• Home
  • »
  • News
  • »
  • bhojpuri-news
  • »
  • Bhojpuri में भी बनल बाटे कई गो सुपरहिट देशभक्ति फिल्म, 75वां स्वतंत्रता दिवस पर जरूर देखीं

Bhojpuri में भी बनल बाटे कई गो सुपरहिट देशभक्ति फिल्म, 75वां स्वतंत्रता दिवस पर जरूर देखीं

15 अगस्त भारत के इतिहास में हमेशा सबसे बड़ तिथि के रूप में इयाद कइल जाई. सभे अपना स्तर पर एह उत्सव में हिस्सा ले रहल बा, रउआ सभे भी लीं. हम एह उत्सव के खास बनावे खातिर रउआ लोग के वाचलिस्ट खातिर भोजपुरी के देशभक्ति फिल्म के बारे में बता रहल बानी.

  • Share this:

आजादी का अमृत महोत्सव मनावे वाला पर्व आ रहल बा. परसों भारत आपन 75वां स्वतंत्रता दिवस मनाई. इहे दिन रहे जब हमनी के हाथ में हमनी के राज मिलल. हमनी का खुल के जिए के, खुल के सांस लेबे के, आपन नियम कानून बनावे के, अपना जमीन के आपन कहे के आधिकारिक हक पवनी जा. 15 अगस्त भारत के इतिहास में हमेशा सबसे बड़ तिथि के रूप में इयाद कइल जाई. एह साल सरकार लगातार 75 सप्ताह तक आजादी का अमृत महोत्सव मनावे के संकल्प कइले बिया. सभे अपना स्तर पर एह उत्सव में हिस्सा ले रहल बा, रउआ सभे भी लीं. हम एह उत्सव के खास बनावे खातिर रउआ लोग के वाचलिस्ट खातिर भोजपुरी के देशभक्ति फिल्म के बारे में बता रहल बानी.

सभे के इयाद होई कि जब दूरदर्शन के जमाना रहे त 15 अगस्त अउरी 26 जनवरी के जरूर एक दू गो देशभक्ति फिल्म देबे आ तब लोग पूरा परिवार के साथे फिल्म देखे अउरी देशभक्ति के रस से सराबोर हो जाव. अइसन कई गो परिवार होई जेकर लइका-फइका क्रांति, हकीकत, हिंदुस्तान की कसम, बॉर्डर, तिरंगा आ कर्मा देख के जवान भइलें आ फेर आर्मी ज्वाइन कs के सीमा पर जवान बन गइलें. ई हवे फिल्म अउरी गीत संगीत के ताकत. जब लता दीदी 1962 के चीन-भारत युद्ध में शहीद भारतीय सिपहियन के याद में ‘ए मेरे वतन के लोगों जरा आँख में भर लो पानी’ गवली त लोग के साँचो में आँख भर गइल रहे. रफी के कर चले हम फिदा जानो तन साथियों केकरा भुलाइल बा. ‘नन्हा मुंहा राही हूँ, देश का सिपाही हूँ’ त बचपन के इयाद में अभियो शान से सँजोअल बा.

भोजपुरी में देशभक्ति फिल्मन के बहुत पुरान इतिहास नइखे. हाँ सामाजिक मुद्दा के केंद्र में रख के शुरुआत से भोजपुरी फिलिम बनली सन जे में देश प्रेम छिट-पुट कहीं कहीं आइल बाकिर हार्डकोर देशभक्ति फिल्म भोजपुरी के आधुनिक युग में बनल शुरू भइल ह अउरी धड़ल्ले से बनल ह. 2015 में दिनेशलाल निरहुआ के फिल्म ‘पटना से पाकिस्तान’ एह शृंखला में एगो बड़ अउरी सबसे सफल फिल्म बा. ई फिल्म एगो चलन शुरू कइलस. पाकिस्तान के केंद्र में रखके फिल्म बनावे के. जवन एक टाइम में हिन्दी फिल्मन में होखे. ए फिल्म के लेखक आ निर्देशक संतोष मिश्रा हवें. कहानी कबीर नाम के एगो युवा के बा जवन समाज में हमेशा मिसाल पेश करे खातिर अग्रसर रहsता. उ आतंकवादी द्वारा कइल बम विस्फोट में अपना पूरा परिवार के खो देता. उ प्रतिशोध में आतंकवादियन के खिलाफ आपन लड़ाई में पहिले सरकार से मदद मांगता, जवना पर सरकार के कवनो खास प्रतिक्रिया नइखे होत. ओकरा बाद भी उ निराश नइखे होत बल्कि अकेलही पाकिस्तान जा के आतंकवादी सन के खिलाफ लड़ाई लड़ता. एही बीच ओकर मुलाकात शहनाज नाम के एगो लड़कीसे होता. ए दूनो जाने के बीच धीरे-धीरे इश्क हो जाता. आगे के कहानी भी बहुते दिलचस्प बनल बा.

एह फिलिम के सफलता भोजपुरी में देशभक्ति फिल्म के बाढ़ लिआ देहलस. आ पाकिस्तान अउरी उहाँ के लड़की से इश्क एगो सफल फार्मूला बन गइल. फेर त बाद में आवे वाला बरिसन में अइसन खूब फिल्म बनली सन जवना में लइका भारत से रहे आ केहु तरे पाकिस्तानी लइकी से मिल जाव. हालांकि एह सब के बीच में कथाकार और निर्देशक लोग लॉजिक के पुड़िया बना के दियारखा में ध दिहल लोग. शाहरुख के एगो फिल्म आइल रहे ‘वीरज़ारा’, लगभग सभे देखले होई. उ फिल्म के प्रेरणा से भोजपुरी में इतना फिल्म बनल कि धूरा टूट गइल. मिसाल देखीं – चिंटू पाण्डेय के ‘दुल्हन चाहीं पाकिस्तान से’- एक अउरी दू, विशाल सिंह के ‘ले आइब दुलहिनिया पाकिस्तान से’, रानी चटर्जी के ‘इलाहाबाद से इस्लामाबाद’, यश मिश्र के ‘इंडिया वर्सेज पाकिस्तान’ अउर विक्रांत सिंह के ‘पाकिस्तान में जय श्री राम’ आदि. अभिनो एह तरे के फिल्म आइए रहल बाड़ी सन. पवन सिंह के फिल्म ‘गदर’ 2016 Mअपना गीत खातिर बड़ा मशहूर भइल बाकी एकरो कहानी कमोबेश पाकिस्तान में जाके उहां के लड़की से इश्क कइला के रहे. फिलिम में पवन सिंह एगो ब्राह्मण के बेटा रहलें जे धर्म-कर्म में काफी ध्यान देता आ ओकरा एगो पाकिस्तानी मुसलमान लड़की से प्यार हो जाता.

हालांकि एह तरे के देशभक्ति फिल्म के बाढ़ से पहिले आधुनिक दौर के शुरुआती दौर में एगो फिलिम आइल रहे ‘आपन माटी आप देश’. 2009 के ई फिलिम में रविकिशन आ हिंदी टीवी के नामचीन कलाकार सुदेश बेरी मुख्य भूमिका में रहलें. फिल्म में हिन्दी के बड़ कलाकार सुरेन्द्र पाल अउरी सिकंदर खरबंदा सहायक भूमिका में रहे लोग. फिल्म के कहानी एगो किसान आ जवान के रहे. उहे किसान जब खेत में होखे त किसान आ जब सीमा पर जाए त जवान. फिलिम में ई परेशानी भी देखावल गइल रहे कि कि कइसे एगो जवान देश खातिर अउर अपना लोग खातिर सब कुछ त्याग के सीमा पर लड़ेला आ उहे समाज के कुछ लोग ओकरा पत्नी, परिवार के परेशान करेला. हालांकि अइसन रउआ सभे आम जिनगी में अपना आस-पास में जरूर देखले सुनले होखब.

शुद्ध वार फिल्म जवना के कहल जाव उ फिलिम 2018 में पवन सिंह के आइल, नाम रहे ‘मां तुझे सलाम’. असलम शेख के लिखल आ निर्देशित कइल इ फिल्म भी ब्लाॅकबस्टर साबित भइल. फिलिम लगभग 1.7 करोड़ के लागत से बनल आ सिनेमाघर में बहुत अच्छा कलेक्शन कइलस.

खेसारीलाल यादव के भी एगो फिलिम ‘आतंकवादी’ 2017 में रिलीज भइल रहे. एह फिलिम से खेसारी बहुते वाहवाही बटोरले रहलन. शुभी शर्मा एह फिलिम में उनका साथे लीड रोल में रहली. एह फिलिम में भी भारत पाकिस्तान के बीच के संघर्ष ही मुख्य विषय रहे.

देशभक्ति फिलिमन के सफलता भुनावे में निरहुआ पीछे नइखन हटल उनके बैनर एगो फिलिम ‘बाॅर्डर’ लेके आइल. एह फिलिम के निर्देशक संतोष मिश्रा हवें. ई एगो मल्टीकास्ट फिलिम रहे अउर भोजपुरी सिनेमा के देशभक्ति फिलिमन में मील के पत्थर साबित भइल. फिलिम के प्रसिद्धि एही बात से समझल जा सकेला कि यूट्यूब पर एह फिलिम के करीब साठ मिलियन से भी ज्यादा व्यूज मिलल बा.

निरहुआ के 2019 में एगो देशभक्ति फिलिम ‘शेर-ए-हिंदुस्तान’ मार्च के समय में आइल जवन भारत-पाकिस्तान के कहानी से हटके भारत-नेपाल के सीमा से हो रहल आतंकी घुसपैठ आ तश्करी पर आधारित रहे. फिलिम के लेखक-निर्देशक मनोज नारायण विषय बदललें, ई भोजपुरी खातिर बढ़िया बात बा. फिलिम में निरहुआ एगो कमांडो के भूमिका में रहलें. फिल्म अच्छा व्यवसाय कइलस.

पवन के 2019 में दूगो फिलिम आइल ह. एगो ‘क्रेक फाइटर’ आ दूसरका ‘जय हिन्द’. ‘दुनू फिल्म कहानी के रूप में भी हटके रहली सन अउरी बॉक्स ऑफिस पर एकनी के कलेक्शन भी बढ़िया भइल. एह स्वतंत्रता दिवस के मौका पर अगर रउआ एह में से कवनो फिल्म देखे चाहत बानी त यूट्यूब पर नाम से खोज के आसानी से देख सकिलें.

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी सिनेमा और साहित्य के जानकार हैं. ये उनके निजी विचार हैं.)

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.

हमें FacebookTwitter, Instagram और Telegram पर फॉलो करें.

विज्ञापन
विज्ञापन

विज्ञापन

टॉप स्टोरीज