• Home
  • »
  • News
  • »
  • bhojpuri-news
  • »
  • Bhojpuri में पढ़ें मलिकाइन के पाती- पोलटिक्स में बहता बदलाव के बेयार

Bhojpuri में पढ़ें मलिकाइन के पाती- पोलटिक्स में बहता बदलाव के बेयार

.

.

पोलटिक्स में एह घरी भागा-भागी लागल बा। गुजरात में सीएम से लेके सगरी मंतरी बदला गइले। पंजाब में मुखमंतरी हटा दिहल गइले। बंगाल में बीजेपी छोड़ के बाबुल सुप्रियो ममता के संगे हो गइले। देश के पोलटिक्स के हाल बता रहल बाड़ी मलिकाइन अपना पाती में।

  • News18Hindi
  • Last Updated :
  • Share this:

पांव लागीं मलिकार ! बलेथा के बलेसर काका जब कबो अपना इहां आवस त एगो कहाउत बात-बात में कहस- बिलइया के नजर मूसवे पर रहेला। पूछल जाव कि ए बलेसर काका, आज मछरी बनत बा, रउरा खा लेब नू। तब ऊ इहे कहाउत सुनावस- बिलइया के नजर मूसवे पर रहेला। हम एही खातिर रउरा घरे आई ले कि रउरा घरे कलिया-मछरी बराबर बनेला आ हमरा खाये के मिल जाला। ओह घरी उनकर एह कहाउत के माने समझ में ना आवे, बाकिर एह घरी पोलटिक्स में जवन भागा-भागी लागल बा भा बदलाव हो रहल बा, ओकरा के देख के बलेसर काका के कहाउत के माने साफ बुझाये लागल बा।

पांड़े बाबा काल्ह बतावत रहुवीं कि बंगाल में सिनेमा के कवनो हीरो बाड़े बाबुल सुप्रियो। मोदी जी के वोट भइल त 2019 में बिलाई के भाग से सिकहर टूटल आ ऊ एमपी के चुनाव जीत गइल रहले। मोदी जी उनका के मंतरी बना दिहले। जब खूब हल्ला रहे कि अबरी ममता दीदी के हवा खराब बा त फूल छाप के मुखमंतरी बने खातिर उहो बेचैन रहले। मोदी जी के फूल छाप पाटी कहलस कि जा पहिले एमएलए बन के देखावअ। वोट में ऊ हार गइले। एकरा से उनकर कुछ बिगड़े के त ना रहे, एह से कि ऊ एमपी रहले। हार गइला के बादो एमपी रहिते। बाकिर मोदी जी उनका के मंतरी पद से हटा दिहले। ओकरा बाद ऊ खूबे नौटंकी कइले। कहले कि अब ऊ पोलटिक्स में ना रहिहें। ऊ फूल छाप भा कवनो पाटी में ना जइहें। बाकिर कहल जाला नू मलिकार कि चोरवा के मन बसे ककरी के खेत में, उहे भइल। ममता दीदी से भीतरे भीतर ऊ जोगाड़ बइठा लिहले आ दू दिन पहिले उनका पाटी में शामिल हो गइले।

ममता दीदी मुसलमान वोट के बूते अबकियो जीत गइल बाड़ी। पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि अबकी ममता दीदी के कुल 48 परसेंट वोट मिलल रहल हा। ओइमें अकेले 32 परसेंट वोट मुसलमान लोग के बा। फूल छाप के हरावे खातिर मुसलमान लोग हंसुआ-हथौड़ा वाली कमलिस (मलिकाइन कम्युनिस्ट के कमलिस लिखले बाड़ी) पाटी आ हाथ छाप वाली कांग्रेस पाटी के खटिया खड़ा क दिहल। पहिले मुसलमान लोग बेसी वोट एही दूनू पाटी के जात रहल हा। बाकिर अबकी सगरी मुसलमान वोट एकवट गइल आ ममता बनर्जी के जिता दिहल। ममता दीदी ई बात भुला गइली कि उनका हिन्दू बंगाली के वोट सोरहे परसेंट मिलल बा। जीत गइला के बाद त उनका सूतत-जागत परधानमंतरी बने के सपना आवे लागल बा। कबो दिल्ली में मीटिंग करत बाड़ी त कबो फूल छाप पाटी के टिकट पर चुनाइल एमएलए-एमपी के तूरे में जुटल बाड़ी। अबहीं ले दू गो एमपी आ तीन-चार गो एमएलए फूल छाप से तूर लिहले बाड़ी। पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि बाबुल के कवनो आपन वोट नइखे। ऊ मोदी जी के नाम पर जीत गइल रहले। उनका अइला-गइला से कवनो फरक नइखे परे के। ममता दीदी ई बात भुला गइल बाड़ी कि जहवां दू गो एमएलए फूल छाप पाटी के होत रहे लोग, ओइजा अब 77 गो एमएल चुनाइल बाड़े। फूल छाप पाटी त इहे चाहत बिया कि हिन्दू वोट एकवट जाव। एइमें ओकरा बंगाल में बड़हन कामयाबी भी मिलल बा। बिलाई के भाग से सिकहर टूटल एही के कहल जाला।

विनाश होखे के रहेला त बुद्धि भ्रष्ट हो जाला

एने सुनाता कि पंजाब में कवनो अमरिंदर सिंह मुखंतरी रहले हां। उनका से इस्तीफा कांग्रेस मांग लिहले बिया। टीविया पर हंसावे वाला सिद्धू साहेब के चढ़वला पर कांग्रेस उनका के हटावे के फैसला कइले बिया। सुने में आइल कि 40 गो एमएलए अमरिंदर के खिलाफ बाड़े। अमरिंदर एतना खिसियाइल बाड़े कि पंजाब में मोदी लहर के बादो ऊ कांग्रेस के झंडा बुलंद कइले आ 2017 में मुखमंतरी बनले। एही घरी ऊ मोदी जी आ अमित शाह से भेंट भी कइले रहले हां। ऊ इस्तीफा त दे दिहले बाड़े, बाकिर आगे का करिहें, ई कहल मुसकिल बा। मोदी आ शाह जी से भेंट कइला के एगो माने ई निकालल जाता कि कहीं ऊ फूल छाप पाटी में शामिल ना हो जास। इस्तीफा के बाद ऊ जवन कहले, ओकर माने त इहे निकलत बा। जवना सिद्धू के बात मान के कांग्रेस उनका के मुखमंतरी पद से हटवले बिया, ओकरा बारे में ऊ बड़ा खतरनाक बात कहले बाड़े। ऊ कहले कि सिद्धू के इयारी पाकिस्तान के पीएम आ उहवां के सेना के हेड बाजवा से बा। एही से पंजाब में हरवा हथियार पाकिस्तान से पहुंच रहल बा। पांड़े बाबा कहत रहुवीं कि अमरिंदर सेना में रहल बाड़े आ सन पैंसठ के लड़ाई ऊ पाकिस्तान के खिलाफ लड़ले बाड़े। एह से उनका बात में दम बा। कांग्रेस त असहीं रसातल में जा रहल बिया, अब त ऊ आपन एगो अउरी दुश्मन खड़ा लिहलस। एही के कहल जाला विनाश काले विपरीत बुद्धि।

फूल छाप पाटी सबका के लूर सिखा दिहलस

पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि फूल छाप पाटी सगरी पटियन के पोलटिक्स के लूर सिखा दिहलस। पहिले मोदी जी दू दर्जन मंतरी पिछड़ा जाति से बनवले। ओकरा बाद गुजरात में सगरी मंतरी-मुखमंतरी लबदल दिहले। हिन्दू, मंदिर के अइसन हवा फूल छाप पाटी चलवलस कि बाद में उहो लोग अपना के हिन्दू बतावे खातिर कवन कवन अधावत नइखे करत। मोदी जी के देखादेखी राहुल जी मंदिर-मंदिर घूमत बाड़े। मुसलमान वोट से जीतल ममता दीदी अपना के बाभन बतावे खातिर चंडी पाठ करत रहेली। सभे अब अपना के हिन्दू बतावे खातिर कवनो अधावत नइखे छोड़त। बाकिर कहल जाला नू कि नकल से अकल ना होला, ई साफ लउकत बा।

लात के देवता बात से ना माने

ए मलिकार, पाकिस्तान बड़ा लतखोर देश बा। देश-दुनिया में आतंक पसरावे खातिर ऊ बदनाम बा। तबो ऊ कहता कि ओकरा खिलाफ अफगानिस्तान में आतंकी साजिश रचा रहल बा। एने टटका बात पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि पाकिस्तान आ अफगानिस्तान में टरेनिंग लेके भारत में पइसल 6 गो आतंकी धराइल बाड़े सन। ओकनी से पूछताछ भइल हा त बतवले बाड़े सन कि तेवहार के सीजन में कई शहरन में बम फोरे के तेयारी रहल हा। एगो आतंकी त अउरी धराइल बा, जवन बतवले बा कि टरेन में गैस बम फोरे के तेयारी रहल हा। खुफिया पुलिस के खबर मिलल बा कि बंगाल आ बांग्लादेश से 18 गो छोकरा आतंक के टरेनिंग लेबे पाकिस्तान आ अफगानिस्तान गइल बाड़े सन। अब अइसन देश कहे कि ओकरा आतंक से खतरा बा, त ई ओकर थेथरई आ लतखोरइए नू कहल जाई मलिकार। इहो पता चलल हा कि कवनो दाउद बाड़े। ऊ पाकिस्तान में लुकाइल बाड़े। उनकर आदमी अबो अपना देश में भरल बाड़े सन आ खुराफात मचावे के तेयारी में लागल बाड़े सन।

गांव-जवार के हाल ठीक बा। करोना के हल्ला तनी कम भइल बा, बाकिर बचवन में बेमारी बड़ी जोर चलल बा। डाकदरी में गइला पर खाली बेमार बच्चे लउकत बाड़े सन। बंगाल में डेढ़ हजार बच्चा बेमार बाड़े सन। अबहीं ले एक दर्जर से बेसी त दम तूर दिहले बाड़े सन। ई कवन बेमारी ह, केहू के बुझाते नइखे। दिल्ली से डाकदर लोग बोलावे के बात चल रहल बा। आपन खेयाल राखेब। बाकी अगिला पाती में।
राउर, मलिकाइन

(ओमप्रकाश अश्क वरिष्ठ पत्रकार हैं। आलेख में व्यक्त विचार उनके निजी हैं)

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.

हमें FacebookTwitter, Instagram और Telegram पर फॉलो करें.

विज्ञापन
विज्ञापन

विज्ञापन

टॉप स्टोरीज