भोजपुरी में पढ़ें: बिग बास में आम्रपाली दुबे के हालि निरहुआ आ खेसारी जइसन ना होखे के चाहीं

बिग बास जइसन रियल्टी सो में पहुंचाला के बाद भोजपुरी स्टार लोग गाबाड़ा जाता.
बिग बास जइसन रियल्टी सो में पहुंचाला के बाद भोजपुरी स्टार लोग गाबाड़ा जाता.

भोजपुरी से हर छेत्र में बड़ बड़ लोग निकल हा. कलाकारन के भी कमी नइखे, लेकिन बिग बॉस जइसन शो में काहें भोजपुरी कलाकारन के परफार्मेस बहुत अच्छा नइखे होत. अगर आम्रपाली दुबे एमे जात हई त उनके एकर खयाल राखे के होई... 

  • News18Hindi
  • Last Updated: September 15, 2020, 8:51 AM IST
  • Share this:
जे बा कि सामाचार आइल बा कि आम्रपाली दुबे के बिग बास 14 के नेवता मिलल बा. बिग बास 14 बानावेवालन के तरफ से भोजपुरी एक्टर आम्रपाली दुबे से बातचीत के कोसिस हो रहल बा. स्पॉटबॉय वेबसाइट बातावले बिया कि आम्रपाली दुबे भोजपुरी फिलिमी दुनिया के जानल मानल एक्टर हई आ एहि से बिग बास वालन के नजर आम्रपाली दुबे के चाहे वालन पर बा.

अभी ले ना त आम्रपाली दुबे नेवता मिलला के बारे में बतवले बाड़ी आ नाहिंये बिग बास वाले कुछ कहले बाड़े स. अभी त ईहो नइखे पाता चलल कि आम्रपाली दुबे बिग बास रिअल्टी सो में जाये खारित हं कहले बाड़ी कि ना. बाकिर जावना हिसाब से आम्रपाली आपाना के सलमान खान के फैन बातावेली, लागत त ईहे बा कि नेवता मिलते दउरल पहुंचि जइहें. बातावल जाला कि आम्रपाली दुबे कहेली कि ऊ सलमान खान के एतना बड़ फैन हई कि उनुका से बिआह तक करे के तेयार रहली.

वइसे ई कवनों पहिल बार नइखे कि भोजपुरी फिलिमी दुनिया से केहू के बिग बास के घरे बोलावल जाता. ए से पहिले कइगो बाड़का बाड़का लोग बिग बास के घरे हो आइल बा, लेकिन अभी ले केहू ऊंहा देर तकटीकि नइखे पावल.



भोजपुरी स्पेशल- गायक बन गइले नायक, भोजपुरी सिनेमा अपना समाजे से कटि गइल
कहे के त स्वेता तिवारी बिग बास के विनर तक भईल बाड़ी आ रस्मि देसाइओ ढेर दिन तक बिग बास के घर में रहल बाड़ी, बाकिर अइसन तब भइल बा जब ई दूनो लोग हिंदी के दुनिया में अपना गोड़ जामा ले ले बा. ए दूनों में से केहु के भोजपुरी के पहचान के चलते ऊंहा सोहरत नइखे मिलल. कवनो जामाना में स्वेता तिवारी आ रस्मी देसाई भोजपुरी फिलिम में खूबे काम आ नाम कइले रहली लोग, बाकिर जब बिग बास पहुंचली त ओ लोग पर से खांटी भोजपुरी कालाकार के ठाप्पा मिचकरि गइल रहे.

स्वेता तिवारी के साथे बिग बास सीजन 4 के घर में ग्रेट खली आ भोजपुरी गायक आ एक्टर मनोज तिवारी भी गइल रहले. बाकिर जब चारचा होखे त मनोज तिवारी के बारे में कम आ डाली बिंद्रा के संगे उनुकर झागड़ा के ढेर होखे. मनोज तिवारी बिग बास 4 के घर में पहलिके दिन घुसले आ 62 दिन तक जमल रहले. बिग बास सीजन चारि जीतली स्वेता तिवारी आ खली रनर अप कहइले. ऊ पहिल मोका रहे जब सलमान खान बिग बास के होस्ट बनले आ तबे से आजु ले ऊहे होस्ट करत आवतारे.

अभी ले 'बस जिनिगी झंड बा, फिर भी घमंड बा' वाले रवि किसने एगो बाड़े जे बिग बास में 'सेकंड रनर अप' तक पहुंचि पावेवाला काहाले. रवि किसन बिग बास के पहलिके सीजन में ओकरा घरे गइल रहले. ए घरि त रवि किसन गोरखपुर से एमपी हो गइल बाड़े. मनोजो तिवारी अब दोसारका बेरि दिली से एमपी के चुनाव जीतले बाड़े.

बिग बास 2 में भोजपुरी स्टार संभावना सेठ खूबे ऊधम मचवले रहली. हारल जीतल आपाना जगहि होला, बाकिर संभावना सेठ के हांगामा से एतना पारचार मिलल कि बिग बास के घर से बाहारा अइला के बाद खूबे नाम भइल आ खूबे कामो मिले लागल. समझल जाला कि बिग बास के घर संभावना सेठ के जिनिगी बहुते नीमन बाना देलेसि.

भोजपुरी में पढ़िए – अस्लील दुअर्थी के साथ उन्मादी गीत-कविता से भी निबटे के पड़ी

संभवने सेठ लेखा निरहुओ के बिग बास के घरे गइला के फाएदा मिल रहे. निरहुआ जेकर नाव दिनेस लाल यादव हवे बिग बास के सीजन 6 में ऊंहा गइल रहले. बिग बास के चलते निरहुआ के भी खूबे पहचान मिलल आ ढेर लोग जाने लागल. बिग बास के घर में राहला के समे लो के उनकर सादगी खूबे नीमन लागल रहे.

ए रियल्टी सो से बाकि कालाकारन के जवन मिलल ऊ त मिलबे कइल, मोनालिसा खातिर सबसे आछा बात ई भइल कि ऊ बिग बास के घरे जाके आपन घर बासा ले ली. मोनालिसा बिग बास के सीजन 10 में घर के भीतर गइल रहली आ उहवें आपाना बॉयफ्रेंड से सादी कई ले ली.

अभी बिग बास के 13वां सीजन में भोजपुरी एक्टर खेसारी लाल यादव के बोलावल गइल रहे, लेकिन जलदिये उनुका के बेघर कई दीहल गइल. खेसारी लाल यादव के यूपी, बिहार आ झारखंड के चाहे वालन के तरफ से त खूबे सपोट मिलत रहे, लेकिन घर के भीतरवालन के ऊ ना पसन अइले. सलमानो खान कई बार खेसारी लाल यादव के कहले कि ऊ सो से ठीक से लउकत नइखन. मानल जात रहे कि खेसारी लाल यादव अपने में कुछु खोअल खोअल रहत रहले. तले घर के भीतरिये रहेवाले सब उनुका के बहरियावे खातिर ओट दे देले.

आम्रपाली के कुछु दिन टीवी में काम कइला के बाद भोजपुरी फिलिम में मोका मिलल आ फेरू ऊ कई गो भोजपुरी एल्बमो में काम कइले बाड़ी. आम्रपाली दुबे आ निरहुआ के हिट जोड़ी बहुते फिलिम में काम आ नाम कइले बा.

आम्रपाली दुबे के ए घरी निरहुआ के साथे एगो गाना खूबे हिट होखता - 'करेला मन की पट जाई'. भोजपुरी फिल्म 'आसिक आवारा' के ए गाना के बोल प्यारे लाल यादव लिखले बाड़े आ निरहुआ आ कल्पना मिलि के गवले बा लोग.

भोजपुरी में पढ़ें: जब लोकसभा में गूंजलs फिलिमी गीत—कवन गीत लालू जी गवले अउर कवन गीत रवि किशन

आम्रपाली दुबे के एगो डांसो बीडिओ भी खूबे वाइरल भइल बा. ए बीडिओ में आम्रपाली दुबे एगो गांव में बाड़ी आ निरहुआ के दुलहिन बनल बाड़ी. एहि बीचे पवन सिंह के गाना 'लालीपाप लागेलू...' बाजता आ कान में आवाज पड़ते आम्रपाली दूबे कूदि कूदि के लापालप नाचे लाग तारी.

बिग बास सीजन 14 के बारे में पाता चलल बा कि अबकी 13 गो बड़ लोग त रहबे करिहें, आम लोगन के भी डिजिटल आडिसन से एंट्री दीहल जाई. सुनाता कि अबकि बारी अनू मलिक आ राधे मां से भी बिग बास वालन के बातचीत चलि रहल बा.

बाड़ा ताजुब के बात बा कि भोजपुरी इलाका के लोग देस के प्रधानमंत्री तक बनि जाता. प्रधानमंत्री चंद्रसेखर बलिये के रहले आ अबहिओं मनोज तिवारी आ रवि किसन संसद में बड़ले बा लोग. निरहुआ आजमगढ़ से अखिलेस यादव से हारि गइले ना त ऊहो नेता हो गइल रहिते - बाकिर का बात बा कि बिग बास जइसन रियल्टी सो में पहुंचाला के बाद भोजपुरी स्टार लोग गाबाड़ा जाता.

अब ई त नाहिये कहल जा सकेला कि भोजपुरी बेल्ट के लोग वोट देबे में कोताही करत होई बाकिर बिग बास में गइला के बाद भोजपुरी कालाकार लोग के भी सोचे के चाहीं कि आपाना ओरि से कवनो कसर बाकी ना राखे लोग – ए बात के ध्यान जरूर रहे के चाहीं कि बिग बास में आम्रपाली दुबे के हालि निरहुआ आ खेसारी जइसन ना होखे के चाहीं.
अगली ख़बर

फोटो

टॉप स्टोरीज