• Home
  • »
  • News
  • »
  • bhojpuri-news
  • »
  • Bhojpuri के क्यूट हिरोइन काजल राघवानी के ह जन्मदिन, पढ़ीं उनकर रोचक कहानी

Bhojpuri के क्यूट हिरोइन काजल राघवानी के ह जन्मदिन, पढ़ीं उनकर रोचक कहानी

गुजराती सिनेमा (Gujrati Cinema) से आके भोजपुरी सिनेमा (Bhojpuri Cinema) में आपन सिक्का जमावे वाली काजल (Kajal Raghwani) अन्य अभिनेत्रियन लेखां नइखी जे दोसरा भाषा के इंडस्ट्री से अइली, कुछएक फिल्म करके वापस अपना इंडस्ट्री में लौट गइली. उ 2011 में भोजपुरी सिनेमा में पदार्पण कइली आ लगातार दस साल से इहाँ आपन जादू चढ़वले बाड़ी.

  • Share this:
भोजपुरी सिनेमा भले पुरुष प्रधान इंडस्ट्री होखे बाकिर इहाँ के हिरोइन के जलवा भी कम नइखे. पुरनका ज़माना के कुमकुम, पद्मा खन्ना, नाज़, प्रेमा नारायण, गौरी खुराना आ मीरा माधुरी आदि से लेके नयका जमाना के श्वेता तिवारी, रानी चटर्जी, रिंकू घोष, पाखी हेगड़े, आम्रपाली दुबे अक्षरा सिंह आ काजल राघवानी ले कई गो अदाकारा के अदा पर भोजपुरिया दर्शक फिदा होत रहल बा. आज नयका दौर के हिट हिरोइन काजल राघवानी के जन्मदिन ह.

काजल राघवानी अपना मनमोहक मुस्कान अउरी भोली भाली सूरत से सिनेमा प्रेमी के दीवाना बनवले बाड़ी. गुजराती सिनेमा से आके भोजपुरी सिनेमा में आपन सिक्का जमावे वाली काजल अन्य अभिनेत्रियन लेखां नइखी जे दोसरा भाषा के इंडस्ट्री से अइली, कुछएक फिल्म करके वापस अपना इंडस्ट्री में लौट गइली. उ 2011 में भोजपुरी सिनेमा में पदार्पण कइली आ लगातार दस साल से इहाँ आपन जादू चढ़वले बाड़ी. अक्सर चुलबुली लइकी भा साधारण गंवई लइकी के रोल में काजल के दर्शक खूब पसंद कइले बाड़ें. हालांकि उ शहर के मॉडर्न लइकी के किरदार में भी नजर आइल बाड़ी आ ओकरा के बढ़िया से निभवले भी बाड़ी. बाकिर उनके रूप अउरी लुक में जवन भोलापन अउरी मासूमियत बा ओकरा चलते गाँव के चंचल सुकुवार लइकी के रोल उनका पर खूब फबेला.

भोजपुरी के शीर्ष अभिनेत्री मानल जाये वाली काजल के जन्म महाराष्ट्र के पुणे में 20 जुलाई 1990 के भइल. काजल के कबो अइसन कवनो सपना ना रहे कि उ अभिनेत्री ही बनिहें. बाकिर, उनके पापा के बड़ा मन रहे कि काजल टीवी पर लउकस. उ जब भी टीवी पर कवनो फिलिम भा शो देखस त कहस कि हमार काजल कब टीवी पर लउकी. काजल अभी छोटे रहली तबे उनका के अभिनय के काम दिआवे खातिर उनके माई बड़ा कोशिश कइली. एकर नतीजा ई भइल कि 11 साल के उमिर में उनके एगो मराठी फिल्म में छोट सा रोल मिलल आ ई उनके स्क्रीन पर डैब्यू रहे. काजल बाद में कई गो टीवी शो में छोट मोट रोल कइली. उ स्टार प्लस के डांस रियलिटी शो डांस प्लस में भी हिस्सा लेहले रहली. काजल कई गो साक्षात्कार में ई कहले बाड़ी कि उ अभियो अपना मम्मी के साथे ही शूटिंग पर जाली. उ जब स्ट्रगल करत रहली तब भी मम्मी हरदम उनका साथे रहस. एक तरे उनके माई भी साथे में संघर्ष कइले बाड़ी कि उनके बेटी के सपना पूरा हो सके. दरअसल काजल के शुरुआत चाइल्ड आर्टिस्ट के रूप में हो गइल रहे, एही से उनके हमेशा मम्मी के साथ मिलल. काजल के परिवार, आस-पास के लोग अउरी रिश्तेदारन के ताना सुनला के बादो उनके हिरोइन बने खातिर सपोर्ट कइलस.

काजल जब 16 साल के भइली त उनके गुजराती फिल्मन में हीरोइन बने के ऑफर आवे लागल आ उ उहाँ लगातार फिल्म करे लगली. धीरे-धीरे उनके पहचान गुजराती हिरोइन के रूप में होखे लागल. लगभग 25 गो ले गुजराती फिल्म कइला के बाद साल 2011 में काजल के करियर के रास्ता मुड़ल. जब उ एगो गुजराती फिल्म के शूटिंग करत रहली तबे उनके एगो मित्र विपुल शाह उनके फोटोशूट खातिर मुंबई बोलवलें. जब उ मुंबई अइली त पता चलल कि उनके एगो भोजपुरी फिल्म में रोल खातिर बोलावल गइल बा. काजल के मुलाकात फिल्म के लेखक-निर्देशक अजय ओझा से भइल. उ एगो भोजपुरी फिल्म नया हीरो के लेके बनावत रहलें आ उनके एगो नया चेहरा के तलाश रहे. उ जब काजल से मिललें त उनके रूप अउरी देह-धाजा रोल खातिर परफेक्ट बुझाइल आ उनके फिल्म में हिरोइन के रोल मिल गइल. फिल्म के नाम ‘सुगना’ रहे आ साल 2011 में रिलीज भइल. ‘सुगना’ काजल राघवानी के अलावा आदित्य ओझा के भी डैब्यू फिल्म रहे. एह फिल्म में दुनू जाना कॉलेज के लव बर्ड्स के रोल में रहे लोग. आदित्य उहे जे एह बेरा कलर्स के हिट शो नमक इश्क का में लीड रोल करत बाड़ें. काजल के भोजपुरी बोले ना आवत रहे. बाकिर फिल्म के लेखक-निर्देशक उनके बड़ा मदद कइलें. हालांकि अब काजल राघवानी स्क्रीन पर ठीक ठाक भोजपुरी बोल लेली.

उनके पहिला भोजपुरी फिल्म कुछ खास कमाल ना देखवलस लेकिन काजल पर इंडस्ट्री के नजर पड़ गइल. ओकरा बाद उनके आदित्य ओझा के साथही रिहाई फिल्म मिलल. फेर उ प्रतिज्ञा 2 में नजर अइली. काजल दर्शक के दिल में जगह तब बनवली जब उनके 2015 के फिल्म ‘पटना से पाकिस्तान’ में एगो गाँव के लड़की के रोल मिलल. स्क्रीन स्पेस त कम रहे बाकिर उ कमाल देखवलस. फेर पवन सिंह के साथे उनके 2016 में फिल्म ‘भोजपुरिया राजा’ आइल जवन खूब सफल भइल. ओकर एगो गाना ‘छलकता हमरो जवनिया ए राजा’ एतना हिट भइल कि काजल के लोकप्रियता अचानक बढ़ गइल आ उनके लोग चेहरा अउरी नाम दुनू से चिन्हे लागल.

काजल के जोड़ी 2016 में ही खेसारी के साथे फिल्म जानेमन में बनल आ तब से लगातार 5 साल से चलत आ रहल बा. दुनू जाना साथे लगभग 20 गो ले फिल्म कर लिहले बा लोग. खेसारी लाल यादव के साथे उनके एतना फिलिम अइला के कारण काजल आ खेसारी के जोड़ी हिट रहल बा. दुनू जाना के ऑन-स्क्रीन केमिस्ट्री भी भोजपुरिया दर्शक के बड़ा पसंद आवेला. हालांकि आजकल दुनू जाना के जोड़ी के खटकला के चर्चा गरम बा. फिल्म ‘लिट्टी चोखा’ के बाद से दुनू जाना में अनबन भइला खबर वायरल बा. एकरा के बल तब अउरी मिलल जब काजल लिट्टी चोखा के प्रोमोशनल ईवेंट में ना लउकली. बाद में खेसारी के बयान भी आइल कि हमनी के साथी कलाकार होखला के अलावा अच्छा दोस्त भी बानी जा, जल्दिये साथे काम करब जा. हालांकि लिट्टी चोखा के रिलीज कोरोना के वजह से टालल गइल बा.

काजल एगो साक्षात्कार में कहले रहली कि सिनेमा में राजनीति से उनके भी बहुते परेशानी भइल बा. कई बार उनका के फिल्म से हटावे के भी कोशिश भइल. हालांकि काजल के नाम एह ताजा विवाद के अलावा कबो कवनो विवाद से जुड़ल नइखे. अउरी, ना ही काजल के केहू के साथे अफेयर के ही चर्चा भइल बा.

काजल राघवानी के भोजपुरी फिल्म अवार्ड्स में कवनो भरोसा नइखे. उ एगो साक्षात्कार में कहली कि भोजपुरी में अगर रउआ स्टेज पर परफ़ॉर्मेन्स देब त अवॉर्ड मिली, फिलिम केतनो बढ़िया कर ली ओकर अवॉर्ड ना मिलेला.

काजल राघवानी के उल्लेखनीय फिल्मन में भोजपुरिया राजा, मेहंदी लगा के रखना, तेरे जैसा यार कहाँ, मुकद्दर, दीवानापन,, आशिक आवारा, संघर्ष, कुली नम्बर 1 आदि बा. आज उनके जन्मदिन पर काजल के भविष्य खातिर ढेर सारा शुभकामना!

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं.)

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.

विज्ञापन
विज्ञापन

विज्ञापन

टॉप स्टोरीज