Bhojpuri गीत-संगीत के डीप-सैनिटाइजेशन के जरुरत बा, पढ़ीं आखिर काहें...

भोजपुरी में अब कमाल गाना के जगह बवाल गाना के बोलबाला बा, एही से समय-समय पर एह गीतन के लेके बवाल भी उठत रहल बा आ सवाल भी. अब एह बवाल गीतन के लोग चाव सुनsता, व्यूज बढ़ावता त अइसन गीतन के प्रोडक्शन त बढ़बे करी. पिछला एकाध साल से त ई भइल बा कि अइसन गीतन के वीडियो बड़ा चकमक-चकमक करsता, सुन्नर अउरी फिट हिरोइन के खोज-खोज के उतारल जाता.

  • Share this:
कंटेन्ट दू तरह के होला, क्लास कंटेन्ट अउरी मास कंटेन्ट. भोजपुरी गीत-संगीत के कंटेन्ट के बात कइल जाव त ओकर इतिहास बड़ा समृद्ध बा. भोजपुरी के लोकगीत त पूछीं मत, जीवन के हर पड़ाव खातिर गीतन के एगो जौनर बा, गीतमाला बा. भोजपुरी फिल्म संगीत भी बड़ा सुंदर अउरी सदाबहार रहल बा. रफी साहब, लता मंगेशकर, मन्ना डे, किशोर कुमार अपना चरम लोकप्रियता के टाइम पर भोजपुरी में गीत गवले बाड़न, मजरूह सुल्तानपुरी, शैलेन्द्र आ अंजान जइसन गीतकार गीत लिखले बाड़न जवना के परिणाम ई भइल बा कि उ सब गीत क्लास आ मास दुनों में पॉपुलर हो गइल बा. साँच पूछीं त ओह बेरा क्लास अउरी मास के कवनो अंतर ना रहे. ई अंतर त आधुनिक भोजपुरी सिनेमा के टाइम से आइल बा, जब भोजपुरी एल्बम के बथता आ करकता स्टार लोग सिनेमा में सिफ्ट भइल.

भोजपुरी में अब कमाल गाना के जगह बवाल गाना के बोलबाला बा, एही से समय-समय पर एह गीतन के लेके बवाल भी उठत रहल बा आ सवाल भी. अब एह बवाल गीतन के लोग चाव सुनsता, व्यूज बढ़ावता त अइसन गीतन के प्रोडक्शन त बढ़बे करी. पिछला एकाध साल से त ई भइल बा कि अइसन गीतन के वीडियो बड़ा चकमक-चकमक करsता, सुन्नर अउरी फिट हिरोइन के खोज-खोज के उतारल जाता. सेट रिच भइल बा. प्रोडक्शन कास्ट बढ़ल बा बाकिर गीतकार आ गायक उहे बाड़े माने गानवा उहे कुल्ह बा. रउरा कह सकेनी कि सियरा बा उहे, पोंछिया रंगवले बा.

आईं, अब कुछ बवाल गाना पर बात कइल जाय. पहिला गाना ए घरी जवन ट्रेंड में बा ऊ बा खेसारी लाल के बंगलिनिया. ई गाना में ढेर दिन बाद पाखी हेगड़े स्क्रीन पर लउकल बाड़ी. पाखी के निरहुआ के साथे बड़ा हिट जोड़ी रहे लेकिन अब आम्रपाली दुबे के साथे बा. ई गाना खेसारी के साथे अंतरा सिंह प्रियंका गवले बाड़ी. गाना में पाखी हेगड़े के नृत्य आ भाव देख के बुझा जाता कि अनुभवी अभिनेत्री के स्क्रीन पर अलगे असर होला. गाना के बोल में कुछ खास नइखे. बिहार में बोलल जाये वाला एगो पुरान लोकोक्ति बा कि ‘बंगालिन के करिया जादू आवेला आ जे भी बंगाल में जाला, ओकनी के मति मार लेली सन. ओही के आधार लेके लिखल गइल बा. बाकिर गाना के अंतरा आ फिल्मांकन भौंडा बा.

एगो गाना जवन अपना हुक म्यूजिक के चलते बड़ा हिट हो रहल बा, उ बा नदिया के बीचे जइसे नइया डोले, ओइसे मोर सइयां डोले हे… इ गाना शिल्पी राज गवले बाड़ी. उनके कुछ गाना हिट भइल बा. उनका में गायकी के कवनो विशेष प्रतिभा त नइखे बुझात बाकिर उनके लगे हस्की वॉयस बा. अइसन आवाज में एगो भारीपन होला, खरखराहट होला, जवन एकरा के अलग बनवेला. रउआ राजस्थानी फोक गायकन में ई खूब मिली. अइसने आवाज गायिका अंतरा सिंह प्रियंका के भी बा. गाना में अश्लील शब्दन के प्रयोग त नइखे भइल बाकिर ठीक ठाक मुखड़ा वाला गाना के अंतरा दुनू एके बात कहत बा. बात कवनो खास नइखे त ओकरा के कहलो हम उचित नइखी बूझत. अगर एह गाना पर अउरी काम होइत त शायद ई बोल के मामला में भी अच्छा बन जाइत बाकिर जाये द ए चनेसर...गीत लिखल दाल-भात के कवर त ह ना कि चट से सननीं आ सट से घोंट लेहनी. एह गाना के लगभग 55 करोड़ व्यूज मिलल बा.

नीलकमल सिंह के एगो गाना पिछला कई महिना से सुनल जा रहल बा. गाना बा, ‘जहिया से गइल बाड़s गोदी में खेला के, लइका तहरे के पापा कहsता…’. ई गाना यूट्यूब पर लगभिग 18 करोड़ बार सुनल जा चुकल बा. गाना के बोल त इहे कहत बा कि आशिक जबसे अपना पूर्व प्रेमिका के लइका के खेला के गइल बा तबसे उ ओकरे के पापा कह रहल बा, अपना असली बाप के चाचा कह रहल बा. चनेसर, ई त मुहावरा बदल गइल बा. पहिले लोग कही कि तोहार पूर्व प्रेमिका के बेटा जरूर तोहरा के मामा कही. आजकल त मामा से सीधे प्रमोशन पापा पर हो गइल.

हई लीं, अगिला गाना में त पति अपना मेहरारू से पूछिए देहले बा कि तू कवनो गलती त नइखू नू कइले. एतना ना लइका दोसरा के पापा कहि देहले बा आ एतना ना ‘पियवा से पहिले हमार रहलू’ बाज चुकल बा कि पति के शक होइए गइल. लगभग 28 करोड़ से अधिका बार सुनल जा चुकल गाना ‘कुँवारे में गंगा नहइले बानी’ में जब पति अपना पत्नी के शादी से पहिले के गलतियन के बारे में पूछsता त उ सफाई देत बिया कि गलती त हमरा से भइल बा बाकिर गंगा जी नहा लेहले बानी, माने हमार सब पाप धोआ गइल समझीं. ई गाना शिल्पी राज अउरी अंकुश राजा गवले बा लोग.

अश्लील गावे-बजावे वाला टीम दिन-रात एही ढंग के कंटेंट सोचता. उ अपना टीम के साथे बइठ के अइसने अश्लील आ फालतू गीतन के कंपटीशन करता. फलाना जादो जी वाला गइलन ह, हम बबुआन वाला गायेम. फलाना लहंगा में लटपट गइलन ह त हम लहंगा में खटपट गायेम. टीम में आपस में गॉसिप भी अइसने होता. एह दूसरा के नीचे दिखावे वाला गॉसिप. एह दूसरा के इज्जत उतारे वाला गॉसिप. पीठ पीछे त एतना गंदा बतकही आ रियाज होता कि पूछीं मत. गायक नीलकमल अभिनेत्री अक्षरा सिंह के लेके एतना ना घटिया आ आपतिजनक गीत गवले बाड़े जवन आज भोजपुरी सिनेमा के शर्मसार करत बा. नीलकमल अपना टीम के साथे बइठ के जवन घटिया गॉसिप कइले बाड़न, जवन शर्मनाक गाना गवले बाड़न ओकर ऑडियो लीक हो गइल बा आ तबे से बवाल मचल बा. अक्षरा उनकर मुँहतोड़ जबाब देले बाड़ी. बाकिर सवाल ई बा कि घटिया सोच के ई सिलसिला कब रुकी ?

भोजपुरी में अइसन शर्मसार करे वाला बवाल गाना के लिस्ट त लमहर बा आ रोज कुछु ना कुछु बवाल मचावते बा लोग भोजपुरिया गीत-संगीत के कर्णधार लोग. बाकिर ई बवाल अइसन बा कि एकरा पर सवाल उठत रहल बा आ उठत रहे के चाहीं. लोगन के हो हल्ला मचावल ही ह आ चहूओर आलोचना ही ह कि भोजपुरी में धीरे-धीरे वीडियो गुणवत्ता बढ़ावे आ अश्लील शब्दन से बाज आवे के आदत धराये लागल बा. बाकिर अभी डीप-सैनिटाइजेशन के गरज बा तबे अश्लीलता अउरी अभद्रता के कोरोना भागी आ फेर उहे समय आई जब भोजपुरी के गीत-संगीत में मास अउरी क्लास के कवनो भेद ना रही. सगरी गाना क्लास बनी आ सगरी गाना मास सुनी. ( लेखक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं. )