होम /न्यूज /bhojpuri-news /

Bhojpuri में पढ़ें मलिकाइन के पाती- दुनिया में सबसे जवान देस हो गइल बा आपन देस भारत

Bhojpuri में पढ़ें मलिकाइन के पाती- दुनिया में सबसे जवान देस हो गइल बा आपन देस भारत

.

.

यूएनडीपी के हिसाब-किताब में आपन देस भारत अबे जवानी पर बा. दुनिया में 121 करोड़ जवान आदमी बाड़े, जवना में 21 परतीसत अकेले अपना मुलुक मने भारत में अबे बाड़े. कई देस में त जवान होखे के उमिर चौदह से सोरह बरिस ले बा. ओह हिसाब से देखल जाव जवानी में आपन देस दुनिया में झंडा गाड़ दिहले बा.

अधिक पढ़ें ...

पांव लागीं मालिकार! कई गो अइसन चीज पहिले ना रहल हा, जवन अब सुने में आवता. माई खातिर दिन, बाप खातिर दिन, इयारी आ डागदर लोग के दिन. पहिले के जमाना में दुइए-तीन गो दिन हमनी के इयाद राखत रहनी सन. 26 जनउरी, 15 अगस्त आ गांधी-शिक्षक जयंती त इसकूल में पढ़त भर में खूब इयाद रहे. कबो-कबो तुलसी दास के जयंती आ चकुचंदा होखे. अब त एतना दिन मनावे के परता कि साल में शायदे कवनो दिन खाली जाव. पांड़े बाबा आज बतावत रहुवीं कि हर साल 12 अगस्त के दुनिया भर में जवान लोग के दिन मनावल जाला. एही के चरचा करत उहां के कवनो यूएनडीपी के नांव राखत रहुवीं. कहत रहुवीं कि यूएनडीपी के हिसाब-किताब में आपन देस भारत अबे जवानी पर बा. दुनिया में 121 करोड़ जवान आदमी बाड़े, जवना में 21 परतीसत अकेले अपना मुलुक मने भारत में बाड़े. कई देस में त जवान होखे के उमिर चौदह से सोरहीं बरिस राखल बा. ओह हिसाब से देखल जाव जवानी में आपन देस दुनिया में झंडा गाड़ दिहले बा. सबसे बेसी जवान लोग वाला जवन दस गो देस बाड़े सन, ओइमें भारत पहिला नंबर पर बा.

अपना देस के आबादी अबे 137 करोड़ बा. एइमें 18 परतीसत जवान आदमी बाड़े. आबादी के हिसाब से चीन अबहियो भारत से आगे बा. ओइजा आबादी 144 करोड़ बा, बाकिर ओइजा जवान आदमी 17 करोड़ मने 12 परतीसत बाड़े. अब चीन बुढ़ाता आ भारत में जवानी हिलकोरा मारता. चीन में आबादी कंटरउल करे खातिर 1979 में कानून बनल कि एक परिवार में एगो बच्चा होई. एही से ओइजा अब बूढ़ लोग बेहिसाब बढ़ल जाता आ जवान लोग घटल जाता. भारत में अबे ले एइसन कवनो कानून नइखे. एही से भारत जवान हो गइल बा. साल 2025 ले भारत जवान बनल रही. ओकरा बाद से जवान लोग बुढ़ौती में जाये लागी. तब हो सकेला कि जवान आदमी के आबादी कम हो जाव.

पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि जवान लोग के आबादी बढ़ल नीमन मानल जाला. जवान आदमी बेसी काम करेला. जवान के सोच नया होला आ ओकरा जरी गेयान भी बेसी रहेला. एही पर हमरा एगो बात मन पर गउवे मलिकार. अमवारी वाली बड़की इया के बहिन के सात गो लइका भइले सन त लोग कहे कि कहां से एतना मुंह के खोराकी जुटइहें. बाकिर लइकवा जब जवान भइले हां सन त कवनो ना कवनो काम में अझुरा गइले सन. तीन गो त अरब कमाये चल गइले सन. एगो बाजार पर नीमन दोकान क लिहलस. एगो गांवे में आटा मिल आ तेल मिल बइठा लिहले बा. दूनू छोटका इंजीयरी के पढ़ाई करतारे सन. एह घरी उनका घरे पइसा झांगा से बटोराता. पहिले ऊ छोट रहले सन त लोग हंसे. अब ऊ कमाये लगले सन त ओकनी के घरे अइला पर लोग चीउंटा-माटा अइसन अरिया-कगरी लपटाइल रहेला. इया बतावत रहुवी कि उनकर बहिन के दसो अंगुरी एह घरी घीव में बोराइल रहता.

संजुक्त राष्ट के आंकड़ा बतावता कि भारत के आबादी करीब 1.37 अरब हो गइल बा. चीन के आबादी 1.47 अरब बा. यूएन के एगो अउरी रिपोट बा, जवना में कहल गइल बा कि अब से लेके साल 2050 तक करीब 27 करोड़ 30 लाख लोग के आबादी भारत में बढ़े वाला बा. भारत 2017 ले आबादी के ममिला में चीन के पछाड़ दी. चीन 2016 के बाद दू गो संतान पैदा करे के नियम बनवलस. अब एकर असर चीन के आबादी पर पड़ी, बाकिर भारत अइसन ओकर आबादी ना बढ़ पाई. आवे वाला टाइम में चीन के आबादी घटत जाई आ भारत के आबादी चीन के पीछे छोड़ के ओकरा से आगे निकल जाई. चीन में आबादी घटला से काम करे वाला लोग के कमी हो सकेला. खरच भी घटी.

पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि आबादी देखल जाव त दुनिया के कुल आबादी अबे आठ अरब होखे वाला बा. एइमें जवान लोग के संख्या करीब 121 करोड बा. एकर मतलब ई भइल कि दुनिया के कुल आबादी के 18 परतीसत भारते में बाड़े. भारत में 25 करोड़ से बेसी जवान लोग बा. मतलब भारत के आबादी में 18 फीसदी हिस्सा जवान लोग के बा. एइमें 15 साल से लेके 25 साल तक के लोग शामिल बा. चीन में 12 परतीसत आबादी जवान लोग के बा. एह हिसाब से देखल जाव त जवानी के ममिला में चीन के पीछे छोड़ दिहले बा भारत. भारत में 15 से 30 साल के उमिर वाला लोग के जवान मानल जाला. एह हिसाब से अपना देस में 27 परतीसत आबादी जवान बा.

पांड़े बाबा के एगो बात पर हम त अचरज में पड़ गउवीं मलिकार. उहां के बतावत रहुवीं कि अपना देस के जवान भइला के अंदाजा एही से लाग जाता कि दुनिया के 168 मुलुक में जेतना आबादी बा, ओकरा से बेसी खाली पांच राज में अपना इहां वोट देबे वाला जवान बाड़े. यूपी, उत्तराखंड, पंजाब, मनीपुर आ गोवा में हाले असेमली के वोट भइल हा. ओइजा जेतना जवान लोग वोट दिहल हा, ओतना त कई देस के कुल्ही आबादी नइखे. एह पांच राज में जेतना लोग 18 से 19 साल के बा, ओतना दुनिया के 80 देस के आबादियो नइखे. विश्व स्वास्थ्य संगठन (हू) के फिरिस्त में 196 गो देस बाड़े सन. एइमें 168 गो देस अइसन बाड़े सन, जहवां के आबादी 800 से 5.17 करोड़ बा. वेटिकन सिटी एगो अइसन देस बा, जहवां मोटामोटी 800 आदमी के आबादी बा. कई गो देस त अइसनो बाड़े सन, जहवां ओतनो लोग ना होई, जेतना अपना एगो टोला में बा. भारत, चीन, पाकिस्तान, यूरोप, अमिरका समेत 27 गो देस अइसन बाड़े सन, जहवां के आबादी साढ़े पांच करोड़ से 144 करोड़ ले बा.

संजुक्त राष्ट 1999 में 12 अगस्त के इंटरनेशनल यूथ डे मनावे के अलाउंस कइले रहे. तब से हर साल 12 अगस्त के जवान लोग के दिन मनावल जाला. हर साल एकरा खातिर एकर थीम तय कइल जाला. जवान के काम चाही, पढ़ाई चाहीं आ मन मनसायन के साधन चाहीं. एतना हो जाव त जवान के काम देखीं.

तीन दिन से बरखा नधले बा मलिकार. खुल के बरिसतो नइखे. खाली झींसियात रहता. का बरखा जब कृषी सुखानी. धन के बीया झोंकर गइल, जवन रोपा भइल रहल हा, ऊ जर गइल. खाद-बीया आ बोरिंग के पानी के खरच डांड़ तूर दिहले बा. अइसहूं खाद-बीया एतना महंगा हो गइल बा मलिकार कि अब खेती में कवनो पोसाई नइखे. बाकिर खेतिहर का करस. उमेद में हर साल किसमत आजमावत रहेले. हम त अब ठान लिहले बानी, सगरी खेत परती रही. कातिक में देखल जाई. रबी के खेती होई.
राउर, मलिकाइन
(ओमप्रकाश अश्क स्वतंत्र पत्रकार हैं. आलेख में व्यक्त विचार उनके निजी हैं.)

Tags: Article in Bhojpuri, Bhojpuri

अगली ख़बर