अपना शहर चुनें

States

भोजपुरी में पढ़ें - सुशील मोदी के खुलासा से राजद में खलबली

सुशील मोदी कई हाली लालू प्रसाद यादव पर जोरदार हमला क चुकल बाने आ लालू प्रसाद के परेशानी भइल बा.
सुशील मोदी कई हाली लालू प्रसाद यादव पर जोरदार हमला क चुकल बाने आ लालू प्रसाद के परेशानी भइल बा.

सुशील मोदी के कहनाम बा कि लालू जादव जेल (अस्पताल) से फोन कइके एनडीए बिधायक लोगन के तूरल चाहत बाड़े. उ एनडीए बिधायक लोगन के मंतरी बनावे के लोभ दे के राजद के पाला में आवे खातिर फोन करत रहन.

  • News18Hindi
  • Last Updated: November 26, 2020, 6:59 PM IST
  • Share this:
खरिहान में धान के बोझा रखात रहे. बैजू चा अउर गनौरी चा खटउर लगा के बइठल रहन. तले सुदामा बबा अखबार लेले उहां पहुंचले. बैजू चा कहले, गोड़ लागीं बबा, आईं बईठीं. अखबार दिहीं, तनी हमनियो के देस दुनिया के हाल समाचार जान लिहीं जा. कुछ पाना बैजू चा के हाथ में तs कुछ पाना गनौरी चा के हाथ में. थोड़का देर के बाद गनौरी चा कहले, सुशील मोदी के अगर खुफिया खबर के खजाना कहल जाव तs कवनो बेंजाय नइखे. ना जाने कहां से लालू जादव के जेल के मोबाइल नम्बर खोज लिहले. जइसे कवनो जासूस फोन पs केहू के भेद पा जाला वइसहीं सुशील मोदी कमाल कर देले. लालू जादव के फोन प पs बतियावे के भंडाफोड़ से उ खलबली मचा देले बाड़े. सुशील मोदी के ई दावा पs अखबार में खबरो छपल बा. उनका तफ्तीश के आंगा तs बड़-बड़ खुफिया अफसर फेल बाड़े. बैजू चा कहले, पूरा बात बताव कि ममिला का बा ? एकरा में खुफिया बात कहां से आ गइल ?

भोजपुरी विशेष - देव दिवाली 2020 : जब काशी में देवता लोग मनावयलन दिवाली

सुशील मोदी के खुफिया खबर
सुदामा बाबा कहले, सुशील मोदी के कहनाम बा कि लालू जादव जेल (अस्पताल) से फोन कइके एनडीए बिधायक लोगन के तूरल चाहत बाड़े. उ एनडीए बिधायक लोगन के मंतरी बनावे के लोभ दे के राजद के पाला में आवे खातिर फोन करत रहन. जवन नम्बर से बिधायक लोगन के फोन आवत रहे ओकर जांच में सुशील मोदी अपनहीं भिड़ गइले. सच्चाई जानल जरूरी रहे कि आखिर ई फोन के करत के बा. सुशील मोदी के मोतिबाक, ओह नम्बर पर जब उ फोन कइले तs सीधे लालूये जी से बात हो गइल. एकरा बाद, सुशील मोदी कहले, लालूजी अइसन गलत काम मत करीं. जेल में बंद होके विधायक लोगन के तूरे के कोशिश गैरकानूनी बा. सबसे बड़ सवाल ई बा कि सजाय काट रहल लालू जी के जेल में मोबाइल कइसे मिल गइल. खैर, लालू जी के अतना तितिम्मा कइला के कवनो फैदा ना मिलल. बिजय सिन्हा जी स्पीकर के चुनाव जीत गइनी. लेकिन अब लालू जी मोसकिल बढ़ सकेला. ई बात के जांच हो सकेला कि लालू जी के मोबाइल कहां से मिलल.
फोन से ममिला अझुरा गइल


सुदामा बबा के बात सुन के गनौरी चा कहले, हां, ई बात तs बा कि सुशील मोदी भिरी एक से एक खुफिया जानकारी रहेला. ना जाने कहां से उनका ई सभ बात के खबर हो जाला. लालू जी को फोन पs बतियावे के बिबाद होते रहे कि अब उनकर ओडियो के भी चरचा हो रहल बा. एगो ओडियो भाइरल भइल बा जवना में लालू जी के विधायक ललन पासवान से बतियावे के दावा कइल गइल बा. अब ई सांच बा कि झूठ, भगवान जानस. दावा के मोताबिक, ओडियो में लालू जी, बिधायक ललन पासवान से कह रहल बाड़े कि तूं स्पीकर के चुनाव में गैरहाजिर हो जइहs अउर कह दिही कि कोरोना हो गइल बा. अब ई दावा से ममिला अझुरा गइल बा. ललन पासवान के कहनाम बा कि जब लालू जी के फोन आइल रहन तs ओह घरी उ सुशील मोदी के घरे रहन. ललन जीत से आसीरबाद लेवे खातिर सुशील मोदी के घरे गइल रहन.

2017 में सुशील मोदी के खुलासा पs खुलासा
बैजू चा कहले, सुशील मोदी के खुलासा से तs लालू जी के कानूनी पेंच बढ़ जाई. उ कोट में जमानत खातिर अरजी देले बाड़े. उनका खुलासा से राजद के हरमेसा से परसानी भइल बा. 2017 में सुशील मोदी लालू परिवार पs बेनामी समपति के आरोप लगा के ताबड़तोड़ 44 प्रेस कौनफरेस कइले रहन. उ एकइक कागज दे के बतावले रहन कि लालू परिवार के कहां-कहां जमीन अउर फलैट बा. सुशील मोदी के आरोप रहे कि ई सब जमीन अउर फलैट लालू परिवार गलत तरीका से हासिल कइले रहे. ओह घरी उनका प्रेस कौनफरेस के लोग राजनीतिक सगूफा कहत रहे. लेकिन चार महीना में सरकार बदल गइल. ओकरे नतीजा रहे कि जुलाई 2017 में नीतीश कुमार, तेजस्वी जादव पs सफाई देवे के दबाव बनवले रहन. आखिर में बात अतना बढ़ल कि नीतीश कुमार राजद के छोड़ के भाजपा साथे सरकार बना लेले. सुशील मोदी भिरी लालू परिवार के समपति के कागज कहां से आइल, ई आज ले ना बुझाइल. कइसे उनका एह बात के जानकारी भइल, इहो केहू ना जाने. लेकिन ई सुशीलो मोदी के कमाल रहे कि 2017 में भाजपा विपक्ष से सत्ता में आ गइल.

राजद के छबि के का होई ?
सुदामा बबा कहले, भाजपा में सुशील मोदी से चाहे जवन सलूक कइल जाव लेकिन उ आजो अपना पाटी के तारहनहार बाड़े. अगर लालू जादव के केहू जबाब दे सकेला तs सुशीलो मोदी दे सकेले. कागज के अतना बरियार नेता अभी बिहार में केहू नइखे. जवन बात कहे ले ओकर सबूतो देले. जब स्पीकर के चुनाव में राजद के कंडिडेट खाड़ा होखे से भाजपा में बेचैनी रहे तs सुशीले मोदी एक बेर फेन मोरचा सम्हरले. लालू जादव के फोन वला भंडाफोड़ से राजद के अउर नोकसान हो सकेला. फोन अउर औडियो वला बात तs जांच के बिषय बा लेकिन एह से राजद के छबि खराब हो रहल बा. जनता में ई बात के संदेश जा रहल बा कि राजद लगा-बझा के नीतीश सरकार के गिरावे के फेर में बा. लेकिन आज तs साबित हो गइल कि नीतीश सरकार के बहुत में कवनो शंका नइखे. बैजू चा कुछ कहल चाहत रहन कि रामखेलावन आ गइले. रामखेलवान कहले, आज के बोझा ढोआ गइल चचा, एक बेर गिन लिहीं. बैजू चा कहले, गिना- गिनी ना होई, घरे जा, रसोई सेरात होई. खाये के बेरा हो गइल रहे. बैठकी खतम हो गइल.
अगली ख़बर

फोटो

टॉप स्टोरीज