Bihar Election Result Live भोजपुरी : भोट के रुझान - का बिहार में अब भाजपा नम्बर वन ?

सवाल रहल हा, बिहार में का बा ? जवाब में सवाल उठावत ता लोग कि, का अब बीजेपी नंबर वन बा.
सवाल रहल हा, बिहार में का बा ? जवाब में सवाल उठावत ता लोग कि, का अब बीजेपी नंबर वन बा.

जद के प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह के बेटा सुधाकर सिंह के रामगढ़ में हार गइले. राजद के नामी नेता अब्दुल बारी सिद्दीकी के भाजपा के मुरारी मोहन झा हरा देले.चुनाव में अगर सबसे अधिका फैदा केहू के मिलल बा तs ऊ भाजपा अउर लाल झंडा वला पाटी के.

  • News18Hindi
  • Last Updated: November 10, 2020, 5:30 PM IST
  • Share this:
नौरी चा के दलान पs समाचार देखे खातिर भीड़ लागल रहे. टीभी पs बिहार चुनाव के रुझान देखावल जातs रहे. दुपहरिया होतs- होतs बुझाए लागल कि अब एनडीए आगा निकल जाई तs टुनटन भइया कहले, ई त ई कमाल हो गइल. दू दिन से लोग टीभी पs तs इहे रटत रहे कि तेजस्वी अब भारत के सबसे के कम उमिर के मुखमंतरी बनिहें. लेकिन इहां तs मोदी जी बाजी मार लिहले. पहिले कहल जात रहे कि जब ले बिहार में नीतीश अउर लालू रहिहें तब ले भाजपा के उठान ना होई. लेकिन अबकी चुनाव में तs मोदी जी के असर सबसे बेसी बुझाता. एतना कंटा के लड़ाई में अगर भाजपा के सत्तर एकहत्तर सीट मिल जाई तs बहुत बड़का बात मानल जाई. एतना सुन के उपनेदर भइया कहले, तs का अब बिहार में मोदी नाम केवलम के माला जपाई ? बतकूच्चन शुरू भइला पs गनौरी चा कहले, देखs ई चुनाव में अगर सबसे अधिका फैदा केहू के मिलल बा तs ऊ भाजपा अउर लाल झंडा वला पाटी के.

भोजपुरी में ये भी पढ़ें : Bihar Election 2020 के रंग- बिधायक जी भोटो चाहीं, फिलिम में रौलो चाहीं!

अब बिहार में भाजपा नम्बर एक ?
उदय भइया, उपेनदर भइया के बात के हुंकारी भर के कहले, ई चुनावी रुझान से ईहे मतलब निकल रहल बा कि अब बिहार में भाजपा सबसे बड़ पाटी बन के आगा आई. 2010 में भाजपा नम्बर दू पs रहे तs 2015 में नम्बर तीन पs. पहिला बेर भाजपा के नम्बर के पौवदान पs आवे के उमेद जागल बा. बिहार के राजनीति खातिर ई बड़का एलान बा. भाजपा के ई पोजिशन में देख के तs ईहे कहल जाई कि बिहार में अब जात-पात के बनल बनावल खांचा टूट रहल बा. भाजपा के सहजोग से भीआइपी के भी पांच सीट के फैदा मिले के रझान बा. गनौरी चा फेर बीच में दखल देले, अबहीं एतना सोचे के जरूरत नइखे, जब भोट के गिनती हो जाई तब्बे कुछुओ कहल जा सकेला. कब ममिला पलट जाई केहू नइखे जानत. एही घरी बहुत कम भोट से आगा-पीछा चल रहल बा.
राजद के बड़का नेता सिद्दीकी हरले


टुनटुन भइया कहले, भाजपा के सबसे बड़ जीत केवटी में मिलल. इहवां से राजद के नामी नेता अब्दुल बारी सिद्दीकी खाड़ा रहन. उनका के भाजपा के मुरारी मोहन झा हरा देले. राजद के एतना बड़ नेता के हारे के उमेद ना रहे. लेकिन मोदी के लहर में उनका हारे के परल. सिद्दीकी जी 2010 में विरोधी दल के नेता रहन. उनका सीट बदलला के कवनो फैदा ना मिलल. लालू जादव के सबसे बिसवासी नेता भोला जादव हायाघाट में चुनाव हार गइले. उनको सीट बदला के फैदा ना मिलल. भोला जादव के चित्त कइले भाजपा के रामचनदर साह. जाले में कांगेरस के मंसूर अहमद हार गइले. उ जिन्ना पs बेयान दे के बिबाद में आइल रहन. उनका के भाजपा के जीवेश कुमार हरवले. अबकी औरत समाज के एकतरफा भोट से एनडीए के लाज बांच गइल. ना तs महागठबंधन के लड़ाई बहुत बरियार रहे. सीमांचल इलाका में भी एहिसे एनडीए के आच्छा भोट मिलल.

लाल झंडा के सितारा चमकल
उपनेदर भइया कहले, राजद से तालमेल कइला से लाल झंडा के बेसी फैदा भइल. भाकपा माले के 13 सीट पs बढ़त मिलल देखावल गइल. सीपीआइ के तीन तs सीपीएम के चार सीट पs बढ़त रहे. दोसरा देने राजद एउर कांगरेस के गठबंधन के ओतना फैदा ना मिलल जतना कि उमेद रहे. राजद के 80 तs कांगरेस के 27 के घटला के उमेद बा. राजद के सीमांचल में ओतना कामयाबी ना मिलल जतना कि सोचल जात रहे. मानल जाता कि औवैसी के पाटी से राजद के बहुत घाटा हो रहल बा. राजद के प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह के बेटा सुधाकर सिंह के रामगढ़ में हार गइले. उनका के बसपा के अंबिका सिंह जादव हरा देले. एह तरे बसपा के बिहार में फेन खाता खुल गइल. अंबिका सिंह जादव पहिले राजद में रहन. गनौरी चा कहले, देख चार बज गइल लेकिन अबहुओं टोटल सीट किलियर नइखे भइल. अंत में का होई, केहू ना कह सके.
अगली ख़बर

फोटो

टॉप स्टोरीज