Bhojpuri: खेसारी के लिट्टी-चोखा आ निरहुआ के गबरू समेत दर्जनों फिल्म के रिलीजिंग डेट खटाई में

कोरोना के कारण बंबई फिल्म व्यवसाय के मुख्य शहर ह आ उहाँ शूटिंग के काम ठप्प होखे के नौबत आ गइल बा, बाकिर भोजपुरी फिल्मन के ट्रेलर पर ट्रेलर रिलीज हो रहल बा. अब ई पता नइखे कि ई सब पिक्चर सिनेमाहॉल के मुंह कब देख पाई बाकिर डिजिटल प्लेटफ़ॉर्म आ गइला से निर्माता आ स्टार लोग के ई सुकून बा कि फिल्म के यूट्यूब भा कवनो ओटीटी पर रिलीज कर दिहल जाई.

  • News18Hindi
  • Last Updated: April 12, 2021, 2:33 PM IST
  • Share this:
खेसारी चोखा बनल बाड़े त काजल लिट्टी. फिल्म बनल बा लिट्टी-चोखा. लिट्टी के मजा चोखा के साथहीं बा. बाकिर लिट्टी-चोखा में खटपट हो गइल बा. लगभग 20 गो फिलिम साथे कइला के बाद खेसारी-काजल के हिट जोड़ी एक-दूसरा से कटे लागल बा. एने कोरोना के दुसरका लहर के बाद फेर आदमी आदमी से कटे लागल बा. देश के कम से कम 18 गो राज्य एकरा से प्रभावित हो गइल बा अउरी महाराष्ट्र में त आंशिक लॉकडाउन भी लागल चालू हो गइल बा. बंबई फिल्म व्यवसाय के मुख्य शहर ह आ उहाँ शूटिंग के काम ठप्प होखे के नौबत आ गइल बा, बाकिर भोजपुरी फिल्मन के ट्रेलर पर ट्रेलर रिलीज हो रहल बा. अब ई पता नइखे कि ई सब पिक्चर सिनेमाहॉल के मुंह कब देख पाई बाकिर डिजिटल प्लेटफ़ॉर्म आ गइला से निर्माता आ स्टार लोग के ई सुकून बा कि फिल्म के यूट्यूब भा कवनो ओटीटी पर रिलीज कर दिहल जाई.

ओइसे भोजपुरी के एगो बड़ फिल्म वितरक आ निर्माता आपन पहचान गुप्त रखला के शर्त पर बतवलें कि भोजपुरी में अधिकतर जवना स्तर के फिल्मन के निर्माण हो रहल बा, ऊ यूट्यूबे पर रिलीज होखे वाली बाड़ी सन, ओकरा के देखे खातिर टिकट खरीदल एकदम रूपिया के बर्बादी बा. ओइसे निर्माता, निर्देशक आ कलाकार लोग इहे सोच के फिल्म भी बना रहल बा कि सिंगल स्क्रीन त खतमे हो रहल बा, नया होई त यूट्यूब पर चली नू. देखीं, यूट्यूब पर भोजपुरी फिल्म के दर्शक भी खूब बाड़ें, जइसे भोजपुरी एल्बम के बाड़ें.

आवे वाला महीना में एगो बड़ फिल्म रिलीज होखे वाला बा, खेसारी लाल यादव के फिल्म लिट्टी चोखा. फिल्म के ट्रेलर डिजिटल प्लेटफ़ॉर्म पर रिलीज हो गइल बा आ बड़ा वायरल हो रहल बा. फिल्म में खेसारी के हिट जोड़ी रहल काजल राघवानी हिरोइन बाड़ी आ उहे एकरा वायरल होखे के कारण भी बाड़ी. इंडस्ट्री में हाला बा कि काजल आ खेसारी में खटपट हो गइल बा. अब दुनू जाना साथे मंच साझा नइखे लोग करत आ कादो आगे फिल्मो ना करी लोग. हमरा एह बात पर निरहुआ आ पाखी हेगड़े के हिट जोड़ी के बरबस इयाद आ गइल ह, उहो दुनू जाना खूब साथे लउकल लोग आ फेर जोड़ी में टूट भइल त पाखी इंडस्ट्री से लगभग गायब हो गइली. खैर, लिट्टी चोखा फिल्म के निर्देशक पराग पाटील आ लेखक राकेश त्रिपाठी बाड़ें. इ लेखक-निर्देशक जोड़ी एकरा से पहिले सफल फिल्म संघर्ष बना चुकल बा लोग. लिट्टी चोखा के कथा एगो किसान चोखा आ ओकरा पत्नी लिट्टी के इर्द गिर्द बुनल बा. चोखा लोन के पईसा भरे खातिर शहर कमाए जाता. बाकिर एक दिन ओकर कपड़ा पहिनल एगो लाश मिलता जेसे गाँव में सब लोग ई सोचsता कि चोखा आत्महत्या कर लेहलस. फेर कइसे उ भूत बनला के नाटक करके अपना जीवन के विलेन से लड़sता इहे कथा बा.

निरहुआ के बहुप्रतीक्षित फिल्म गबरू आवे वाला बा. ई फिल्म महेश पांडे के निर्देशन में बनत बा जे हिन्दी के कई गो सुपरहिट सीरियल लिख चुकल बाड़ें. फिल्म के कहानी एगो जंगल से प्रेम करे वाला नायक के बा जवन जंगल में शिकारियन आ बाहरी अतिक्रमण के खिलाफ बा. ओकर एक बार एगो बाघ से सामना होता आ ऊ ओकर दोस्त बन जाता. एगो इंसान आ जानवर के दोस्ती के दास्तान बा गबरू. फिल्म में निरहुआ के हिरोइन आम्रपाली दुबे बाड़ी. संजय पांडे भी मुख्य भूमिका में बाड़ें. अभी फिल्म के टीज़र आइल बा. ओकर संगीत बड़ा अच्छा लागत बा. फिल्म के रिलीजिंग डेट होली में रहल ह बाकिर कोरोना के बढ़त प्रसार के चलते निर्माता लोग एकरा के टाल देले बा. अब आवे वाला समय बताई कि ई साल 2017-18 से बनत फिल्म कब सिनेमाघर में प्रदर्शित होई.
प्रदीप पांडे चिंटू के एगो फिल्म आवे वाला बा ‘पिया मिलन चौराहा’. फिल्म एगो प्रेम कहानी बा आ दूगो अलग धर्म के लइका-लइकी के बीच पनपल प्यार के बीच समाज के बाधा बने के लेके बनल बा. हालांकि अब ई बहुत पुरान कान्सेप्ट हो गइल बा बाकिर एह फिल्म में जवन हिमाचल के बर्फ से लदाइल खूबसूरत वादियन के देखावल गइल बा, उ बड़ा सुंदर लागत बा. थोड़ा बेतुका लागत बा कि भोजपुरी भाषी पूरब में बाड़ें आ उहाँ बरफ ना गिरेला बाकिर ट्रेलर में पहाड़ी नदी, देवदार के पेड़ आ बर्फ खूब लउकता, शायद निर्देशक सिनमैटिक लिबर्टी लेहले बाड़न. ओइसे देखे में बड़ा सुंदर लागत बा. चिंटू के हिरोइन बाड़ी मनीषा यादव. देखीं, फिल्म कब ले रिलीज होला.

खेसारी लाल आ मनोज टाइगर के मुख्य भूमिका में एगो सिचुएशनल कॉमेडी फिल्म ‘बाप जी’ भी आवे वाला बा आ ओकर ट्रेलर दर्शक नगदे पसंद कर रहल बाड़ें. फिल्म में हिरोइन रितु सिंह बाड़ी. फिल्म के कहानी बा नायक के बाप अपना बुढ़ापा में बियाह करे के जिद ठान लेता आ लइकी भी ढूंढ लेता. ई सब समाज के आ नायक के नागवार गुजरsता. फेर दुनू पक्ष में रस्साकसी शुरू होता आ ओह परिस्थिति में कॉमेडी क्रियेट होता. एहू फिल्म के रिलीजिंग डेट के कुछ पता नइखे लागत.

यश कुमार आजकल नया नया कान्सेप्ट लेके फिलिम करत बाड़ें. जइसे आयुष्मान खुराना हिन्दी में हटके फिल्म बनावेलें. यश के त एह बीच में कई गो रोचक विषय पर ट्रेलर रिलीज भइल बा बाकिर कूल्ही फिल्म कब रिलीज होईsसन, पता नइखे. उनके मुन्ना मिसिर बीमा एजेंट आ दामाद जी किराये पर हैं, कॉमेडी फिल्म बाड़ी सन जवन थोड़ा भोजपुरी में नया तरह के हास्य प्रयोग बा. यश कुमार के ही पारो, चंदन परिणय गुंजा गंभीर प्रेम कथा फिल्म बाड़ी सन. ओहिजा उनके बेटी नंबर 1, एगो इंसान के जिनगी में बेटी के महत्ता के केंद्र में रखके बनल बा.



अगर रफ आंकड़ा लगावल जाव त कम से कम 10-15 गो भोजपुरी फिल्म हाल फिलहाल में रिलीज होखे वाला रहली ह सन बाकिर कोरोना के मार ओकनी के रिलीज डेट टाल देहले बा. अब आगे का होई, ई त ऊपर वाला जानें भा ऊपर बइठल लोग जाने.

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं. )
अगली ख़बर

फोटो

टॉप स्टोरीज