• Home
  • »
  • News
  • »
  • bhojpuri-news
  • »
  • Bhojpuri: भोजपुरिया फिलिम में बढ़ल बा नया-नया हिरोइन के आमद

Bhojpuri: भोजपुरिया फिलिम में बढ़ल बा नया-नया हिरोइन के आमद

अधिकांश बड़का भोजपुरिया हीरो लोग आपन एगो फिक्स हीरोइन रखले बा बाकिर ओही में जइसे-तइसे नया हीरोइन आपन पनाह खोजिए लेली. कवनो फिलिम से, कवनो एलबम के गाना से भा गेस्ट अपीयरेंस से हर साले कुछ हीरोइन इंडस्ट्री में डेब्यू करिए देली.

  • Share this:
भोजपुरी सिनेमा में भलहीं नया हीरो के आमद ना होखे बाकिर हीरोइन के लॉन्चिंग खूब होला. कवनो फिलिम से, कवनो एलबम के गाना से भा गेस्ट अपीयरेंस से हर साले कुछ हीरोइन इंडस्ट्री में डेब्यू करिए देली. हाँ, ई बात अलग बा कि अधिकांश बड़का भोजपुरिया हीरो लोग आपन एगो फिक्स हीरोइन रखले बा बाकिर ओही में जइसे-तइसे नया हीरोइन आपन पनाह खोजिए लेली. हाँ, नया लइका अगर हीरो बने चाहत बा त ओकर सबसे पहिला शर्त बा कि उ गायक होखे आ अपना अश्लील गीतन से आपन फैन फॉलोइंग बनवले होखे.

अगर ई सब बा त प्रोड्यूसर रुपिया पेटी में लेके घूमsता रउआ के हीरो बनावे खातिर. अगर केहू ई सोचे कि गुड लुक्स भा एक्टिंग के बकायदे ट्रेनिंग लेके हीरो बने आइब आ हीरो बन जाइब...तs भईया हो, सुपरस्टार लोग के पीछे खड़ा होके ओकरा बेतुका जोक पर दांत चिअरला के अलावा भा महाराज की जय हो ...करे के अलावा दोसर रोल मिलल कठिन बा. बाकिर हीरोइन लोग खातिर ई कवनो शर्त नइखे, बस उ खूबे सुंदर होखे, सुंदर माने हीरो के मन लायेक सुंदर होखे आ भोजपुरी सिनेमा के वातावरण में काम करे के तैयार होखे.

'लूलिया का माँगेले' फेम निधि झा
बात करीं, एने के कुछ साल में भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में आइल हीरोइन लोग के त एह में पहिला नाम बा निधि झा के. निधि झा उहे हई जिनके लोग लूलिया कहेला. पवन सिंह के गाना 'लूलिया का माँगेले' में लूलिया के आइटम डांसर के रोल में निधि एतना लोकप्रिय हो गइली जेतना ओ फ़िल्म सत्या में हीरोइन अक्षरा के चर्चा ना भइल. ई निधि झा के करियर के शुरुआत रहे आ एकरा बाद त उ सीधे मुख्य भूमिका करे लगली. हालांकि एकरा पहिले उ तीन गो फ़िल्म में लउक चुकल रहली बाकिर कवनो विशेष प्रभाव ना छोड़ पवली. निधि हिंदी के टीवी सीरियल में बालिका वधु के समय से सक्रिय बाड़ी आ नगदे सीरियलो कइले बाड़ी. बाकिर उ फिलिमे से दर्शकन में आपन पैठ बनइली आ अभी तक दू दर्जन से बेसी फ़िल्म में बतौर हीरोइन आ चुकल बाड़ी.

लंबा कदकाठी के यामिनी सिंह
यामिनी सिंह भी भोजपुरी के नवोदित अभिनेत्री बाड़ी. लंबा कदकाठी के सुंदर रूप रंग वाली यामिनी के सबसे ढेर जोड़ी कल्लू के साथे बनल बा. पत्थर के सनम में कल्लू के साथे अपना प्रतिभा के जलवा देखवला के बादे से लोग उनके जाने लागल बा. उनके 2019 से अबले 5 गो फ़िल्म रिलीज हो चुकल बा आ 2 गो एह साल रिलीज होई. यामिनी धीरे-धीरे भोजपुरिया दर्शकन के दिल में उतरत बाड़ी.

चुलबुली चांदनी सिंह
भोजपुरी के एलबम से फ़िल्म में एंट्री मारे वाली हीरोइन हई चांदनी सिंह. चांदनी अचानक से फ़िल्म इंडस्ट्री में आ गइली. उ पटना कवनो पार्टी में शामिल होखे गइल रहली जहां उनके आदिशक्ति फिल्म्स के मालिक से मुलाक़ात भइल आ उ इनके खेसारी के साथे एगो वीडियो सॉन्ग में डांस करे के ऑफर देहलें. उ गाना जब रिलीज़ भइल त ई सोचले ना रहली कि रातो रात स्टार बन जइहें. गाना एतना लोकप्रिय भइल कि इनके अउरी गाना के ऑफर आवे लागल आ चांदनी फूल टाइम एक्ट्रेस बने के राह पर आ गइली. उनके फ़िल्म मैं नागिन तू सपेरा में हीरोइन के रोल मिलल आ ओकरा बाद उ लगातार फ़िल्मन में हीरोइन के भूमिका में लउकत बाड़ी.

साँवली सलोनी काजल यादव
काजल यादव भी भोजपुरी फ़िल्म उद्योग में एगो उभरत नाम बा आ भोजपुरी के दुसरका पीढ़ी के कलाकार बाड़ी. काजल के मम्मी माया यादव भोजपुरी में माई के रोल खातिर जानल जाली. काजल के पहिला फ़िल्म रहे काजल जवन साल 2019 में आइल आ ओहमें उनके सशक्त भूमिका रहे. अबले काजल के लगभग छौ गो फ़िल्म आ चुकल बा, जे में निरहुआ के साथे बॉर्डर, प्रदीप पाण्डेय चिंटू के साथे ससुराल, खेसारी के साथे जाल एक साजिश सफल फ़िल्म बाड़ी सन.

साउथ के हर्षिका पूनाचा
पवन सिंह अपना फिल्मन में नया अभिनेत्री के लॉन्च करे खातिर जानल जालें. उनके एगो फ़िल्म एह साल रिलीज होता, हम हैं राही प्यार के. ओह में उनके हीरोइन बाड़ी हर्षिका पूनाचा. हर्षिका साउथ के फ़िल्मन में चर्चित हीरोइन बाड़ी आ कोंकणी, कन्नड़, तेलुगू में 30 गो ले फ़िल्म कर चुकल बाड़ी. उनके भोजपुरी फ़िल्म से बड़ा आशा बा कि उ शायद इहाँ भी आपन जलवा बरक़रार रखिहें.

पंजाबी कुड़ी जसविंदर कौर
निरहुआ के फ़िल्म ‘ आये हम बाराती बारात लेके' में पंजाबी लइकी के किरदार करे वाली जसविंदर कौर असल में भी पंजाबी बाड़ी. जैज़ सोढ़ी के नाम से मशहूर जसविंदर पंजाबी में दू गो फ़िल्म कर चुकल बाड़ी. उ 2016 में स्टार पंजाबी गायक मनकीरत औलुख के पंजाबी फिल्म मैं तेरी तू मेरा से डेब्यू कइली आ फेर फैमिली 420 में भी लउकली. 2021 में उनके पंजाबी फ़िल्म रिलीज होता, अब देखल जाय कि पंजाबी के साथे साथ उ भोजपुरी में का कमाल करत बाड़ी.

बड़ा ट्रेंड में बाड़ी नीलम गिरी
नीलम गिरी आजकल बड़ा ट्रेंड में बाड़ी. उनके भोजपुरी एलबम हिट पर हिट जा रहल बा आ दर्शक उनका के बड़ी पसंद कर रहल बाड़ें. भोजपुरी के लगभग सब स्टार गायक लोग के साथे उ वीडियो सांग कर चुकल बाड़ी आ जल्दिए फ़िल्मन में भी लॉन्च होखे वाला बाड़ी. उनके 2019 में आइल पवन सिंह के छठ गीत धनिया हमार नया बाड़ी हो से पहचान मिलल आ एह बेरा उनके नगदे वीडियो सांग डिजिटल प्लेटफॉर्म पर देखे के मिल जाई.

अउरो कई गो हीरोइन लो भोजपुरी में लांच भइल बाड़ी आ हो तारी लेकिन सभके करियर के उड़ान केतना ले होई ई त आवे वाला समय बताई. फिल्म इंडस्ट्री के नजर नया-नया तारिका पर बा आ हमार नजर फिल्म इंडस्ट्री पर. आगे भी असहीं हाल-चल देत रहब.

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं. )

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.

विज्ञापन
विज्ञापन

विज्ञापन

टॉप स्टोरीज