भोजपुरी में पढ़ें: एसपी बाला सुब्रमण्यम मने प्यार के अपार विस्तार देबे वाला आवाज

सुब्रमण्यमजी जइसन कलाकार लोग कबो दुनिया से विदा ना होला.
सुब्रमण्यमजी जइसन कलाकार लोग कबो दुनिया से विदा ना होला.

बाला सुब्रमण्यम जी के पहला पहला प्यार है ... गीत खातिर लोग खूब याद करि, लेकिन जे उनकर गाना - हम बने तुम बने एक दूजे के लिए .. सच मेरे यार है, बस वही प्यार है - जेकरा याद बा उ कभी ना भुला सकेला. आवाज के रूप में सुब्रमण्यम जी हमेशा जिंदा रहिहें. आ उ येहू बात के प्रतीक बाने कि कलाकार खातिर छेत्र के सीमा ना होला.

  • News18Hindi
  • Last Updated: September 25, 2020, 5:20 PM IST
  • Share this:
एसपी बाला सुब्रमण्यमजी ना रहनीं. कोरोना के चपेट में उहां के आइल रहनी. आंध्रप्रदेश के नेल्लौर के रहेवाला रहनी उहां के. देश के आजाद होखे के एक साल पहिले 1946 में जनम भइल रहे उहां के. 20 साल के उमिर में पहिलका बेर प्लेबैक सिंगिंग कइनी. एगो तेलुगू सिनेमा खातिर. ओकरा बाद उहां के पलट के पीछे ना देखनी. करीब 50 साल गायकी के दुनिया में सक्रिय रहनी आ एह दौरान उहां के करीब 40 हजार गीतन के आपन स्वर देनी. तमिल,तेलुगू,कन्नड़,मलयालम, हिंदी समेत देस के 16 भासा में. आपन कैरियर के आरंभ में ही इहां के आंध्रप्रदेस आ दक्षिण भारत के परिधि पार क के,अपना आवाज के भारत के आवाज बना दिहनी. दक्षिण भारत में त उहां के पहचान आ कलात्मक नायकत्व तीन पीढ़ी से शीर्ष पर रहबे कइल रहे बाकि उत्तर भारत, हिंदी भासी इलाका में भी उहां के अपना गीतन आ आवाज से ओही तरह से दिल आ मानस प राज कईनी. हिंदी इलाका में सुब्रमण्यमजी के मोहब्बत के आवाज कहल गइल. इश्क, मोहब्बत के एगो आकार देके ओकरा के विस्तार करेवाला भरोसेमंद आवाज.

जब सुब्रमण्यमजी के ना रहे के खबर फैलल त उत्तर भारत के संगीतप्रेमी भा युवा लोग के एही टिप्पणी से उहां के श्रद्धांजलि देबे के सिलसिला चल रहल बा कि सलमान खान के आवाज ना रहनी. सलमान खान से उहां के आवाज के पहचान के जोड़ल जा रहल बा. ई बहुत स्वाभाविक भी बा. सलमान खान उत्तर भारत में जनप्रिय सिनेमा सितारा हवे आ सुपर स्टार कलाकार. सलमान खान के दुई गो सुपरहिट आ कालजयी सिनेमा मैंने प्यार किया आ हम आपके हैं कौन में सुब्रमण्यमजी सलमान खान खातिर ही आवाज दे के, दुनो सिनेमा के गीतन के अमर बनवलीं. आ एही कड़ी में साजन सिनेमा के भी एगो गीत— बहुत प्यार करते हैं तुमको सनम. हम आपके हैं कौन में उहां के स्वर में जवन गीत रातो रात युवा दिल के धड़कन वाला गीत बनल रहे, उ गीत रहे— पहला—पहला प्यार है, पहली—पहली बार है... ओकरा से पहिले मैंने प्यार किया सिनेमा में जवन गीत ओह समय हर किशोर प्रेमी के बेकरारी के स्वर देबेवाला गीत हो गइल रहे, उ गीत रहे— आजा साम होने आई...

एह तीनों गीतन के ही इयाद करीं, अपना समय में एह गीतन के लोकप्रियता के इयाद करीं त अहसास होखी कि दक्षिण भारत के एगो एकदम टिपिकल आवाज काहे, कवना वजह से उत्तर भारत आ हिंदी भासी इलाका के प्रेम के इजहार करेवाला आवाज बन गइल रहे. प्रेम में वियोग,इंतजार,उत्साह,उम्मीद,आनंद,शिकायत सभका के अलगा तरीका से उभारेवाला आवाज. एह तीनो गीतन के ही बात करीं, फेरू से सुनीं त लागी कि एक पूरा दृश्य खाली आवाज के भरोसे चल रहल बा. बिना सिनेमा देखले, आवाज दृश्य के दुनिया बना दी मन में.



बाकि एह तीन गीतन के ही लोकप्रिय दुनिया नइखे हिंदी गायन में उहां के. हिंदी गीतन के दुनिया से सुब्रमण्यमजी के इयाद कइल जाई त खाली सलमान खान खातिर भा उनकर गीतन के खातिर ही इयाद ना कईल जाई. जे भी सिनेमा संगीत के सुनवइया भा सौकिन लोग बा, उ लोग एक दूजे के लिए सिनेमा कइसे भूल सकत बा, जे आपन गीतन के कारण ही अपना समय में धूम मचवले रहे. तेरे मेरे बीच में, कैसा है ये बंधन अंजाना...हम बने,तुम बने, एक दूजे के लिए...एही तरह सागर सिनेमा के गीत— सच मेरे यार है, बस वो ही प्यार है... अइसन अनेकन हिंदी गीत रहलअ सन, जेकरा के स्वर दे के सुब्रमण्यमजी ओह गीतन के पिछिलका तीन पीढ़ी से समकालीन जेनरेशन के रोमांचित करत रहनी.
उहां के आज दुनिया से विदा भइनी. हालांकि कलाकार के बारे में कबो ना कहल जाला कि उहां के दुनिया से विदा भइनी. सुब्रमण्यमजी जइसन कलाकार लोग कबो दुनिया से विदा ना होला. खाली तन छुटेला, आवाज हमेसा ही लोगन के मन में अइसन कलाकार के रचा—बसा के जिंदा—जीवंत राखेला. उहां के ना रहला प आज जब पूरा देस में सोक के लहर बा आ उत्तर भारत के लोग भी आपन पहचान से जोड़ के सोक मना रहल बा त एक बेर रुक के, ठहर के सोचे के भी समय बा. आज बात—बात प छेत्रवाद,राष्ट्रवाद के बहस होला. छेत्रवाद बनाम राष्ट्रवाद के बात होला. सुब्रमण्यमजी के ना रहला प जवना तरीका से पूरा देस सोक में बा, उहां के इयाद क रहल बा, उ संकेत आ संदेस बा कि असल में छेत्र,छेत्रवाद,छेत्रीयता कवनो अलग चीज ना होला. छेत्र मिल के ही देस बनावेला. छेत्र के नायक भी देस के नायक होला. छेत्र के पहचान भी देस के पहचान होला.
अगली ख़बर

फोटो

टॉप स्टोरीज