Bhojpuri Spl: आज ह ‘ठीक है..’ सिंगर खेसारी लाल यादव के B'Day, पढ़ीं उनकर फर्श से अर्श तक पहुंचे के कहानी

आज खेसारी लाल यादव के जन्मदिन (Khesari Lal Yadav Birthday) हs. खेसारी (Khesari Lal Yadav) के बचपन भी बहुते कठिनाई में गुजरल. पढ़े के दौर में उनका हाथ में भैंस के पगहा आ गइल. उनके पिताजी दिल्ली के ओखला के संजय कॉलोनी फेज 2 में एगो झुग्गी में रहस आ चना बेंचस. खेसारी जब बड़ भइलें त उहो करीब 2 साल तक अपना पिता के साथ ऊहें दिल्ली रहके लिट्टी-चोखा बेचलें आ ओही पइसा से गाना के कैसेट निकललें.

  • Share this:
मेहनत के साथे जब किस्मत के जोग होला त इंसान सफलता के शिखर पर पहुँच जाला बाकिर रउआ मेहनत करत रहीं लेकिन किस्मत के छौंका ना लागे त जीवन में कुछ विशेष हासिल ना होई. कहे के माने बा कि किस्मतवो ओकरे पंजरी बइठी जे लागल रही, चलत रही, कोशिश करत रही. आज इ बात के सच साबित करे वाला एगो कलाकार के जनम दिन ह, उनके नाम ह खेसारी लाल यादव (Khesari Lal Yadav)...ठीक है?

ठीक है...एही से कहनी हं कि खेसारी के सबसे मशहूर गीत के बोले बा ‘ठीक है’ (Thik Hai). इ गाना खेसारी के रातो रात देश दुनिया में दूसरा भाषा के लोगन में भी मशहूर कर देलस. जइसे लॉलीपॉप लागेलू (Lollypop Lagelu) से पवन सिंह (Pawan Singh) दुनिया में हिट भइलें ओसहीं इ गाना खेसारी खातिर वरदान साबित भइल. आज खेसारी लाल भोजपुरिया सिनेमा संसार से आगे निकल के हिन्दी पट्टी में भी जानल-सुनल-पहचानल जाए लागल बाड़ें, बाकिर इ अचानके ना भइल. एकरा पीछे उनके बीसियों साल के संघर्ष बा. उनका के लोग देसीपन आ ठेंठ भोजपुरी खातिर पसंद करेला.

15 मार्च 1986 के दिन जनमल खेसारी के शुरूआती जीवन बड़ा मुश्किल में रहल बा. उनके जनमें बड़ा गजन में भइल. उनके घर कच्चा रहे आ बारिश के वजह से ढह गइल रहे. एही से उनकर माई उनके पड़ोसी के पक्का मकान में जन्म देहली. खेसारी तीन भाई में सबसे छोट हउवें. उनका संयुक्त परिवार में चाचा-चाची अउरिओ लोग के चार गो लइका आ इनके माई-बाप, भाई लोग बा. खेसारी के बचपन भी बहुते कठिनाई में गुजरल. पढ़े के दौर में उनका हाथ में भैंस के पगहा आ गइल. उनके पिताजी दिल्ली के ओखला के संजय कॉलोनी फेज 2 में एगो झुग्गी में रहस आ चना बेंचस. खेसारी जब बड़ भइलें त उहो करीब 2 साल तक अपना पिता के साथ ऊहें दिल्ली रहके लिट्टी-चोखा बेचलें आ ओही पइसा से गाना के कैसेट निकललें.

खेसारी शुरूये से गावे बजावे में ध्यान लगावे लगलें. उनके गाँव रसूलपुर में ही महाभारत अउरी रामायण के कथा गाके सुनावे वाला उनके गुरु कमलाकांत मिश्र व्यास खेसारी के झाल बजावे के काम सौंप देहलें. खेसारी झाल बजावे के साथ कोरस गावत रहलें. फेर धीरे-धीरे आगे गावे लगलें. एहीजा से उनका गायकी के शुरुआत भइल. खेसारी के असली नाम शत्रुघ्न कुमार यादव हऽ. उनके खेसारी नाम पड़ला के पीछे वजह उनके खूब बोलल अउरी उनके हाजिरजवाबी बा आ खेसारी अइसन अनाज होला कि ओकर एको दाना खेत में गिर गइल त ऊ पूरा खेत में पसर जाला. खेसारी लाल यादव के साथ भी उहे भइल. ऊ अइलें भोजपुरी में आ अइसन फइललें कि पूरा भोजपुरी इंडस्ट्री में पसर गइलें.

खेसारी के एल्बम लगातार हिट होखे लागल आ ऊ बिहार में काफी लोकप्रिय हो गइलें. उनके स्टेज शो मिले लागल. साल 2012 में आलोक कुमार एगो फिल्म बनावत रहलें. ऊ खेसारीलाल के साइन कर लेहलें. उनके अपोजिट स्मृति सिन्हा रहली. फिल्म ‘साजन चले ससुराल’ खेसारी के प्रसिद्धि के खूब भुनवलस. फिल्म कई महिना तक सिनेमाघर में लागल रहल अउरी खेसारी अपना पहिलके फिल्म से स्थापित हो गइलें. ओकरा बाद उन कर लगातार 7 गो फिल्म सफल भइल. खास क के उनके फिल्म ‘जान तेरे नाम’ अउरी ‘नागिन’ उनके बतौर स्टार भोजपुरी में पहचान दिवअलस.

खेसारी के ‘लौंडा नाच’ दर्शकन के बीच काफी लोकप्रिय बा. उनके एल्बम आ फिल्म में औरत बनके उनकर कइल नृत्य खूब देखल जाला. खेसारी पारंपरिक गायकी त नइखन सिखले लेकिन उनकर खाँटीपन दर्शकन के खूब लुभावेला. ऊ अपना फिल्म में आपन देसी संवाद अदायगी आ भाव-भंगिमा खातिर जानल जालें. उनके प्रशंसक उनके गोविंदा के भोजपुरी अवतार मानेलें. संजोग से, उनकर पहिला फिल्म के नाम भी गोविंदा के सुपरहिट फिल्म ‘साजन चले ससुराल’ ही रहे. खेसारी, जे कबो सीडी कैसेट के किंग रहलें, ऊ सिनेमा दर्शकन के भी दिल के राजा हो गइलें. फिल्म के अच्छा बिजनेस उनके भोजपुरी सिनेमा में स्थापित कर देलस आ ओकरा बाद उनका सामने फिल्मन के लाइन लाग गइल. आवे वाला बरिसन में उ हिट पर हिट फिल्म देहलन आ ई सिलसिला अभियो चलिए रहल बा.

खेसारी के जोड़ी काजल राघवानी के साथे काफी हिट बा आ ई जोड़ी कई गो सफल फिल्म देले बा. खेसारी लगातार फिल्म कर रहल बाडें. एकाध साल से उनके तनी हटके फिल्म आ रहल बा. जइसे 2018 में ‘संघर्ष’, ‘डमरू’ आ 2019 में ‘भाग खेसारी भाग’ जवन खेल पर आधारित बा. खेसारी 2019 में कलर्स के सुपरहिट शो बिग बॉस में भी शामिल भइलें आ अपना सीधापन से दर्शकन के पसंदीदा बन गइलें.

खेसारी के भोजपुरिया डिजिटल स्टार भी कहल जाला. जब उनके कवनो गाना डिजिटल प्लेटफार्म पर रिलीज होला त देखते देखते उ व्यूज में मिलियन्स में पहुँच जाला. खेसारी के नाता विवाद से भी जुड़ल रहल बा. उनके हमेशा अश्लील गाना गावे आ फिल्मावे खातिर विरोध झेले के पड़ेला.

खेसारी के फिल्मोग्राफी के बात कइल जाव त उनके उल्लेखनीय फिल्म में कुछ नाम बा जइसे साजन चले ससुराल 1 और 2, नागिन, दूध का कर्ज, जानेमन, धड़कन, खिलाड़ी, मेहंदी लगा के रखना 1 और 3, हीरो नंबर 1, शोला और शबनम, जिला चंपारण, दबंग सरकार, भाग खेसारी भाग, कूली नंबर 1 आदि. खेसारी एह साल भी अपना फैंस खातिर कई गो फिल्म लेकर आवे वाला बाड़न बाकिर, उनके गाना त हमेशा रिलीज होते रहेला. बाप जी, बबुआ बवाली, बलमुआ कइसे तेजब, हेराफेरी, जानम 2 उनके हाल में रिलीज होखे वाला फिल्म बाड़ी सन.

खेसारी लाल यादव के जन्मदिन पर उनके शुभकामना!

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी सिनेमा के जानकार हैं.)

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.