Home /News /bhojpuri-news /

भोजपुरी में पढ़ें - रेणुजी के पहिला महिला डिप्टी सीएम बने से बिहार के औरत समाज निहाल

भोजपुरी में पढ़ें - रेणुजी के पहिला महिला डिप्टी सीएम बने से बिहार के औरत समाज निहाल

रेणु देवी पहली महिला डिप्टी सीएम हो गई हैं.

रेणु देवी पहली महिला डिप्टी सीएम हो गई हैं.

बिहार में पहिला बेर कवनो महिला उपमुखमंतरी कुर्सी पs बइठल बाड़ी. रेणु देवी जी के उपमुखमंतरी बनला से महिला वर्ग के अब अउरी फैदा मिली.

गांव में ‘सखी संगठन’ के आज मीटिंग रहे. सिलाई-कढ़ाई अउर पापड़-अदौरी के बैपार से जवन फैदा भइल ओकर आज बोनस बंटाये के रहे. पंचाइत भवन में दरी-जाजिम लागल रहे. सखी के मुखिया सुनैना देवी अउर खजांची उरमिला देवी रजिस्टर लेके के बइठल रही. सभ कोई के पइसा बंटा गइल तs सखी के मनेजर नेहा कुमारी कहली, आज रउआ सभे के मेहनत से सखी के बैपार बहुत बढ़ गइल बा. एकरा से गांव-जवार के औरत लोगन के रोजी-रोजगार के मौका मिलल बा. अमदनी बढ़े से घर में खुशहाली आइल. अब अउर मेहनत से काम करे के बा. काहे से कि बिहार में अब औरत के सुराज आवे वला बा. कमला चाची पढ़ल लिखल तs ना रही लेकिन अदौरी बनावे में उनकर कौनो जोड़ा ना रहे. कमला चाची कहली, अब नाया सुराज कइसे आई ? नेहा कहली, आज औरत समाज खातिर बहुत बाड़ा दिन बा.

भोजपुरी में ये भी पढ़ें : विनय बिहारी के जीत के साथ भोजपुरी फिल्मी कलाकारन के रहल धमाल
पहिला महिला उपमुखमंतरी
सुनैना देवी कहली, नेहा तनी बिस्तार से बतावs कि रेणु देवी के हईं, कइसे इहां तक पहुंचनी, तब नू सभ कोई में आगा बढ़े खातिर ललक जागी. नेहा गांव में पहिला एमए पास लइकी रही. कलकाता के कौलेज के पढ़ल रही लेकिन नौकरी ना कइली. अपना बूढ़ माई-बाप सेवा सुसुरसा करे खातिर गांवही रह गइली. धुराझार अंगरेजी बोलेली एह से जिला भर के अफसर लोग उनकर अदब करेला. सखी संगठन के आगा बढ़ावे में नेहा के बहुत सहजोग रहे. एह से संवसे गांव उनकर इज्जत करत रहे. नेहा कहली, रेणु देवी बेतिया से भाजपा के पांचवा बेर बिधायक चुनाइल बाड़ी. नीतीश जी के सरकार में रेणु जी के उपमुखमंतरी बनावल गइल बा. रेणु जी के आज एह कुर्सी पs देख के ई कहल जा सकेला कि आगा बढ़े खातिर जात-पात, अमिरी-गरीब कवनो रोड़ा नइखे. मेहनत अउर ईमानदारी से काम कइल जाव तs एक दिन जरूरे कमयाबी मिली.

कइसे आगा बढ़ली रेणु देवी?
उरमिला देवी कहली, जब हमनी के सखी संगठन चलावे में अतना दिक्कत भइल तs रेणु जी के केतना परेशानी भइल होई ? उ कइसे आगा बढ़ली ? नेहा कहली, रेणु जी के उमिर 62 साल बा. ऊहां के इंटर तक ले पढ़ाई कइले बानी. रेणु जी के माई आरएसएस के सदस्य रही. एह से लइकांई से रेणु जी के भाजपा देने झुकाव रहे. ऊहां के भाजपा दुर्गाविहिनी में शामिल हो गइनी. कुछ दिन के बाद ऊहां के दुर्गावाहिनी में जिला संजोजक बना दिहल गइल. 1989 में रेणु जी के भाजपा महिला मोर्चा के जिला अध्यक्ष बनावल गइल. राम मंदिर आंदोलनो में उहां के शामिल रहीं. गरीबी में गुजर-बसर करे वली औरत लोग के हक में आवाज बुलंद कइनी. स्वयं सहायता समूह बना के औरत लोगन के अपना पैर पs खाड़ा होखे में मदद कइनी. नोनिया, बिंद, मलाह, तुरहा समाज में औरत लोग के गरीबी से हाल बेहाल रहे. एह लोग के अधिकार दिलावे खातिर रेणु जी बहुत संघर्ष कइली. धीरे-धीरे भाजपा में उनक ओहदा बढ़त गइल.

रेणु जी के अइसे मिलल कुरसी
नेहा के बात सभ कोई मगन होके के सुनत रहे. कहानी आगा बढ़ल. 1993 में रेणु जी के भाजपा प्रदेश महिला मोर्चा के अध्यक्ष चुनल गइल. दू साल बादे उनका चुनाव लड़े के मौका मिलल. 1995 में भाजपा रेणु जी के नौतन से कंडिडेट बनवलस. लेकिन दबंग सत्तन जादव के आगा रेणु जी चुनाव हार गइली. एकरा बाद 2000 के चुनाव में भाजपा उहां के बेतिया से चुनाव लड़वलस. रेणु जी पहिला बेर बिधायक बन गइनी. ओकरा बाद उहां के बेतिया से चार बेर बिधायक चुनल गइनी. लेकिन 2015 के चुनाव में कांगरेस के मदन मोहन तिवारी , रेणु जी के तीन हजार भोट से हरा देहले. 2020 के चुनाव आइल तs भाजपा फेन रेणुजी पs भरोसा जतावलस. रेणु जी पांचवां बेर बेतिया से चुनाव जीत गइनी. 2015 के हार से रेणुजी तनिको हिम्मत ना हरनी. आज उहे हिम्मत के बलिहारी बा कि उहां के उपमुखमंत्री के पद पs पहुंचल बानी.

जवन होई निमने होई
कमला चाची बहुत गौर से नेहा के बात सुनत रही. उ तनिक चिंता में कहली, नीतीशो जी तs औरत समाज के बहुत कइले. उनके चलते आज केतना औरत मुखिया, सरपंच बाड़ी. नीतीशे जी के परताप से आज केतना गांव के लइकी सिपाही के नौकरी से घर के बरक्कत करत बाड़ी. सबसे बड़ बात ई कि आज नाशाबंदी से केतना घर बरबाद होखे से बांच रहल बा. अब तs बाड़ा दोबिधा होई कि नीतीश जी के देखीं जा कि रेणु जी के देखीं जा ? नेहा हंस के कहली, कवनो चिंता के बात नइखे काकी, नीतीश जी अउर रेणु जी एक्के साथे बा लोग. अब तs अउर खुशी के बात कि औरत के मरम समझे वाला दू गो नेता हो गइले. रेणु जी तs नीतीश जी के भाई कहले बाड़ी. आगा जवन होई निमने होई.

Tags: Articles in Bhojpuri language, Bihar assembly election 2020, Bihar Government, CM Nitish Kumar

विज्ञापन

राशिभविष्य

मेष

वृषभ

मिथुन

कर्क

सिंह

कन्या

तुला

वृश्चिक

धनु

मकर

कुंभ

मीन

प्रश्न पूछ सकते हैं या अपनी कुंडली बनवा सकते हैं ।
और भी पढ़ें
विज्ञापन

टॉप स्टोरीज

अधिक पढ़ें

अगली ख़बर