Bhojpuri फिल्मन में पहिले हीरो रहलें स्टार कॉमेडियन कृष्णा अभिषेक, जानीं उनका बारे में

30 मई 1983 के मुंबई में जन्मल कृष्णा साल 2002 में ‘ये कैसी मोहब्बत में’ फिल्म से आपन शुरुआत कइलें. ई फिल्म बॉक्स ऑफिस पर असफल साबित भइल. फिर उ भोजपुरी में हीरो बनलें अउर बाद में कॉमेडियन के रुप में आपन पहचान बनवलें.

  • Share this:
कपिल शर्मा के शो से घर-घर में आपन पहचान बनावे वाला कॉमेडियन कृष्णा अभिषेक के असली नाम अभिषेक शर्मा ह. उ फिल्मी परिवार से बाड़ें तबहूँ फिल्म लाइन में आपन करियर बनावे में उनका बड़ा मेहनत करे के पड़ल. कृष्णा के मामा हिन्दी फिल्म इंडस्ट्री के सुपर स्टार गोविंदा हवें आ उनका पर गोविंदा के बड़ा प्रभावो बा. अक्सर रउआ उनके अपना मामा के डांस स्टेप भा स्टाइल कॉपी करत देख सकीलें. हालांकि कृष्णा कबो एह बात से पल्ला भी ना झडलें कि उनके करियर पर उनके मामा के भी प्रभाव रहल बा. बाकिर ई सच बा कि कृष्णा के अंदर प्रतिभा के भंडार बा तबे उ जब भी स्क्रीन पर आवेलें, लोग उनका हाजिर जवाबी अउरी मिमिक्री के दीवाना हो जाला.

30 मई 1983 के मुंबई में जन्मल कृष्णा के माई के निधन उनका बचपन में ही हो गइल. कृष्णा के उनके पापा पललें. उनके अपना मामा आ उनका परिवार से भी बहुत प्यार मिलल. कृष्णा बचपन से ही डांस में बड़ा रुचि राखत रहलें, ई शौख जवानी में अउर परवान चढ़ल. फिल्मी परिवार रहे एही से उ फिल्मन में आवे के निश्चय कइलें. कृष्णा साल 2002 में ‘ये कैसी मोहब्बत में’ फिल्म से आपन शुरुआत कइलें. ई फिल्म बॉक्स ऑफिस पर असफल साबित भइल. फिल्म में उनका साथे मुकेश ऋषि आ दीपक तिजोरी भी मुख्य भूमिका में रहलें. ई फिल्म एगो सस्पेंस थ्रिलर रहे बाकिर ओह बेरा अइसन खूब फिल्म बनत रहली सन, जेकरा चलते फिल्म दर्शकन के ज्यादा प्रभावित ना कर पवलस. कृष्णा के अगिला फिल्म मिले में दू साल लाग गइल. 2005 में उनके फिल्म आइल ‘हम तुम और मॉम’. ई फिल्म में कृष्णा के मुख्य भूमिका रहे. फिल्म में एगो विधवा माई अपना लइकन खातिर सब जतन करsतिया बाकिर जब लइका कुल्ह सेट हो जात बाड़ें त ओकरा के दुत्कार देतारें. ई फिल्म भी बिजनेस ना कर पवलस.

कृष्णा एतना साल में मात्र दू गो फिल्म कइलें. ओहू में सफलता ना मिलल त करियर के लेके निराश हो गइलें. तब उनके मामा गोविंदा उनके सलाह देहलें कि घरे बइठले काम ना मिली. जवन भी फिल्म मिल रहल बा करत रहs, तबे तहरा बड़ रोल मिली, लगातार काम करत रहs, मार्केट में बनल रहs. कृष्णा अभिषेक के लगे तब भोजपुरी फिल्मन के ऑफर रहे. उ अपना मामा के बात मान के भोजपुरी फिल्म ‘तोहर प्यार चाहीं’ से भोजपुरी में डैब्यू कर लेहलें. ई फिल्म 2006 में रिलीज भइल. फिल्म बहुत सफल त ना भइल बाकिर ओ बेरा भोजपुरी के तीसरा चरण के उठान के समय रहे, नया नया हीरो लोग लॉन्च होत रहे, कृष्णा भी एही धार में जुड़ गइलें. ओकरा बाद कृष्णा के मुख्य भूमिका के कई गो फिल्म अइली सन. पूजिहs चरण माई बाप के, साथी संघाती, देवर जी, कहाँ जइबा नजरिया चुराई के, काहें बाँसुरिया बजइला आदि. एह में देवर जी सफल फिल्म रहे. कृष्णा के लगातार भोजपुरी फिल्म मिलत गइल आ उ करत गइलें. 2005 से लेके 2008 के बीच में उनके डेढ़ दर्जन ले खाली भोजपुरी में फिल्म आइल. कहे के माने उ लगातार शूटिंग करत रहलें. नाग नागिन, दे द पिरीतिया उधार उनके भोजपुरी के चर्चित फिल्म रहली सन. हमार रजऊ दरोगा नंबर 1 कृष्णा के आखिरी भोजपुरी फिल्म रहे. कृष्णा भोजपुरी में कुछ खास कमाल ना देखा पवलें. कारण रहे, भोजपुरी में लोक गायकन के दबदबा. ओह बेरा रवि किशन, मनोज तिवारी आ निरहुआ चमकल रहे लोग. पवन सिंह के भी एंट्री हो गइल रहे. एने कृष्णा के मौसेरा भाई विनय आनंद भी भोजपुरी में आपन किस्मत आजमावे आ गइल रहलें. कृष्णा के जब हिन्दी फिल्म में ऑफर मिलल त उ चल गइलें आ फेर भोजपुरी के ओर ना मुड़लें बाकिर विनय अभियो भोजपुरी फिल्म में लागल बाड़ें.

कृष्णा के 2007 में हिन्दी फिल्म ‘और पप्पू पास हो गया’ में मुख्य भूमिका मिलल. फिल्म के हिरोइन कश्मीरा शाह से कृष्णा के नजदीकी बढ़ल आ ई बात चर्चा के विषय बनल. ओही साल स्टार प्लस पर नच बलिए 3 में ई जोड़ी के डांस कपल के रूप में निमंत्रण मिलल. आ एही जा से कृष्णा के भाग बदल गइल. ई सीजन हिट रहल आ जोड़ी भी. अगिला साले 2008 में कृष्णा हिट कॉमेडी शो ‘कॉमेडी सर्कस’ में भाग लेहलें. इहवें उनके मुलाकात कपिल शर्मा आ सुदेश लाहिड़ी से भइल जे आगे जाके कृष्णा के करियर में बड़ भूमिका निभावल लोग. कृष्णा के कॉमेडियन के रूप में छवि बने लागल. कॉमेडी शो के ही एक सीजन के जज निर्देशक रोहित शेट्टी अजय देवगन के लेके कॉमेडी फिल्म बोल बच्चन बनावत रहलें. ई फिल्म में कृष्णा के बड़ रोल मिलल आ ओकरा बाद उ लगातार हिन्दी के बड़ फिल्मन में काम करे लगलें. जइसे, अक्षय कुमार के एंटेरटैनमेंट, क्या सुपर कूल हैं हम, मरने भी दो यारों, तेरी भाभी है पगले आदि. कृष्णा के करियर में ई बात हमेशा रहल बा कि ऊ शुरुआती दिन के बाद कबो घरे ना बइठलें. उनके कवनो ना कवनो टीवी शो मिलते रहल. कृष्णा कपिल शर्मा के सुपरहिट टीवी शो कॉमेडी नाइट्स विद कपिल के कलर्स से बंद भइला के बाद ओही स्लॉट पर नया कॉमेडी शो ले अइलें जवन चल ना पावल. बाकिर कपिल शर्मा आ कृष्णा अभिषेक के बीच काम्पिटिशन अउरी विवाद के सिलसिला चलत रहल. कॉमेडी नाइट्स लाइव, द ड्रामा कंपनी, कॉमेडी नाइट्स बचाओ जइसन कईगो औसत टीवी शो के बाद कृष्णा के करियर में नया मोड़ तब आइल जब सुनील ग्रोवर आ कपिल के बीच फ्लाइट में लड़ाई हो गइल आ कपिल शर्मा के चलत शो बंद करे के पड़ल. ओकरा बाद जब कपिल नया सीजन लेके अइलें तब कृष्णा भी ओ शो के हिस्सा रहलें. उनके द कपिल शर्मा शो में कैरेक्टर ‘सपना नालासोपारिया’ के लोग एतना पसंद कइल कि कृष्णा अभिषेक घरे घरे जानल जाये लगलें.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं.)

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.