (लेखक विनय बिहारी सिंह वरिष्ठ स्तंभकार हैं.)
अगली ख़बर

फोटो

टॉप स्टोरीज