• Home
  • »
  • News
  • »
  • bhojpuri-news
  • »
  • Bhojpuri: अमेरिका में पढ़ल महुआ मोइत्रा कइसे कर देली बिहार के अपमान? पढ़ीं...

Bhojpuri: अमेरिका में पढ़ल महुआ मोइत्रा कइसे कर देली बिहार के अपमान? पढ़ीं...

बड़ा अचरज हो रहल बा कि बंगाल के अतना पढ़ल लिखल सांसद महुआ मोइत्रा कइसे एक दोसरा सांसद के बिहारी गुंडा कह देली ? एह बयान के लेके खूब विवाद हो रहल बा...

  • Share this:

कलकत्ता के बड़ा बाजार के रवीन्द्र सरणी मोड़ पs बनवारी लाल लिट्टी-चोख बेच के ठेला समेटत रहन. सांझ होते उनका ठेला भिरी बंगली बाबू लोग के भीड़ लाग जात रहे. माछ-भात के शौखीन बंगली लोग सराह-सराह के लिट्टी-चोख के आनंद उठावत रहन. उनका बगले में दरभंगा के बिसेसर बबा पान के दोकान चलावत रहन. रात के नौ बज गइल रहे. दूनो जना दोकान बढ़ा के साथही घरे जाये लागले. बनवारी लाल कहले, हमरा दोकान पs रोज सैकड़ों बांगाली बाबू लिट्टी खाये आवे ले. कबो-कबो पलेट बढ़ावे में देरी हो जला तs खिसिअइबो करे ला लोग. लेकिन आज ले केहू बिहारी गुंडा ना कहलस. अब ई सोच के बड़ा अचरज हो रहल बा कि बंगाल के अतना पढ़ल लिखल सांसद महुआ मोइत्रा कइसे एक दोसरा सांसद के बिहारी गुंडा कह देली ? बिसेसर बाबा कहले, अइसे तs महुआ मोइत्रा के कहनाम बा कि ऊ ई बात नइखे कहली.

बंगाल के मुखमंतरी बिधान बाबू के भी अपमान कइली महुआ
दूनो जना जब डेरा पs पहुंचले तs देखले कि बजरंगी लाल के इहां चहल-पहल रहे. बजरंगी लाल बलियां के रहे वला रहन. उनकर लइका ऊहां जिला पंचाइत के सदस्य चुनाइल रहन. ओकरे खुशी में आज भोज रहे. बनवारी लाल, बिसेसर बबा के भी नेवता मिलल रहे. हाथ मुंह धो के दूनो जना बजरंगी लाल के घरे पहुंचले. उनका लोग के देख के बजरंगी लाल मजाक में कहले, बिहार के गुं… लोग के सोवागत बा. बजरंगी लाल के लइका अलख निरंजन बगले में बइठल रहन. उनका ई बात निमन ना लागल. कहले, बाबूजी ई हंसी करेवला बात नइखे. महुआ मोइत्रा के ई बयान बहुत बेजांय बा. ई बिहारी भाई लोग के अपमान करे वला बात बा. महुआ मोइत्रा तs अमेरिका में पढ़ल बाड़ी. बिदेशी बैंक में नौकरी कइले बाड़ी. का उनका नइखे मालूम कि बंगाल के आर्थिक तरक्की में बिहार-यूपी के बहुत बड़ा जोगदान बा ? बंगाल के सबसे नामी मुखमंतरी बिधानचंद्र राय के जनम तs पटना में भइल रहे. महुआ मोइत्रा तs बिधान बाबू के जन्मभूमि के भी अपमान कर देली. अगर बिहारी लोग गुंडा रहिते तs का बिधान बाबू के अतना शोहरत मिलल रहित ?

अमेरिका में पढ़ाई कइले बाड़ी महुआ मोइत्रा
बिसेसर बबा पूछले, ई महुआ मोइत्रा काहे अइसन बात कहली ? सुने में आवे ला कि ऊ बहुत पढ़ल लिखल बाड़ी ? अलखनिरंजन कहले, ई सही बात बा कि महुआ पढ़े में बहुत तेज रही. इसकूल के पढ़ाई कोलकत्ता में भइल. एकरा बाद ऊ पढ़े खातिर अमेरिका चल गइली. माउंट हौलिओक कौलेज मेसाचुसेट्स से ऊ मैथ अउर इकोनोमिक्स में ग्रेजुएशन कइली. एकरा बाद ऊ इनभेस्टमेंट बैंकर के रूप में नौकरी शुरू कइली. ऊ नामी मल्टीनेशनल फाइनेन्शियल कंपनी जेपी मौरगन में भाइस परसिडेंट रही. जैपी मौरगन के लंदन औफिस में ऊ काम करत रही. एही बीच ऊ डेनमार्क के फाइनेन्सर लार्स ब्रोसनन से शादी कर लेली. लेकिन उनकर शादी लंबा ना चलल अउर तलाक हो गइल. उनका भिरी पइसा अउर इज्जत वला नौकरी रहे. लेकिन तबहुंओ कुछ अलग कइल चाहत रही. ऊ नौकरी छोड़ के 2009 में भारत आ गइली अउर राजनीति में उतर गइली. ओह घरी उनकर उमिर 34 साल रहे. सबसे पहिले युवा कांग्रेस में शामिल भइली. राहुल गांधी से बहुत परभावित रही. लेकिन जब बंगाल में कांग्रेस कौमनिस्ट पाटी से समझौता करे लागल तs ऊ कांगरेस छोड़ के तृणमूल में आ गइली.

पहिले भी बिबाद में रहल बाड़ी महुआ मोइत्रा
अपना बेटा के बात सुन के बजरंगी लाल कहले, अरे राजनीत के बात छोड़s के भोज के इंतजाम देखs. लेकिन अलख निरंजन युवा नेता रहन, ऊ आपन बात पs डटल रहले. कहले, ममता दीदी तs अपना भाषण में सभ समुदाय के जोड़े के बात करेली, तब उनका पाटी के सांसद कइसे दोसरा राज्य के लोग के ओछ बात कह सकेली ? केहू से नीति के बिरोध हो सकेला लेकिन ओकरा के हम गारी-फजीहत तs ना कर सकेनी. केहू अनपढ़ कइले रहित तs ओकरा के नासमझ कहल जा सकेला. लेकिन बिदेश में पढ़ल महुआ मोइत्रा कइसे ई बात कह सकेली ? ऊ 2016 में तृणमूल के बिधायक बनली. 2019 में तृणमूल से सांसद बनली. अतना अनुभवी नेता के ई बेवहार, समझ से बाहर बा. एतना बात सुन के बेसरर बबा कहले, महुआ मोइत्रा पहिलुहों विवाद में आइल रही. 2018 में उनका पs आरोप लागल रहे कि जब ऊ आसाम गइल रही तs सिलचर हवाई अड्डा पs एगो महिला सिपाही पs हमला कर के ओकरा के घायल कर देले रही. तृणमूल के आठ नेता जनसंख्या रजिस्टर मुद्दा से जुड़ल एक कार्जक्रम में शामिल होखे सिलचर गइल रहन. जब पुलिस शांति बेवस्था कायम करे खातिर उनका लोग के हवाई अड्डा पs रोक लेलस तs महुआ मोइत्रा और महिला सिपाही में विवाद हो गइल रहे. जब ई बिबाद भइल तs ममता दीदी एह घटना के भाजपा के दुसपरचार कहले रही.

बिहार में मचल बा बबाल
बनवारी लाल बहुत देर से सभ कोई के बात सुनत रहन. ऊ पूछले कि बिहारी गुंडा कहे के बिबाद आखिर भइल काहे ? बिसेसर बबा कहले, भाजपा के सांसद निशिकांत दूबे के आरोप बा कि मोहुआ मोइत्रा उनका के बिहारी गुंडा कहले बाड़ी. संसदीय समिति के एगो बैठक के दौरान दूनो नेता में खूब बहस भइल रहे. जब कि महुआ मोइत्रा एह आरोप से इंकार कर रहल बाड़ी. निशिकांत दुबे के जनम बिहार के भागलपुर जिला में भइल बा. उनकर पढ़ाई भी भागलपुर में भइल बा. लेकिन ऊ सांसद बाड़े झारखंड के गोड्डा से. भागलपुर से गोड्डा बहुत नजदीक बा. सही बात का बा, मालूम नइखे लेकिन बिहारी गुंडा वला बेयान के बाद बिहार के राजनीत गरमा गइल बा. अब भाजपा के नेता तेजस्वी जादव से जबाब मांग रहल बाड़े जे बिधानसभा चुनाव में तृणमूल के परचार कइले रहन. आज तs निशिकांत दुबे लोकसभा में भी ई मामला उठा देले. अब बिहार के मान सम्मान के सवाल उठ गइल बा. अबहीं बतकही चलते रहे कि भोज के पांत बइठे लागल. बजरंगी लाल के आवत देख के बिसेसर बबा अउर बनवारी लाल दरी पs बइठ गइले. (अशोक कुमार शर्मा वरिष्ठ स्तंभकार हैं. यह उनके निजी विचार हैं.)

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.

विज्ञापन
विज्ञापन

विज्ञापन

टॉप स्टोरीज