Home /News /bhojpuri-news /

Bhojpuri में पढ़ें मलिकाइन के पाती- बिहार उपचुनाव में तेजस्वी के तेज लउकल, बाकिर लालू के टोटरम काम ना आइल

Bhojpuri में पढ़ें मलिकाइन के पाती- बिहार उपचुनाव में तेजस्वी के तेज लउकल, बाकिर लालू के टोटरम काम ना आइल

.

.

बिहार में असेमली के दू सीट पर भइल उपचुनाव में जीत-हार अपना जगहा बा, बाकिर एगो बात साफ झलकत बा कि तेजस्वी जादो के तेज कम नइखे भइल. कांगरेस से नाता तूरल जरूर ललटेन के महंग पर गइल. लालू जादो के टोटरमो कवनो कामे ना आइल.

पांव लागीं मलिकार ! बिहार में असेमली के दू सीट- कुसेसर स्थान आ तारापुर के उपचुनाव में नीतीश कुमार के तीर निशाना पर लाग गइल. कुसेसर स्थान में त नीमन वोट से तीर छाप के कंडिडेट जीत गइले. डूबत-उतरात तारापुर में भी तीर के कामयाबी मिल गइल. बाकिर एगो बात साफ-साफ ई लउकता मलिकार कि ललटेन छाप के नेता तेजस्वी जादो के ताकत हारला के बादो कम नइखे भइल. इहो साफ कहल जा सकेला कि ललटेन अकेले चार दल से बनल एनडीए के मोकाबिला क के एतना वोट ले लिहलस. हाथ छाप से साथ ना छूटल रहित त तारापुर के सीट पक्का ललटेन छाप के मिल जाइत. एह से कि कांग्रेस के करीब 3590 वोट तारापुर में मिलल बा. तीर छाप के कंडिडेट राजीव सिंह 3852 वोट से जीतल बाड़े. एक संगे ललटेन आ हाथ रहित त नीतीश के खेल बिगड़ सकत रहे. पांड़े बाबा काल्ह टीवी तर से भर दिन उठनी ना. भोरहीं सात बजे से सांझ ले उहां के घर के टीवी पर खबर चलते रह गइल. सांझ के बेरा उहां के दुअरा कउड़ा पर जब लोग के जुटान भइल त उहां के भर दिन के खबर सुनावत रहनी. हमहू ओह बेरा संझवत देखावे दोगहा में आइल रहनी त थोड़ देर रुक के सुन लिहनी.

पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि देस के चौदह राज्य में 29 गो असेमली आ तीन को लोकसभा सीट पर उपचुनाव भइल रहल हा. उपचुनाव पर सभकर नजर रहल हा. एह से कि अगिला साल पांच स्टेट में असेमली चुनाव होखे वाला बा. उपचुनाव के रिजल्ट से अंदाजा लगावल जा सकेला कि पाबलिक के मूड कइसन बा. डीजल-पेटरौल, गैस जइसन जरूरत के हर चीज के महंगाई के केतना असर वोट पर परी. कवन पाटी केतना पानी में बा. इहे कुल्ह जाने-समझे खातिर जेतना लोग बेचैन रहल हा, ओतने सगरी पाटी में बेचैनी रहल हा. पांड़े बाबा कहत रहुवीं कि फूल छाप आ ओकरा संगे रहे वाली पाटी अबहियो बेसी सीट जीतले बाड़ी सन, बाकिर हाथ छाप के भाग भी अबकी चमकल बा. अब ओकरा के कम ना कूतल जा सकेला. हिमाचल में असेमली के तीनू सीट कांग्रेस जीत गइल बिया. ओइजा कांगरेस आपन दूगो सीट बचवले त बड़ले ही बिया, फूल छाप पाटी के एगो सीट भी झटक लिहले बिया. मंडी लोकसभा के सीट भी हाथ छाप फूल छाप से छीन लिहले बिया. हिमाचल में फूल छाप पाटी के सरकार बिया. उहवां त फूल छाप खातिर खतरा के घंटी टुनटुना गइल बा. बंगाल में चार सीट पर चुनाव भइल रहल हा. चारू पर ममता दीदी के लोग जीत गइल बा. उहवां त ई होखहीं के रहल हा.

बिहार के बतकही पांड़े बाबा करत रहुवीं कि नीतीश कुमार के तीर एह से चूके वाला ना रहल हा कि जवना दू सीट पर उपचुनाव भइल हा, ऊ पहिले उनहीं के रहे. ललटेन जवनी गंतिया तारापुर में पिठिअवले रहल हा, ओह से केतने लोग के सांस अंटकल रहे. एको सीट हारला के माने नीतीश कुमार के फजीहत मानल जाइत. बाकिर उनकर लाज बांच गइल. ई जरूर बा कि उनकर ताकत कम होत जाता. ललटेन के नेता तेजस्वी उनका के रगेदले चल रहल बाड़े. एह चुनाव में अकेले लड़ के ऊ आजमा लिहले कि केहू संगे रहे भा ना, उनका पाटी के कूबत कम नइखे.

पांड़े बाबा एगो अउरी बात कहत रहुवीं कि एह उपचुनाव से ई बात साफ हो गइल बा कि अगिला साल पांट स्टेट में होखे वाला असेबली चुनाव में विरोधी लोग जदि एक हो गइल त फूल छाप के पानी पिया दी. सबसे बड़ स्टेट यूपी बा, जहवां 2017 के चुनाव में फूल छाप के 39 परसेंट वोट फूल छाप के मिलल रहे. ओकरा में सात-आठ परसेंट के कमी भइल त फूल छाप पाटी हवा हो जाई. एकरा खातिर विरोधी लोग के एक भइल जरूरी बा. मायावती के हाथी छाप पाटी आ अखिलेस के साइकिल छाप पाटी अबे आपन-आपन राह पर चलत बाड़ी सन. हाथ छाप अलगे ताल ठोक रहल बिया. केजरीवाल के आम आदमी पाटी आ ममता दीदी के टीएमसी भी किस्मत आजमावे खातिर यूपी में उतरे के तैयारी में बा. साइकिल के असली वोट अहीर आ मायावती के दलित लोग ह. मुसलमान वोट जेकरा संगे एकमुश्त जाई, ऊ बाजी मार सकेला. बाकिर मुसलमान वोट बांटे खातिर केजरीवाल, ममता दीदी, ओवैसी अलगे आहुंड़ कुंचले बा लोग. एह तरे के बंटवारा भइल त फेर फूल छाप के रोकल मुसकिल होई.

पांड़े बाबा इहो कहत रहुवीं कि बिहार में रामविलास पासवान के बेटा चिराग के पाटी लोजपा (रामविलास), पप्पू जादो के जाप आ कांग्रेस के त बिहार में पहिलहीं से तय रहल हा कि एकनी का खाली वोट कटिहें सन. ऊ चाहे तीर छाप के वोट होखे भा ललटेन छाप के. एकर नतीजा भी सामने बा. दूनू के भद पिटा गइल. तारापुर असेमली सीट चिराग पासवान के जमुई लोकसभा सीट में आवेला. ओइजा तीर छाप के कंडिडेट राजीव सिंह बाजी मार लिहले. उनका 78966 वोट मिलल त ललटेन छाप कंडिडेट अरुण कुमार साह के 75145 वोट. जीत-हार के अंतर 3821 वोट के रहल. 2020 के असेमली चुनाव में तीर छाप से खड़ा भइल रहले मेवालाल चौधरी. उनका 64468 वोट मिलल रहे. ललटेन छाप से दिव्या प्रकाश रहली. उनका 57243 वोट आइल रहे. ओह बेरा 7225 वोट से तीर छाप के मेवालाल चौधरी जीतल रहले. उप चुनाव में जीत-हार के फरक घटल बा. ललटेन तब हाथ छाप के संगे रहे. अबकी ललटेन छाप हाथ के साथ छोड़ दिहलस. हाथ छाप के त जीते के उमेद कबो ना रहे. 3590 वोट ऊ जियान क दिहलस. अगर ललटेन के संगे रहल रहित त उमेद रहल हा कि तारापुर सीट ललटेन के मिल जाइत.

कुसेसरस्थान सीट पर कांग्रेस और चिराग पासवान के पार्टी लोजपा (रामविलास) लड़ाई में भलहीं ना रहल, बाकिर ललटेन के बाजा बजावे में एकनी के बड़ भूमिका हो गइल. लोजपा (रामविलास) के कंडिडेट अंजू देवी के 5623 वोट मिलल आ कांग्रेस कंडिडेट के 5602 वोट. ललटेन के कंडिडेट गणेश भारती 47184 वोट पवले. तीर छाप के अमन भूषण हजारी के 59882 वोट मिलल बा. करीब 12 हजार वोट से तीर छाप जीतल. हाथ छाप आ लोजपा (रामविलास) के हेलीकाप्टर अगर ललटेन के संगे रहित त खेल पलट सकत रहे. एह से कि दूनू 11225 वोट जियान क दिहली सन.

पांड़े बाबा कहत रहुवीं कि जवनी गंतिया बिहार में वोरोधी दल के महागठबंधन 2020 के चुनाव में एक होके लड़ल रहे, ओइसन गठबंधन अगर बाकियो स्टेट में बन जाव त फूल छाप के हवा बिगड़ जाई. बाकिर कहाउत कहल जाला नू कि बेंग कबो तराजू पर ना जोखा सकेले सन, उहे हाल विरोधी पटियन के बा. ई एक होइए ना सकेली सन.

काल्ह देवराई ह. लड़िका खूबे मुंह बनवले हां सन, बाकिर अबकी कवनो पड़ाका कीने से मना क दिहनी हां. दीया दस गो माटी के कीन लेले बानी, उहे बारेब. बेसी दीया बारे के हिम्मते नइखे परत मलिकार. तेल एतना महंग हो गइल बा कि तरकारी छेंवके के बेरा सोचे के परत बा. ठंडा सांझ से भोर ले परे लागल बा. रजाई निकाल के सुखा लिहले बानी. छठ में रउरा आवे के कहले रहनी. आयेब त हमरा खातिर एगो ऊनी चदरा लेले आयेब. लइकवन के कपड़ा एही जा किनाई. काहें से कि अब ओकनी के बड़ हो गइल बाड़े सन. नाप देख के कीने के परी. दवाई टाइम पर खात रहेब.
राउर, मलिकाइन
(ओमप्रकाश अश्क स्वतंत्र पत्रकार हैं. आलेखे में व्यक्त विचार उनके निजी हैं)

Tags: Bhojpuri News, Bihar election

विज्ञापन

राशिभविष्य

मेष

वृषभ

मिथुन

कर्क

सिंह

कन्या

तुला

वृश्चिक

धनु

मकर

कुंभ

मीन

प्रश्न पूछ सकते हैं या अपनी कुंडली बनवा सकते हैं ।
और भी पढ़ें
विज्ञापन

टॉप स्टोरीज

अधिक पढ़ें

अगली ख़बर