Choose Municipal Ward
    CLICK HERE FOR DETAILED RESULTS

    भोजपुरी जंक्‍शन: पहिला चरण में भोट खातिर जोश लेकिन होश ना, का होई दोसरा चरण में?

    महामारी के डर के बादो लोग में भोट देवे के जोश रहे. कोरोना गाइडलाइन के तs बहुते बखान भइल रहे लेकिन एकर कड़ाई से पालन ना भइल. केतना जगे लोग लाइन में सट के खाड़ा रहे.

    • News18Hindi
    • Last Updated: October 28, 2020, 9:16 PM IST
    • Share this:
    कामता चा के दलान पs आज बड़ा चहल पहल रहे. टीभी पs पहिला फेज के चुनाव के समाचार चलत रहे. चौकी पर भोला चा, अरजुन चा बिनेसरी चा बइठल रहन. हमनी के कौलेजिया लइका दरी पs आसन मरले रहीं जा. कामता चा के लइका मैरिन इंजीनियर हवें. जपान से बड़का टीभी लेयाके अपना बाबूजी के देले तs टोला भर के मौज हो गइल. रोपेया पइसा के कवोनो कमी ना रहे से कमता चा खरचो खूब करत रहन. भर देवाल के लमहर टीभी रहे. समाचार देखे में बड़ा निमन लागत रहे.

    कोरोना आफत के बीचे ई पहिला चुनाव रहे. महामारी के डर के बादो लोग में भोट देवे के जोश रहे. कोरोना गाइडलाइन के तs बहुते बखान भइल रहे लेकिन एकर कड़ाई से पालन ना भइल. केतना जगे लोग लाइन में सट के खाड़ा रहे. अधिका लोग तs मास्के ना पेनहले रहन. कामता चा पनपियाड़ में बेलगरामी मंगवले रहन. दुपहरिया में जल-पानी भइल तs फेर बैठकी जमल.

    भोटर में जोश
    कामता चा कहले, ई तs गजबे हो गइल. पहिले तs बूझात रहे कि लोग कोरोना के डरे भोट देवे कमे निकलिहें, लेकिन जोश तs अकाश छुअले बा. दुपहरिया होत होत तs लोग के लाइन अउर लमहर हो गइल. बक्सर में तीन बजे ले 51 परसेंट भोट पड़ गइल रहे. बांका के कटोरियी अउर बोध गया में तs 53 परसेंट लोग भोट दे देले रहन. भोटर में जोश तs लउकल लेकिन होश ना लउकल. महामारी के लेके कइअक गो नियम बनावल गइल रहे लेकिन ओकर कही पालन भइल कहीं ना भइल. केतना जगे दस्ताना बूथे भिरी फेंक दिहल गइल. केतना जगे लोग सट-सट के लाइन में खाड़ा रहन लोग.
    नियन के पालन करावे वला केहू ना रहे. जहां जइसन बेबस्था रहे वइसन भोट भइल. पहिला चरण के चुनाव से बुझाता कि लोग अबकी भोटिंग खातिर मन बनवे बाड़े. कोरोना के नियन के चाहे जवन हाल रहे लेकिन भीड़ जुटी जरूर. नसलाइट एरिया में भी निमने से भोट पर गइल. चैनपुर, कुटम्बा, नबीनगर अउर रफीगंज में तs तीन बचे ले भोट खतमो हो गइल. बड़हरा, गोह, टेकारी में मारमपिटी भइल. कामता चा बोलते रहन की भोला चा टोकले, आज तs नरेनदर मोदी अउर राहुलो गांधी के नू पोरगराम बा, दूसरा चरण में का होई?



    का कहले मोदी, का कहले राहुल?
    भोला चा के सवाल पs अरजुन चा कहले, नरेनदर मोदी तs आज बेजोड़ भासन दिहले. मोदी जी के भासन से बूझाता कि उ नीतीश जी के बात आजुओ भूलाइल नइखन. देखल नू कि दरभंगा में मोदी जी का कहले, मिथिला में जनमे लेवे वली माता सीता आज अजोधया में राममंदिर बनत देख के केतना खुश होइहें. भाजपा जवन कहेला उ करेला. केतना लोग हमरा से मंदिर बनावे के तारीख पूछतs रहे, अब मंदिर बनत देख के उहो लोग मन मार के ताली बजा रहल बाड़े. भोला चा कहले, तs एकरा में मोदी जी के नीतीश जी से का दिक्कत बा? अरजुन चा कहले, नीतीश जी नू उ नेता हवें जे 2015 में भाजपा के बतफरोस साबित करे खातिर मंदिर बनावे के तारीख पूछठलें रहन.

    2015 में नीतीश जी लालू जी साथे रहन. 2015 के विधानसभा चुनाव में नीतीश जी कहले रहन, भाजपा अउर आरएसएस के लोग के कहनाम बा कि रामलला हम आएंगे, मंदिर वहीं बनाएंगे लेकिन तारीख नहीं बताएंगे. लागता कि मोदी जी आज नीतीश जी के इहे सवाल के जबाब देले बाड़े. अइसे दोसरो नेता कहत रहन कि भाजपा के मंदिर से ना भोट से मतलब बा. उ भोट खातिर मंदिर के झंझट हरमेसा जिंदा राखी. जहां तक ले राहुल गांधी के सवाल बा तs उहो कवनो कम नइखन. उ नरेनदर मोदी पs अगियाबैताल भइल बाड़े. बलमिकी नगर के रैली में राहुल गांधी कहले, मोदी जी 2014 में कहले रहन कि जतना चीनी मिल बंद बा ओकरा के खोलवा देब.

    अगिला बेर आइब तs एहिजे के मिल में बनल चीनी से चाह पियब. राहुल गांधी जनता से पूछले, का मोदी जी रउआ सभे के साथ एहिजा के चीनी से बनल चाह पियले?  ना नू, अइसही मोदी जी लोग के भरमावत रहेले.

    दूसरा चरण में का होई?
    कामता चा कहले, पहिला चरण के चुनाव के तs हाल समझ में आ गइल, दूसरा चरण में का होई? अबकी तs 71 सीट पs चुनाव रहे, 3 तारीख के तs 94 सीट पs चुनाव बा. बिनेसरी चा ढेर देरी से टीभिये में अंटकल रहन. ई सुन के उ कहले, दूसरा चरण में सबसे बेसी राजद के पहलवान अखाड़ा में बाड़न. राजद के 54 गो तs भाजपा के 46 कंडिडेट ताल ठोक रहल बाड़े. जदयू 43 सीट पs खाड़ा बा. कांग्रेसो के 24 जोधा लड़ाई में उतरल बाड़न. एहि से राहुल गांधी खूब जोर लगाइले बाड़े. दूसरा चरण में सबसे खास बात ई बा कि लोजपा के 53 कंडिडेट मैदान में उतरल बाड़न.

    भोजपुरी जंक्‍शन: मौलाना लोग बोलत नइखे, पत्ता आपन खोलत नइखे

    जदयू के टोटल 43 सीट पs लोजपा आपन जोधा उतरवे बा. ऐह से जदयू के मोसकिल बढ़ गइल बा. अरजुन भाई ठीके कहतs बाड़े कि मोदी जी अउर नीतीश जी में भीतरे-भीतरे कुछुओ चल रहल बा. जेपी नड्डा, प्रकाश जावड़ेकर जइसन नेता चिराग के खिलाफ आग उगिल रहल बाड़े लेकिन मोदी जी चिराग के खिलाफ एक्को लफज ना कहले. आखिर का बात बा? का चिराग भाजपा के भितरिया मदद कर रहल बाड़े? चुनाव बाद कवनो नया डरामा होई का? मोदी जी आतमनिरभर भारत के बात कर रहल बाड़े तs नीतीश कुमार सात निसचय पाट दू के गुन गा रहल बाड़े. चिराग के कतनो कमजोर मानल जाव लेकिन अगर ऊ जदयू के चारो-पांच हजार भोट काट लिहले तs नीतीश जी के खेला गड़बड़ा सकेला.

    राजद के पलरा केने झुकी, एही बात से भाजपा के भाग तय होई. दोसरा चरण के 94 में से 31 सीट राजद के जीतल सीट हs. एकरा में से भाजपा केतना सीट मिली, ई देखे वला बात होई. तेजसवी अउर राहुल गांधी जोर लगाइले बाड़े लेकिन सामाजिक समीकरण पहिले से एनडीए देने झुकल बा. दोसरा चरण के चुनाव के बाद बुझाई कि चुनावी बेयार के मति-गति का बा?
    अगली ख़बर

    फोटो

    टॉप स्टोरीज