Home /News /bhojpuri-news /

Bhojpuri में पढ़ें मलिकाइन के पाती- लालू जादो के खानदान में अब केहू नइखे बांचल बेदाग

Bhojpuri में पढ़ें मलिकाइन के पाती- लालू जादो के खानदान में अब केहू नइखे बांचल बेदाग

.

.

लालू जादो के खानदान में देखल जाव त बेटियन के छोड़ के केहू बेदाग अब नइखे बांचल. लालू त पहिलहीं से चारा घोटाला के कई ममिला में सजाय काट रहल बाड़े, अब चारा घोटाला के सबसे बड़ केस के सुनवाई एही महीना से शुरू होखे वाला बा. राबड़ी देवी, बेटी मीसा भारती, दामाद आ दुनू बेटा जांच के घेरा में आइए गइल बा लोग.

अधिक पढ़ें ...

पांव लागीं मलिकार ! लालू जादो फेर जेल जइहें का मलिकार. पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि जवना चारा घोटाला में उनका सजाय भइल बा, ओही घोटाला के एगो बड़का केस एही महीना में खुले वाला बा. रांची में कवनो डोरंडा कोषागार से पइसा निकलला के केस में एही महीना में जज साहेब फसिला सुना सकेले. एहू में अगर उनका सजाय हो जाता त फेर एक बेर जेल जाये के नौबत आ जाई. अबे ऊ इलाज खातिर जामिन पर बाड़े. लालू जादो के खानदान में देखल जाव त बेटियन के छोड़ के केहू बेदाग अब नइखे बांचल. लालू त पहिलहीं से चारा घोटाला के कई ममिला में सजाय काट रहल बाड़े, अब एही घोटाला के सबसे बड़ केस के सुनवाई एही महीना में शुरू होखे वाला बा. फसिला उमेद बा कि एही महीना में हो जाई. राबड़ी देवी, बेटी मीसा भारती, दामाद आ दुनू बेटा त जांच के घेरा में आइए गइल बा लोग. अबही ले बड़कू बेटा तेज परताप बांचल रहले हां, बाकिर उनहूं पर कवनो ममिला अब दरज हो गइल बा. पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि समस्तीपुर से जब तेज परताप चुनाव लड़ले त हलफनामा में जेतना संपत बतवले, ओकरा से बेसी संपत उनका लगे बा. एही के कहल जाला मलिकार- जस करनी, तस भोग ही पावा.

पांड़े बाबा कहत रहुवीं कि कोट कहले बा कि एह ममिला में जेतना लोग के नांव बा, सभकर हाजिर भइल जरूरी बा. चारा घोटाला के ई सबसे बड़ केस बा. एह केस में 112 आदमी के नांव बा. लालू समेत 99 लोग का ओर से बहस अबले भइल बा. बाकी जने का ओर से एही महीना में बहस हो सकेला. जेतना लोग के बहस पूरा हो गइल बा, ओइमें एक-दू जने त दुनिया से विदा भी हो गइल बाड़े. एही से कोट केस में शामिल सभकर हाजिरी जरूरी क दिहले बा. एकरा से ई पता चल जाई कि अबे केतना लोग जिंदा बा. लालू जादो जामिन पर बाड़े आ दिल्ली में उनकर इलाज होता. एह से उनका हाजिरी से छूट मिल सकेला. अइसन भइल त उनका ओर से उनकर वकील हाजिर होइहें.

ई त भइल चारा घोटाला के बतकही. एही बीचे इनकम टेक्स विभाग लालू जादो के नतइत लोग के बेनामी 12 गो संपत जपत कइले बा. एइमें लालू के बेटी मीसा भारती, बेटा तेजस्वी जादो आ जनाना राबड़ी देवी के भी संपत बा. लालू जादो के सीबीआइ कोट चारा घोटाला से जुड़ल कई ममिला में अलग-अलग सजा सुनवले बा. कोट चाईबासा, दुमका, देवघर कोषागार से अवैध तरीका से पैसा निकासी के ममिला में लालू के सजाय सुना चुकल बा. अब डोरंडा वाला ममिला में सुनवाई चल रहल बा, जवना में एही महीना में फसिला आवे के उमेद बेसी बा.

पांड़े बाबा बतावत रहुवीं कि लालू जादो आ तीर छाप के नेता जगदीश शर्मा जब चारा घोटाला में दोषी करार दिहल गइल लोग त लोकसभा से ओह लोगन के अजोग ठहरावल गइल रहे. एकरा बाद लालू जादो के लोकसभा के मेंबरी खतम हो गइल रहे. लालू ओकरा बाद 11 साल ले चुनाव ना लड़ सकत रहले. एह बीचे सीबीआई कोट से उनकर सजाय के सिलसिला शुरू भइल त अबहीं ले चलते बा. एह बीचे ऊ रांची जेल में रहले हां. तबीयत खराब भइला के वजह से उनका के दिल्ली ले जाये के छूट मिल गइल आ एकरा खातिर अबे उनका जमानत मिलल बा. नवका चुनाव कानून में संसद के मेंबरी गंवावे वाला लालू जादो पहिला एमपी आदमी रहले.

1997 में जब सीबीआई लालू के खिलाफ चारा घोटाला ममिला में आरोप-पत्र दाखिल कइलस त ओह बेरा ऊ बिहार के मुखमंतरी रहले. आरोप पत्र अइला के बाद उनका मुखमंतरी के गद्दी छोड़े के परल रहे आ तब ऊ राबड़ी देवी के मुखमंतरी बना दिहले. अपने ललटेन छाप पाटी के परसीडेंट बन गइले. उनका जेल में जाये के परल, बाकिर जेले से ऊ सरकार चलावत रहले. मोटामोटी सतरह साल तक मुदमा चलला के बाद सीबीआई स्पेशल कोट 3 अक्टूबर 2013 के पांच साल के जेल आ पच्चीस लाख रुपया के जुर्माना के सजाय सुनवलस.

डोरंडा कोषागार से 139.35 करोड़ रुपया के अवैध निकासी से जुड़ल ममिला में लालू जादो के अलावा, जगदीश शर्मा, डॉ. आरके शर्मा, ध्रुव भगत, पांच जने आइएएस, 30 जने जानवर के डागदर, छह जने एकाउंटेंट आ 56 जने सप्लायर शामिल बाड़े. एह ममिला में पिछलका बेर के सुनवाई में लालू का ओर से बहस भइल रहे. उनकर वकील कहले कि 1990 में स्कूटर, बाइक से मवेशी ढोआइल रहे. एकरा खातिर कोषागार से 26 हजार रुपये निकलाइल रहे. ओइमें लालू जादो के कवनो हाथ ना रहे. एइमें लालू कहीं से दोषी नइखन. अब फेर बहस होखे वाला बा.

ई कुल्हि त कहे वाला बात ह मलिकार. चोर कबो अपना के चोर कहेला का. बाकिर सीबीआई कोट अबे ले जवनी गंतिया लालू भा चारा घोटाला से जुड़ल केस में जेतना लोग के सजाय सुनवले बा, ओह से हमरा नइखे बुझात कि एहू केस में उनकर बखसाइस होखे वाला बा. एही के कहल जाला मलिकार- जस करनी, तस भोग ही पावा. हमरा इयाद परता सफी साहेब के एगो गीत के लाइन- जइसन करबअ, ओइसन पइब, ई दस्तूर पुराना बा. अब रउरे बताईं मलिकार कि पइसा खातिर अपने एह उमिर में लालू जादो गजन त सहते बाड़े, घर-परिवार के भी अइसन दागी बना दिहले कि केहू कबो जेल जा सकेला.

ऊपरवार खेत में बावग हो गइल. चंवर में एह महीना के आखिर ले बोअनी हो जाये के उमेद बा. खेत सूखल नइखी सन. सरदी-खोंखी आ बोखार एतना सजोर चलल बा कि जेनही जेकरा के देखीं, छींकते-खोंखत बा. हमरा बुझाता मलिकार कि इहे करोना ह. अबे ले हमनी ठीक बानी सन. लड़िकन के त हम दुआर छोड़ के कहीं जाहीं ना दीले. पांड़े बाबा हमरा से बेसी ओकनी के डांटत-हरकावत रहीले. गरजियन खानी उहां के सभकर हाल-चाल पूछत रहीले. झमड़ा पर लउकी खूबे लटकल बा. रउरा लउकी रूचेला. रहितीं त खूब तरकारी मिलित.
राउर, मलिकाइन
(ओमप्रकाश अश्क स्वतंत्र पत्रकार हैं. आलेख में व्यक्त विचार उनके निजी हैं.)

Tags: Bhojpuri News, Lalu Prasad Yadav

विज्ञापन
विज्ञापन

राशिभविष्य

मेष

वृषभ

मिथुन

कर्क

सिंह

कन्या

तुला

वृश्चिक

धनु

मकर

कुंभ

मीन

प्रश्न पूछ सकते हैं या अपनी कुंडली बनवा सकते हैं ।
और भी पढ़ें
विज्ञापन

टॉप स्टोरीज

अधिक पढ़ें

अगली ख़बर