• Home
  • »
  • News
  • »
  • bhojpuri-news
  • »
  • Bhojpuri Special: ब्रिस्बेन में 324 रन बना के मार लs मैदान, देखा दs कमाल

Bhojpuri Special: ब्रिस्बेन में 324 रन बना के मार लs मैदान, देखा दs कमाल

चौथा टेस्ट में ऑस्ट्रेलिया भारत के जीत खातिर 328 रन के लक्ष्य देले बा.

चौथा टेस्ट में ऑस्ट्रेलिया भारत के जीत खातिर 328 रन के लक्ष्य देले बा.

चउथा टेस्ट में भारत (India Vs Australia 4th Test) पs बढ़िया बैटिंग करे के दबाव बा। 328 रन बना के जीते के टारगेट मिलल बा। अब मैच के चउथा पारी में भारत के बैटिंग के अग्निपरीक्षा होखे वला बा।

  • Share this:
ब्रिस्बेन के चउथा टेस्ट भारत के नौसिखुआ खेलाड़ी आस्ट्रेलिया के नाकोंदम कर देले। भारत के खेमा में जे बा से सवे सेर बा। का नाया, का पुरान सबसे लाठी में एक्के बल बा। सिराज, शार्दुल, सुंदर मिल के आस्ट्रेलिया के दूसरा पारी 294 रन पs समेट देलस लोग। एक-दू टेस्ट खेले वला बौलरन के ई प्रदर्शन इहे कहाई कि कवनो मेमना, बाघ के मैदान छोड़े पs मजबूर कर देलस। एही मैच के नतीजा से सीरीज के फैसला होखे के बा। अब भारत पs बढ़िया बैटिंग करे के दबाव बा। 328 रन बना के जीते के टारगेट मिलल बा। अब मैच के चउथा पारी में भारत के बैटिंग के अग्निपरीक्षा होखे वला बा।

वाशिंगटन सुंदर के रेकौडतोड़ खेल
वाशिंटन सुंदर दुनिया के पहिला खेलाड़ी बनने जे आस्ट्रेलिया में अपना पहिला टेस्ट में सातवां नम्बर पs बैटिंग कर के 62 रन बनवले। आज ले आस्ट्रेलिया में कवनो विदेशी खेलाड़ी नम्बर सात पर बैटिंग कर के पहिला टेस्ट में 62 रन ना बनवले रहन। एकरा पहिले आस्ट्रेलिया में पहिला टेस्ट खेले वला नम्बर सात बल्लेबाज फ्रैंक फोस्टर (इंग्लैंड) 1911 में सिडनी के मैदान पs 56 रन बनवले रहन। मतलब ई कि सुंदर 110 साल पुरान रेकौड तूर के नाया इतिहास बनवले। एकरा अलावा सुंदर भारत के पांचवा एइसन खेलाड़ी बनले जे अपना पहिला टेस्ट में पचास से अधिका रन अउर तीन विकेट लेले। सुंदर अभी बौलर के रूप में खेल रहल बाड़े लेकिन ऊ जूनियर क्रिकेट में टीम के ओपनर भी रह चुकल बाड़े। सुंदर के बाबूजी के तs कहनाम ई बा कि बेटा से सेंचुरी मारल चाहत रहे।

शार्दुल अउर सिराज के कमाल
अपना पहिला टेस्ट में कुल्लम 10 गेंदा फेंके वाला शर्दुल ठाकुर खातिर भी ई मैच यादगार रहल। शार्दुल ब्रिस्बेन टेस्ट में आस्ट्रेलिया के खिलाफ पहिला पारी में तीन बिकेट अउर दूसरा पारी चार बिकेट लेले। 2018 में शार्दुल वेस्टइंडीज के खिलाफ 10 गेंदा फेंक के चोटिल हो गइल रहन। दू साल बाद जब ऊ टेस्ट में वापसी कइले तs बेजोड़ खेल देखवले। शार्दुल के ई टेस्ट में सात बिकेट मिलल। मोहम्मद सिराज के बौलिंग तs अउर काबिले तारीफ रहल। ऊ पांच बिकेट लेले। आस्ट्रेलिया के दूसरा पारी में 294 पs औल औलआउट कर में सिराज के सबसे बड़ जोगदान रहल। सिराज के ई तीसरे टेस्ट मैत हs लेकिन उ कमाल के बौलिंग कइले।

नटराजन के बढ़िया खेल
ब्रिस्बेन टेस्ट के दोसरा दिन भारत के नवका तेज गेंदबाज लोग आपन ताकत देखवले। आस्ट्रेलिया के अंतिम पांच बिकेट 95 रन पs ढाह के भारत के मैच में वापसी करवलस लोग। आस्ट्रेलिया 274 रन से शुरू कइलस अउर 369 पs औल आउट हो गइल। टी नटराजन उमेद से बढ़िया गेंदबाजी कइले। बमहत्था तेज गेंदबाजी नटराजन अपना पहिला टेस्ट के पहिला पारी में 78 रन देके तीन बिकेट लेले। भारत के कवनो बमहत्था तेज गेंदबाज के पहिला टेस्ट मैच में सबसे बढ़िया प्रदर्शन आरपी सिंह के रहे। ऊ पाकिस्तान के खिलाफ 2005-06 में आपन पहिला टेस्ट में 89 रन देके चार बिकेट लेले रहन।

का करिहें रोहित शर्मा ?
दूसरा पारी में भारत के जीत खातिर 324 रन बनावे के बा। अइसना में रोहित शर्मा के अपना नांव के मोताबिक खेल देखावे के पड़ी। पहिल पारी में पढ़िया खेल के गड़बड़ कर देले रहन। पहिला पारी जब आस्ट्रेलिया 369 रन बना देलस तs रोहित शर्मा से बहुत उमेद रहे। लेकिन ऊ बढ़िया खेल देखा के आपन बिकेट तोहफा में दे देले। बलिक कहल जाव तs रोहित आन कीमती बिकेट डियान कर देले। लियोन के ओभर के तीसरा गंदा पs ऊ चउका मार चुकल रहन। 44 रन पs पहुंच गइल रहन। पारी जमावे पs धेयान देवे के जरूरत रहे। लेकिन ऊ लियोन के पांचवा गेंदा के फेन चौका-छक्का मारे खातिर हवाई शौट खेल देले जेकर नतीजा रहल कि उनका कैच होखे के पड़ल। रोहित जइसन अनुभवी खेलाड़ी से अइसन गलती के उमेदा ना रहे। अफसोस ई बात के बा कि रोहित तेज गेंदबाजी के तs बढ़िया से खेलले लेकिन स्पिनर के जाल में फंस गइल रहन। लियोन अभी ले रोहित के छव बेर आउट कर चुकल बाड़े।

नाथन लियोन के 100वां टेस्ट
आस्ट्रेलिया के स्पिनर नाथन लियोन के ई 100 वां टेस्ट मैच हs। तेज गेंदबाजन के भीड़ में भी लियोन आपन जगह बनावे में कामयाब भइले। फास्ट बौलरन के देश में स्पिनर के चमकल बहुत बड़ बात मानल जाई। लियोन शुरु में ही ही आपन छाप छोड़ देले रहन। ऊ जब पांचे गो फर्स्ट क्लास मैच खेलले रहन तs उनका के टेस्ट टीम में चुन लिहल गइल रहे। अब लियोन सौऊवां टेस्ट खेल रहल बाड़े अउर चार सौ बिकेट के कगार पs खाड़ा बाड़े। तीन बिकेट अउर लिहें तs 400 पs पहुंच जइहें। खेल प्रेमी पूछ सकेले कि अश्विन बढ़िया स्पिनर हवें कि लियोन ? चार दिन पहिले महान क्रिकेटर मुथैया मुरलीधरन कहले रहन कि अभी खेले वला खेलाड़ी में अश्विन ही एकलौता गेंदबाज बाड़े जे 800 बिकेट लेवे के बर्ल्ड रेकौड बना सकेले। मुरलीधरन के मोतिबाक, लियोन में एतना काबिलियत नइखे कि ऊ 800 बिकेट ले पहुंच सकेले। 800 बिकेट लेवे के रेकौड मुरलीधरन के नामे दर्ज बा।

बरखा के बाद कइसन होई खेल ?
गाबा के मैदान पs बरखा के बाद खेल तनी कठिन हो जाई। बारिश के बाद अगर हवा में नमी और तेजी रही तs फास्ट बौलरन के बहुत मदद मिले लागी। अइसना में भारत के बहुत संभल के खेलल जरूरी हो जाई। बिकेट पs टिक के खेले के पड़ी। भारत भीरी ई टेस्ट मैच जीते खातिर मौका बा। 328 रन के चुनौती बा। चार रन बन गइल बा। भारत के खेल प्रेमी तs इहे कह रहल बाड़े, चाबस पाठ्ठा ! मार लs मैदान।

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.

हमें FacebookTwitter, Instagram और Telegram पर फॉलो करें.

विज्ञापन
विज्ञापन

विज्ञापन

टॉप स्टोरीज