Bhojpuri: कबो निरहुआ संगे जोड़ी रहे सुपरहिट, 'बंगलिनिया' हिरोइन पाखी हेगड़े के जन्मदिन ह आज...

भोजपुरी एक्ट्रेस पाखी हेगड़े के आज जन्मदिन ह. हाल में उनकर खेसारी लाल यादव के साथे रिलीज भइल गाना 'बंगलिनिया' इंटरनेट पर धमाल कइले रहे. एकरा पहिले पाखी अउर निरहुआ के जोड़ी कए गो सुपरहिट भोजपुरी फिलिम साथे कइले रहे.

  • Share this:

साल रहे 2007. सगरो एगो फिलिम के चर्चा रहे, सभका मोबाईल से लेके सीडी-भीसीडी आ तिलक बियाह, नाच-आर्केस्ट्रा में ओह फिलिम के गीत बाजे. सभे के मुंह पर फिलिम के हीरो के चर्चा त रहबे कइल; लइका-जवान से बुढ़ऊ बाबा लोग के चवनिया मुसकी तब अउर खिल जाव जब ओह फिलिम के हिरोइन के चर्चा हो जाव. फिलिम रहे निरहुआ रिक्शावाला अउरी हिरोइन रहली पाखी हेगड़े. टीवी इंडस्ट्री से सीधे भोजपुरी में कदम रखे वाली खूबसूरत नैन नक्श अउरी कातिल अदा वाली ई नवोदित अभिनेत्री के जब लोग देखे त मंत्र मुग्ध हो जाव. फिल्म भोजपुरी सिनेमा इतिहास के माइलस्टोन फिल्मन में से एक बा. देश भर के कई गो सिनेमाघर में डेढ़ साल तक लगातार चलल एह फिल्म के सफलता के कईगो फैक्टर रहे बाकिर पाखी हेगड़े के जवन चार्म रहे उ पुरुष दर्शकन के बहुत आकर्षित कइलस. अधिकांश छौंड़न से पूछब त पता चली कि उ ई फिलिम कई हाली देखलन सन खाली पाखी के अंग्रेजी में निरहुआ के डाँटे वाला सीन देखे खातिर. पाखी हेगड़े एह फिलिम में अपना अभिनय के दमखम भी देखवले रहली. उ दक्षिण भारत के बैकग्राउंड से सीधे भोजपुरी में अइली बाकिर एह भाषा के अपना लेहली आ लगातार कई साल तक हिट पर हिट फिल्म देहली.

जवना पाखी हेगड़े के बारे में एतना बात होता, उनकर जन्मदिन ह आज. उनकर जन्म त कर्नाटक के ह बाकिर पालन-पोषण बंबईये में भइल अउर इहवें पढ़ाइयो-लिखाई भइल. पाखी अपना अभिनय करियर के शुरुआत दूरदर्शन के शो ‘मैं बनूँगी मिस इंडिया’ से कइली अउरी ई शो काफी सफल रहल.

फेमस होखे से पहिले भोजपुरी में दू गो फिल्म आइल. पहिला फिल्म साल 2006 में बैरी पिया रहे. एह में उनकर हीरो मोहित डागा रहलें जे टीवी सीरियल के चर्चित नाम रहलें. एह फिल्म खातिर पाखी के क्रिटिक चॉइस अवार्ड भी मिलल. एकरा बाद उ फिल्म इंडस्ट्री के लोगन के नजर में आ गइली. फेर तब के सुपरस्टार रविकिशन के साथ दुसर फिल्म मिलल जवन बॉक्स ऑफिस पर कुछ खास प्रदर्शन ना कइलस. ओकरा बाद उनका दिनेशलाल यादव निरहुआ के साथे तिसरका फिल्म मिलल निरहुआ रिक्शावाला. इहे फिल्म उनका जिनगी के गेमचेंजर साबित भइल. ओकरा बाद त उ कबो पीछे मुडके ना देखली. हालांकि एह फिल्म से कईगो कलाकार स्थापित भइल लोग. खुद एकर हीरो निरहुआ, विलेन सुशील सिंह, कॉमेडियन मनोज टाइगर उर्फ़ बताशा चाचा, चाइल्ड आर्टिस्ट गोलू आदि एही फिल्म के सफलता के बादे भोजपुरी के बड़का नाम बन गइल लोग. एकरा बाद पाखी हेगड़े के जोड़ी निरहुआ के साथे अइसन बनल कि दुनू जाना लगातार कई साल तक बहुते हिट फ़िल्म दिहल लोग.

पाखी हेगड़े अबले लगभग 65 गो फ़िल्म भोजपुरी भाषा में कर चुकल बाड़ी. उनका से पुछला पर कि उ भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में आपन फरत-फुलात करियर काहें छोड़ दिहली त उ कहली कि हर कलाकार अपना कला अउरी शिल्प खातिर स्वार्थी होला. जब ओकरा एके जइसन काम करे के मिले लागेला अउरी कुछ नया उ प्रयोग ना कर पावेला त ओकर मोह भंग होखे लागेला. हम भोजपुरी में जब रहनी त शुरू में बड़ा बढ़िया फिल्म बनल बाकिर बाद में एके जइसन कहानी के पुनरावृति होखे लागल, किरदार, कहानी अउरी प्लॉट सब एक जइसन होखे लागल त हमरा अंदर के कलाकार ऊब गइल आ एही से हम दोसरा भाषा में बेहतर ऑफर के तलाश में इहाँ से दूर हो गइनी बाकिर भोजपुरी हमसे ना छूटल नइखे.
पाखी लगभग 12 भाषा में फ़िल्म कइले बाड़ी. जे में से एगो पंजाबी अउरी अंग्रेजी में बनल फिल्म कुदेसन - वुमन फ्रॉम द ईस्ट के अंतरराष्ट्रीय ख्याति मिलल अउरी कईगो अवार्ड् भी मिलल. उनका भोजपुरी के टॉप फिल्मन के बात कइल जाव त ओह में निरहुआ रिक्शावाला, कइसे कही तोहरा से प्यार हो गइल, शिवा, विधाता, सात सहेलियाँ, निरहुआ नम्बर 1, निरहुआ चलल ससुराल, औलाद, संतान, गंगा देवी, लहरिया लुटs ये राजा जी, देवरा भइल दीवाना आदि के नाम लिहल जा सकेला. पाखी हेगड़े साल 2009 के अपना करियर के स्वर्णिम वर्ष मानेली. ओह साल उनके करीब 8-9 फिल्म रिलीज भइली सन आ सबके सब फ़िल्म सफल रहली सन. अमिताभ बच्चन के मेकअप-मैन दीपक सावंत के भोजपुरी फिल्म ‘गंगा देवी’ में भी पाखी के अभिनय के सराहल गइल. एह फिल्म में खुद अमिताभ अउरी जया बच्चन अभिनय कइले रहे लोग. इ फिल्म गुजरती में भी डब भइल अउरी उहां भी बहुते बढ़िया रिस्पांस मिलल.

पाखी के आखिरी भोजपुरी फिल्म 2019 में आइल विवाह. एह में उनके अतिथि भूमिका रहे. पाखी के सफल फिल्म निरहुआ के अलावा मनोज तिवारी, रविकिशन, चिंटू पाण्डेय के साथे भी आइल बा. पाखी हेगड़े अब फेर से भोजपुरिया स्क्रीन पर सक्रिय हो गइल बाड़ी. उनके खेसारी लाल यादव के साथे एगो सिंगल ट्रैक लॉन्च भइल बा बंगलिनिया. ई गाना के अब तक यूट्यूब पर 72 मिलियन व्यूज मिल चुकल बा आ उ बढ़ते जाता. दर्शक अपना चहेती हिरोइन के फेर से स्क्रीन पर ठुमका लगावत अउरी अदा देखावत देख के मंत्रमुग्ध हो रहल बाड़ें.

पाखी हेगड़े के जन्मदिन पर उनके ढेर सारा शुभकामना. उनके भविष्य उनके अतीत से भी ज्यादा सफल रहे, इहे कामना बा.



( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं. )

अगली ख़बर

फोटो

टॉप स्टोरीज