Home /News /bhojpuri-news /

Bhojpuri में पढ़ें मलिकाइन के पाती- बिहार में केहू लिहल कोरोना के 11 टीका

Bhojpuri में पढ़ें मलिकाइन के पाती- बिहार में केहू लिहल कोरोना के 11 टीका

.

.

बिहार के मधेपुरा जिला में 84 साल के एगो बूढ़ के कहनाम बा कि अबे ले ऊ करोना के 11 गो टीका लगवा चूकल बाड़े. एकरा बाद त हंगामा मच गइल बा. एकरा पहिले मोदी, शाह, जोगी, हेमंत सोरेन आ प्रियंका चोपड़ा के बिहार में टीका लिहला के खबर आइल रहे.

अधिक पढ़ें ...

पांव लागीं मलिकार ! जोगापुर के जियावन ठाकुर ठीके कहेले मलिकार, बिहार के जे बूझ जाव से मरद कहाई. पांड़े बाबा आज कई गो अइसन खबर सुनावत रहुवीं जवना से जियावन ठाकुर के कहलका सोरहनिया सांच लागे लागल बा. खबरिया सुन के कबो खूबे हंसी छूटत रहुवे त कबो कपार ध लेबे के मन करत रहुवे. पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि सरकार करोना रोके खातिर दूगो टीका लेबे के कहले बिया. एहू में अबे कुछ लोग अइसन बा, जे पहिलको टीका नइखे लिहेले. अब कमे लोग अइसन बांचल बा, जेकरा दोसरका टीका लेबे के बा. एही बीचे एगो अइसन खबर आइल बा कि सुन के केहू अंगुरी दांत से चबा ली. बिहार के मधेपुरा जिला में 84 साल के एगो बूढ़ बिना कवनो लाग लपेट के कहले बाड़े कि अबे ले ऊ करोना के 11 गो टीका लगवा चूकल बाड़े. एकरा बाद त हंगामा मच गइल बा. सुने में आवता कि उनका पर अब केस हो गइल बा. 11 टीका लगवावे वाला बरमदेव मंडल के कहनाम बा कि टीका लगावे वाला के पोल एइसे खुल गइल बा, एही से सभे खड़बड़ाइल बा. ओह बुढ़ऊ के घर मधेपुरा जिला के पुरैनी बलौक के औराय गांव में बा. ई ममिला तब सामने आइल, जब ऊ बारहवां टीका लेबे खातिर एगो सेंटर पर चहुंपल रहले. अब उनका पर करोना गाइडलाइन तुरला के केस भइल बा.

सिविल सारजन लगववले बाड़ी 5 गो टीका

पटना के सिविल सर्जन कवनो जनाना बाड़ी. सुने में आवता कि उहो अबे ले पांच गो टीका लगवा चुकल बाड़ी. कबो पेन काड त कबो आदार काड देखा के उनका पांच गो टीका लाग गइल बा. दू गो आदार काड पर आ दू गो पेन काड पर टीका लागल. जब एगो अउरी टीका के बात इल त उहो ले लिहली. एकरा के लेके अलगे हंगामा मचल बा. जांच-पड़ताल होता. उनकर कहनाम बा कि उनका कागज के फरजी इस्तमाल भइल बा. सांच बात का बा, ई त जांच के बादे पता चली.

पहिलहूं आइल चुकल बा गड़बड़ी के केस

पिछलका साल जब करोना के टीका देबे के काम शुरू भइल त कई जगहा से अइसन खबर सुने में आइल रहे कि बिना टीका लिहले साटिकफिटिक जारी हो गइल. नालंदा जिला से एगो केस त अइसन आइल रहे कि एगो जनाना पहिला टीका लिहलस आ दोसरका टीका के टाइम पूरा भइला पर जब लेबे गइल त मालूम भइल कि ओकरा त दुसरको टीका लाग गइल बा. सांच बात ई रहे कि ऊ पहिलके टीका लिहले रहे, ओकरा नांव पर दोसरा के टीका दिया गइल रहे भा कोटा पूरा करे खातिर दुसरका टीका लेबे वाला लिस्ट में ओकर नांव ढुका दिहल गइल रहे. 18 सितंबर 2021 के एगो अइसन केस सामने आइल रहे कि लोग सुन के भौचक रह गइल. एगो अइसन जनाना के टीका लगावे के साटिकफिटिक जारी भइल रहे, जवन पहिलहीं मर चुकल रहे. माने मुअलो आदमी के टीका लाग गइल. ई ममिला पुरइनिया (पूर्णिया) जिला में धराइल रहे. एही तरे एगो अउरी अजूबा केस बिहार में सुनाइल रहे. एगो आदमी नोयडा में टीका के लाइन में अपना बारी के राह देखत रहे आ एने अररिया जिला में ओकरा दोसरका टीका लगला के साटिकफिटिक जारी हो गइल.

मोदी, शाह आ जोगी जी के बिहार में लागल टीका !

पांड़े बाबा के बतावल खबरिया सुन के त कबो-कबो खूबे हंसी छूटत रहुवे. उहां के कहत रहुवीं कि बिहार अइसहीं दुनिया में नांव नइखे कइले, कई गो अइसन गुन इहां के लोग में बा, जवना से कहल जाला कि एगो बिहारी, सभका पर भारी. करोना टीका के बतकही में पांड़े बाबा जब ई बतावे लगुवीं कि बिहार के टीका एकदम कारगर बा. एही से बड़-बड़ लोग देस के कोना-कोना से टीका लेबे खातिर भागत-परात बिहार के गांव-गांव चहुंप रहल बा. उहां का बतावत रहुवीं कि थोरहीं दिन पहिले खबर आइल रहे कि दिल्ली छोड़ के प्रधानमंत्री मोदी जी, हाथ छाप पाटी के परिसडेंट सोनिया गांधी आ होम मनिस्टर अमित शाह बिहार के अरवल जिला के करपी पीएचसी पर टीका लगवावे आइल रहे लोग. टीका लगवा के चलियो गइल लोग आ केहू के कानोकान खबर ना भइल. ई बात ऊ लोग त ना बतावल, बाकिर ई जानकारी ओह फिरिस्त में लिखल नांव से लोग के मिल गइल, जवन टीका लगवावे वाला लोग के रहे.

एतने ले ना, बाहर के जेतना आदमी के टीका बिहार में लागे के खबर आइल बा, ओह फिरिस्त में अमिरका से भागल बिहार पहुंचे वाली सिनेमा के हिरोइन पिरयंका चोपड़ा के भी नांव बा. उनहूं के नांव करपी पीएचसी पर टीका लेबे वाला में लिखाइल बा. गया जिला के पीएचसी पर त यूपी के सीएम जोगी बाबा आ झारखंड के मुखमंतरी हेमंत सोरेन ले चहुपल बा लोग. ओहू लोग के बिहार आके टीका लिहला के खबर आइल रहे. अब एही से बूझल जा सकेला कि बिहार में कवनी गंतिया टीकाकरण हो रहल बा. एही के कहल जाला- अंधेरपुर नगरी, चौपट राजा.

बिहार में 10 करोड़ लोग के लाग चुकल बा टीका

बिहार में अबे ले करीब 10 करोड़ लोग के टीका लाग चुकल बा. ई सरकार के दावा बा. अब एक टीकारण में अइसनो नांव अगर होखे त कवनो अचरज के बात ना होखे के चाहीं, जेकरा मुअला के बाद टीका लागल होखे, जेकरा बिना टीका लिहले साटिकफिटिक मिल गइल होखे भा जे एगारह-बारह बेर टीका लगावा चुकल होखे. डागदरी महकमा के मंतरी जी के कहनाम बा कि एक करोड़ टीका एक महीना में लागल बा. टीकाकरण में जवनी गंतिया फरजीवाड़ा सुने में आवत रहल बा मलिकार, ऊ देख के त हमरा बुझाता कि एकर जांच करावे के जरूरत बा. कहीं अइसन त नइखे कि आंकड़ा गिनावे खातिर आलतू-फालतू नांव पर टीका देखा दिहल गइल होखे. अबे त कहीं कहीं से उड़त खबर सामने आवतारी सन. जांच हो जाव त पोले खुल जाई.

गांव-जवार के हाल मोटामोटी ठीक बा. तीन दिन से बरखा-बूनी होता. घाम उगते नइखे. बुझाता कि खिंचड़ी ले अब अइसने दिन रही. एही में बोखार-सरदी-खोंखी से लोग तबाह बा. पांड़े बाबा के दुआर पर जुटान होता, बाकिर उहां का अपना ओसारा में फरका-फरका कुरसी लगवा दिहले बानी. चाह-पानी बंद बा. खबर कागज अब हाथे-हाथे पाना बांट के केहू नइखे पढ़त. पांड़े बाबा पढ़ीले आ उहें का खबर लोग के सुनाई ले. सरसो के पटवनी हो गइल रहल हा.दुइए दिन बाद बरखा हो गइल. पटवन के हजार रुपिया पानी में चल गइल.
राउर, मलिकाइन
(लेखक ओमप्रकाश अश्क स्वतंत्र पत्रकार हैं. आलेख में उनके निजी विचार हैं.)

Tags: Bhojpuri News, Corona vaccine, COVID 19

विज्ञापन
विज्ञापन

राशिभविष्य

मेष

वृषभ

मिथुन

कर्क

सिंह

कन्या

तुला

वृश्चिक

धनु

मकर

कुंभ

मीन

प्रश्न पूछ सकते हैं या अपनी कुंडली बनवा सकते हैं ।
और भी पढ़ें
विज्ञापन

टॉप स्टोरीज

अधिक पढ़ें

अगली ख़बर