Home /News /bhojpuri-news /

Bhojpuri: लालू के लाल तेजस्वी यादव के होखता बियाह, गूंजे लागल मंगलगीत!

Bhojpuri: लालू के लाल तेजस्वी यादव के होखता बियाह, गूंजे लागल मंगलगीत!

डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव (Tejashwi Yadav) के शादी के चर्चा होखे लागल. कबो लालू यादव (Lalu Prasad Yadav) के ई लाल कहले रहन कि उ परिवार के पसंद से विवाह करीहें, लेकिन सुनें में आवत बा कि दिल्ली में अपना पसंद के लइकी से तेजस्वी यादव (Tejashwi Yadav Wife) बियाह करिहें. एकरा पहिलही से उनका खातिर शहनाई और मंगल गीत गूंजे लागल बा.

अधिक पढ़ें ...

लगन के दिन बा। जेने देखे ओने बियाह के साज-बाज अउर मंगल गीत गूंज रहल बा। पुरुबे-पछिमवा से अइले सुन्नर दुलहा, सासू जुड़ावे लगली नैन हो…. तेजस्वी (Tejashwi Yadav) के छोटका काका सुखदेव राय के घर के भरिरिये लाउडस्पीकर पs गीत बाजत रहे। उनकर छोटकी काकी (चंपा राय) परसोएं फुलवरिया से पटना आइल बाड़ी। भतीजा के बियाह के खबर सुन के बिभोर बाड़ी। मन में धमधमी मचल बा। तेजस्वी के छोटका काका के अधरतिया नेवता मिलल रहे। काका-काकी नेवता पुरे खातिर बेटा-पतोह, बेटी दमाद के दिल्ली भेज देले। रामनिहोरा अउर बेनीमाधो आज भोरहीं फुलवरिया से पटना पहुंचले। दूनो जना लालू जी के पकिया समरथक रहन। सुखदेव राय से भेंट कइला के बाद ऊ लोग राबड़ी देवी के सरकारी आवास देने चल गइले।

असिया पूरन होय…
रामनिहोरा अउर बेनीमाधो दस सरकुलर रोड़ पहुंचले। गिनले-चुनल लोग के दिल्ली जाए के मौका मिलल बा। राजद के बड़का-बड़का नेता के भी नेवता नइखे मिलल। अधिका लोग राबड़ी आवास के चक्कर मार के ही संतोख कर रहल बाड़े। रामनिहोरा कहले, तेजस्वी के शादी से हमनी के बहुत खुशी बा लेकिन एकरा में अतना ससपेंस काहे बा, समझ में नइखे आवत ? पहिले पता चलल कि तेजस्वी के आज दिल्ली में छेंका बा। फेन बात सामने आइल कि आजे उनकर बियाहो बा। खैर ! तेजस्वी के माथे मउर सज जाई तs लालू जी के भी सरधा पूरा हो जाई। छोटका बेटा अइसहूं दुलरुआ होखे ला। तेजस्वी के बियाह के उहो बहुत दिन से असरा लगवले रहन। भले हड़बड़ी में बियाह होता बा लेकिन खुशी के कवनो ठेकाना नइखे। बेनीमाधो कहले, राबड़ी देवी आज से चार साल पहिले कहले रही कि उनका कइसन पतोह चाहीं।

“घर चलावे वाला पतोह चाहीं”
रामनिहोरा के सवाल पs बेनीमाधव कहले, 2017 में महागठबंधन के सरकार रहे। तेजस्वी यादव डिप्टी सीअम अउर तेजपरताप हेल्थ मिनिस्टर रहन। 11 जून के लालू जी के जनमदिन मनावल जात रहे। जलसा के बाद मीडिया के लोग राबड़ी देवी से बात करे लगले। बिहार के डिप्टी सीएम अउर हेल्थ मिनिस्टर कुंआर रहन। बात घूम फिर के तेजपरताप अउर तेजस्वी के बियाह पs आ गइल। राबड़ी देवी से पूछल गइल कि कइसन बहू चाहीं ? तs जबाब देली, हमरा घर चलावे वाली पतोह चाहीं जे बड़ बुजुर्ग के मान-आदर करे। जइसन हम बानी ओइसने पतोह चाहीं। हलांकि ओह घरी एक बात पs बिबाद भी होगइल रहे। कहल जाला कि मीडिया से सवाल-जबाब में राबड़ी देवी कहले रही कि उनका सिनेमा हौल भा मौल जाए वला पतोह ना चाहीं। लेकिन बाद में ऊ कह देली की मीडिया उनकर बेयान के तोड़मरोड़ के पेश कइले रहे। ऊ कवनो लइकी के सिनेमा हौल चाहे मौल जाए के बेलकुल खिलाफ नइखी। कोई भी लइकी मर्जी से कहीं भी घूम सकेले। बेनी माधव तनी दम धर के कहले, चार साल चिरईं जइसन उड़ गइल। आज राबड़ी देवी से सरधा पूरा हो रहल बा।

तेजस्वी कहले रहन, माता-पिता के पसंद से होई बियाह
रामनिहारो कई बेर चुनाव परचार करे खातिर राघोपुर भी गइल रहन। तेजस्वी के चुनाव में ऊ बढ़-चढ़ के आगा रहत रहन। रामनिहोरा कहले, 2016 के बात हs। तेजस्वी ओह घरी डिप्टी सीएम रहन औऱ उमिर रहे 26 साल। उनकर सरकारी होवाटसेप नम्बर पs हजारों लइकी शादी करे खातिर आपन बायोडाटा भेजत रही सs। कहला जाला कि करीब 35 हजार लइकिन से शादी के प्रस्ताव मिलल रहे। जब उनका से शादी के बारे में बिचार पूछल गइल तs ऊ कहले रहन, अभी तs हमार उमिर 26 साल ही बा। शादी खातिर बहुत बच्चा बानी। राहुल गांधी जी शादी नइखन कइले। कतना बड़-बड़ एक्टर लोग शादी नइखे कइले। अभी हमार सादी के कवनो बिचार नइखे। हमार शादी जब भी होई माता-पिता के पसंद अउर रजामंदी से होई। पांच साल आज तेजस्वी के शादी हो रहल बा। बेनीमाधो के बात सुन के रामनिहोरा कहले, सूने में आवत बा कि तेजस्वी अपना पसंद से बियाह कर रहल बाड़े। केहू कह रहल बा कि होखे वला दुल्हिन से ऊ पहिले से परिचित बाड़े। पता ना सांच बात का बा। एह मामला में परिवार के लोग भी साइलेंट बाड़े, एह से बात अभी किलियर नइखे भइल।

दिल्ली में बियाह, बिहार में चरचा
बनीमाधो कहले, खैर ! बात जवन भी होखे, ई मौका बहुत खुशी के बा। लालू जी के परिवार में बियाह बहुत धूमधाम से होत आइल बा। पटना में जब उनका ईहां परोजन होत रहे तब तरह तरह के बेअंजन बनत रहे। दिल्ली में भी तेजस्वी के बियाह के शानदार तइयारी बा। मोबाइल पs समाचार में शादी के तइयारी के झलक देखनी हं। मीसा भारती के फारमहाउस में बहुत टाइट सिकुरिटी में शादी हो रहल बा। आजकल भीआइपी शादी सिकुरिटी में करे के चलन हो गइल बा। अइसन शादी में मीडिया के नो इंट्री रहेला। तेजस्वी के बियाह में भी मीडिया के जाए पs रोक बा। ई शादी तs हो रहल बा दिल्ली में लेकिन पूरे बिहार में एकर चरचा हो रहल बा। लालू जी के राजनीति होखे चाहे काज-परोजन, ऊ चर्चा के बिषय बनिये जाला। बेनी माधव के बात सुन के रामनिहोरा कहले, चलs अब टीबी पs समाचारे देख के संतोख कइल जाव।

(अशोक कुमार शर्मा वरिष्ठ स्तंभकार हैं. यह उनके निजी विचार हैं.)

Tags: Bhojpuri, Bhojpuri News, Lalu Prasad Yadav, Tejashwi Yadav

विज्ञापन

राशिभविष्य

मेष

वृषभ

मिथुन

कर्क

सिंह

कन्या

तुला

वृश्चिक

धनु

मकर

कुंभ

मीन

प्रश्न पूछ सकते हैं या अपनी कुंडली बनवा सकते हैं ।
और भी पढ़ें
विज्ञापन

टॉप स्टोरीज

अधिक पढ़ें

अगली ख़बर