अपना शहर चुनें

States

Bhojpuri Spl: मुड़ी पर ढोलक ढोवे वाला बन गइलें भोजपुरी के सुपरस्टार, B'day पर जानीं निरहुआ के बारे में

.
.

भोजपुरी के सबसे हिट कमर्शियल हीरो (Superstar of Bhojpuri Cinema) के रूप में आपन पहचान बानवे वाला निरहुआ के जन्म टरवाँ, गाज़ीपुर, उत्तरप्रदेश में भइल आ पढ़ाई लिखाई कलकत्ता में. उनके पापा उहाँ प्राइवेट नौकरी करत रहलें.

  • News18Hindi
  • Last Updated: February 2, 2021, 1:37 PM IST
  • Share this:
जे आज सफलता के चमकदार शिखर पर बा, ऊ असफलता के कई गो अन्हार रात भी देखले होई. लोग हमेशा उगल सुरुज के सलाम करेला, बाकिर ओकर खातिर चार पहर के जवन घनघोर अन्हरिया गुजारे के पड़ेला ओकरा पर केहू के ध्यान ना जाला. दिनेश लाल यादव जिनके लोग निरहुआ के नाम से जानेला उनके एह सफलता के पीछे संघर्ष के एगो सियाह दौर भी रहल बा.

भोजपुरी के सबसे हिट कमर्शियल हीरो के रूप में आपन पहचान बानवे वाला निरहुआ के जन्म टरवाँ, गाज़ीपुर, उत्तरप्रदेश में भइल आ पढ़ाई लिखाई कलकत्ता में. उनके पापा उहाँ प्राइवेट नौकरी करत रहलें. निरहुआ कॉमर्स में स्नातक कइलें. बाकिर गांवे अइलें त अपना चचेरा भाई लोग जइसन बिरहा गायिकी में किस्मत आजमावे लगले. निरहुआ के धीरे-धीरे शोज मिले लागल. बाकिर तब पइसा ओतना ना मिले. अइसनो कई बार भइल कि आयोजक उनका के पइसे ना देहलें आ उनका आपन हरमोनियम अउरी ढोलक मुड़ी पर रखके पैदले घरे आवे के पड़ल. उनका पिता के 2001 में देहांत हो गइल. फेर घर के सारा जिम्मेदारी निरहुये के कपारे आ गइल. उ एल्बम में गावल शुरू कइलें. उनकर पहिला एल्बम 'बुढ़वा में दम बा' (2002) काफी पसंद कइल गइल.

ठंडा बस्ता में गइल एल्बम से बनलें स्टार



उनकर तीसरा एल्बम 'निरहुआ सटल रहे' 2003 में लांच भइल. निरहुआ एह एल्बम के लेके जब टी-सीरीज गइलें त उनकर एलबम रख लिहल गइल लेकिन ई ना बतावल गइल कि रिलीज कब होई. निरहुआ घरे आके खेती-बाड़ी में लाग गइलें आ ऊ एल्बम के बारे में भुला गइलें भा कहीं तs ओकरा रिलीज होखे के आशा छोड़ देहलें. फेर जब शादी के सीजन शुरू भइल तs निरहुआ एगो शो खातिर बिहार में गइलें. उहाँ रास्ता में ऊ जाम में फँस गइलें, देखलें हज़ारों लोग कवनो मेला का ओर जाता. निरहुआ के लागल कि जाम में फंस गइनी, अब त इहो शो हाथ से गइल. जइसे-तइसे निरहुआ अउरी उनके टीम के गाड़ी आयोजन स्थल पर पहुंचलन तs लोग लागल उनके रास्ता देबे. निरहुआ के कुछु बुझइबे ना करे. जब ऊ स्टेज पर गइलें तs देखsतारें कि ई हज़ार लोग के भीड़ उनही के सुने आइल बा. उनकर हाथ पांव कांपे लागल, आजतक ऊ ढेर से ढेर 150 आदमी के सामने गवलें रहलें. जब ऊ बिरहा गावल शुरू कइलें त लोग हल्ला करे लागल. लोग निरहुआ सटल रहे गावे के डिमांड करे लागल. उनके बुझा गइल कि एह गाना के ही खुमारी ह कि एतना लोग भीड़ कइले बा. पूरा रात लोग निरहुआ निरहुआ करत रहल आ पूरा रात उहे गावत रहलें. ओकरा बादे दिनेशलाल यादव से उ निरहुआ बन गइलें.
निरहुआ रिक्शावाला ऑल टाइम ब्लॉकबस्टर फिल्म ह

उनका 2005 में फिल्म मिलल ‘चलत मुसाफिर मोह लियो रे’, जे में ऊ सुनील छैला बिहारी के साथे सेकंड लीड में रहलें. एह फिल्म के बाद ऊ ‘हो गइल बा प्यार ओढनिया वाली से’ कइलें. ई फिल्म काफी सफल भइल. ओकरा बाद उनके फिल्म निरहुआ रिक्शावाला लीड में आइल आ दिनेशलाल यादव भोजपुरी में स्थापित हो गइलें. ई फिल्म बॉक्स ऑफिस पर ब्लॉकबस्टर साबित भइल. ओकरा बाद त निरहुआ कबो पीछे मुड़ के ना देखलें. एक से बढ़ के एक सिनेमा कइलें आ अब भोजपुरी सिनेमा में उनके 15 साल होखे वाला बा. मनोज तिवारी आ खेसारीलाल के तरह निरहुआ के भी गैर भोजपुरी भाषी लोग बिग बॉस से जानल. ऊ 2016 में बिग बॉस में शिरकत कइले.

पहिले पाखी हेगड़े फेर आम्रपाली दुबे के साथे उनकर जोड़ी जमल बा

निरहुआ के साथ पहिले पाखी हेगड़े आ बाद में आम्रपाली दूबे के जोड़ी कई गो सुपरहीट फिल्म देलस. उनकर उल्लेखनीय फ़िल्म बा- निरहुआ रिक्शावाला, कहाँ जइबs राजा नजरिया लड़ाई के, सात सहेलियां, शिवा, दिवाना, परिवार, बिदेसिया, गंगा देवी, राजा बाबू, रणभूमि, निरहुआ हिन्दुस्तानी-1 अउरी 2, पटना से पाकिस्तान, मोकामा 0 किमी, काशी अमरनाथ, बॉर्डर, शेर-ए-हिंदुस्तान, निरहुआ चलल लंदन आदि.

दिनेशलाल यादव निरहुआ के राजनीति में पदार्पण

2019 के लोकसभा चुनाव में निरहुआ भाजपा के तरफ से आजमगढ़ सीट से चुनाव लड़लें. ऊ उत्तर प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के जबरदस्त टक्कर देहलें. निरहुआ के चुनाव में हार भइल. एह सीट पर मुस्लिम अउर यादव वोटरन के संख्या जादा बा अउर ई वोट जेकरा ओर रुख कइ देला उहे जीतेला. 2019 के चुनाव में भी इहे भइल. हालांकि निरहुआ अखिलेश के कांटा के टक्कर दिहले जेकरा में उनके स्टारडम भी बहुते काम देलस लेकिन अल्पसंख्यक वोट के ध्रुवीकरण निरहुआ के शिकस्त दे गइल. इहाँ से अखिलेश 6,21,578 वोट से जीतलें अउर भाजपा से निरहुआ 3,61,704 वोट पा के दोसरा नम्बर पर रहलें. निरहुआ हारला के बादो आपन ग्राउंड बनावे में लागल बाड़ें आ राजनीतिक सक्रियता उनकर बनल रहेला. इहो हो सकेला कि जइसे मनोज तिवारी अउर रविकिशन पहिला बार हार के दूसरा बार जीतलें, ओइसही इहो अगिला 2024 के चुनाव जीत जास.

फिलहाल निरहुआ लगातार फिल्मन के शूटिंग में व्यस्त बाड़ें. हालांकि उनके सोशल मीडिया पर समय समय पर राजनीतिक गतिविधि वाला पोस्ट आवत रहेला बाकिर असल जिंदगी में ऊ फिल्मन के अधिक समय देलें आखिर गनवे आ फिलिमिया ह कि ऊ निरहुआ बनलें. निरहुआ के एह साले रिलीज होखे वाला फिल्मन में खास तौर पर गबरू, निरहुआ नौटंकी वाला, निरहुआ द लीडर, पटना जंक्शन, बलम सिपहिया आदि बा.
जन्मदिन पर उनका के खाँची भर शुभकामना.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी सिनेमा के वरिष्ठ स्तंभकार हैं.)
अगली ख़बर

फोटो

टॉप स्टोरीज