• Home
  • »
  • News
  • »
  • bhojpuri-news
  • »
  • Bhojpuri: भूतियो जगह पर होखेला फिल्मन के शूटिंग, बिपाशा बसु के मेकअप रूम में लउकल रहे भूत!

Bhojpuri: भूतियो जगह पर होखेला फिल्मन के शूटिंग, बिपाशा बसु के मेकअप रूम में लउकल रहे भूत!

भूतन के गाछ आ खंडहर से निकाल के पूरा दुनिया में विचरण करावे में फिल्म इंडस्ट्री के बड़हन हाथ बा. लोग अपना जिनगी में असली भूत देखले होखे भा ना बाकिर सिनेमाई भूत त जरुरे देखले-सुनले होई. लोक चर्चा में त हर गाँव में कुछ भुतहा जगह बा. त सिनेमा भी लोक आ समाज से अलग त बा ना. ओकरे के मिर्च-मसाला लगा के परोसत रहेला, जवना के हॉरर फिल्म कहल जाला.

  • Share this:
भूत-प्रेत, चुड़इल-जिन्न के कथा हमेशा से रोचक, डेरावन आ रहस्यमयी रहल बा. लगभग सबका घरे ग्रैंड पेरेंट्स के पास भूत भा चुरइल के साँचो के देखला के जिक्र बा. जे गाँवे रहल बा उ त बूझीं जे अइसन दू चार गो गाछ, बगईचा, मोड़ भा ईनार-पोखरा के बारे में जरूरे जानत होई जहां एगो अतृप्त आत्मा के वास बा आ उ हर रोज अपना तृष्णा में भटकेला. हमरो लगे अइसन कई गो कथा बा, एगो आपबीती भी बा बाकिर आज फिल्मन के बारे में बात होई.

फिलिम आ भूत-प्रेत, चुड़इल के नाता बहुते पुरान बा. हमरा कई बेर लागेला कि भूतन के गाछ आ खंडहर से निकाल के पूरा दुनिया में विचरण करावे में फिल्म इंडस्ट्री के बड़हन हाथ बा. लोग अपना जिनगी में असली भूत देखले होखे भा ना बाकिर सिनेमाई भूत त जरुरे देखले-सुनले होई. लोक चर्चा में त हर गाँव में कुछ भुतहा जगह बा. त सिनेमा भी लोक आ समाज से अलग त बा ना. ओकरे के मिर्च-मसाला लगा के परोसत रहेला, जवना के हॉरर फिल्म कहल जाला.

त हॉरर फिल्म माने भूतिया फिल्मन के कहानी में एगो चीज जवन सबसे खास होला उ होला जगह. एगो अइसन जगह जहवाँ भूत भा चुड़इल के डेरा बा. एही से रउआ देखले होखब कि पुरान किला, बंद पड़ल घर, वीरान जंगल, श्मशान घाट, कब्रिस्तान भा बंद सड़क के ही सेटअप में हॉरर फिल्म के कहानी के सेट रहेला. रउआ लोग के जान के आश्चर्य होई कि बहुत अइसन हॉरर फिल्मन के शूटिंग भी भूतिया जगह पर ही भइल. माने सीन में स्वाभाविकता लिआवे खातिर अइसन रिस्क लिआइल. अइसनो भइल बा कि कई गो सामान्य कहानी वाला फिल्म अइसन जगह शूट भइल जवन कथित तौर पर भूतिया रहे. उहाँ फिल्म से जुड़ल लोगन के नकारात्मक शक्ति के आभासो भइल.

भूतिया शूटिंग स्पॉट मुकेश मिल मुंबई

भूतिया शूटिंग स्पॉट के लिस्ट में सबसे पॉपुलर जगह बा मुकेश मिल मुंबई. समुद्र के किनारे बसल दक्षिण मुंबई के कोलाबा में ई मिल के बचल अवशेष भी देख के लोग के मन रोमांच से भर उठेला. ई एगो मात्र अइसन मिल बा जवन समुद्र किनारे बसल बा. एक टाइम में इहाँ कपास से कपड़ा बनावल जाव. ईस्ट इंडिया कंपनी एकर निर्माण 1870 में कइलस. फेर ई 20वीं सदी के मध्य तक आवत-आवत बंद हो गइल. ओकरा बाद 1975 में फेर से एह में निर्माण चालू भइल लेकिन 1982 में भीषण आग लागल आ मिल के सगरो हिस्सा जल गइल अउरी भारी संख्या में मजदूर जर के मर गइलें. ओकरा बादे से ई जगह भूतिया मानल जाये लागल. अइसन लोग कहेला कि उहाँ भूतन के साया हर समय मंडरात रहेला. साँझ के बाद उहाँ फिल्म क्रू काम ना कइल चाहेला.

एक बार त अइसन भइल कि जी टीवी के शो बनूँ मैं तेरी दुल्हन के हिरोइन काम्या पंजाबी एगो पागल के रोल करत रहली. एकर शूटिंग मुकेश मिल में चलत रहे. उ सुनले रहली कि जे शूटिंग करेला ओकरा साथे कुछ दुर्घटना होला. उनका साथे भी भइल. उनके गाड़ी खराब हो गइल. पर्स भुला गइल. बाकिर एक दिन जब शूटिंग होत रहे त शो में पागलखाना के उनका साथे पागल के रोल करे वाली लड़की अचानक आपन औरत के आवाज छोड़के मर्दाना के भारी आवाज में बोले लागल आ चिल्ला-चिल्ला के कहे लागल, “यहाँ से चले जाओ ये हमारी जगह है, मैंने मना किया था ना कि मत आना, चले जाओ.” सभे डेरा के भाग गइल. अइसहीं एक बार एगो फिल्म में लइकन के शूट होत रहे. एगो छोट लइकी आपन हाथ पीछे बान्ह के लागल ढिमिलिया खाए. सभे डेरा गइल, सभ लइका रोए चिल्लाए लगलsसन. ओ लइकी के पिता बतवलें कि जइसे उ अपना बेटी के लेके मिल से बाहर गइलें, बेटी ठीक हो गइल. अइसन कई गो आपबीती लोग के साथे भइल बा कि उहाँ सभे शूटिंग करे जाये से डेराला.

बिपाशा बसु के मेकअप रूम में के झाँकत रहे
ऊटी के फ़र्न हिल होटल जहवाँ सुपरहिट हॉरर फिल्म राज़ के शूटिंग भइल रहे, उहाँ घटल अजीब अजीब घटना के फिल्म से जुड़ल लोग जिक्र कइले बा. बिपाशा बसु के भी उहाँ अइसन महसूस भइल रहे कि केहू उनका मेकअप रूम में झाँकत बा. कोरियोग्राफर सरोज खान अपना टीम के साथे ओही होटल में रुकल रहली. एकदिन आधा रात के उनके नींद खुलल जब पहिला फ्लोर पर कुर्सी-टेबुल के उठापटक सुनली त उ रिसेप्शन पर फोन कइली त लाइन डेड बतवलस. अगिला दिने जब शिकायत कइली त रिसेप्शन वाला कहलस कि एह होटल में पहिला फ्लोर त हइए नइखे. सभे डेरा गइल.

इंग्लैंड के एलर्टन कैसल भी ह भूतिया शूटिंग स्पॉट
फिल्म 1920 साल 2008 के कमाऊ फिल्म रहे आ दर्शक के डेरवावे में सफल भी भइल. एह फिल्म के शूटिंग उत्तर यॉर्कशायर, इंग्लैंड के एलर्टन कैसल में भइल रहे. उहाँ के स्थानीय लोग के अइसन मान्यता बा कि एगो बढ़ई के आत्मा एह महल में रहेला जेके अरबपति मालिक ओकरा के मार देहलस. फिल्म के हिरोइन अदा शर्मा के साथे अइसन घटना भी भइल जब उ बाथरूम में रहली त दरवाजा अपना मने बंद होखे लागल, लाइट जरे बुताए लागल. फिल्म के कुछ एक दू क्रू भी अइसन घटना के जिक्र कइलें.

भूतिया फिल्म खातिर मशहूर रामसे ब्रदर्स

भारत में भूतिया फिल्म खातिर मशहूर रामसे ब्रदर्स जब आपन सफल भूतिया फिल्म ‘दो गज़ जमीन के नीचे’ के शूटिंग महाबलेश्वर में करत रहे लोग त ओकर अधिकांश हिस्सा कब्रिस्तान अउरी वीरान जगह पर शूट भइल. गंगूभाई रामसे कई बार महसूस कइलें कि जब आधा रात में उ लोग शूटिंग खतम करके लवटे लोग त केहू उनके पीछा करे आ जब उ पलट के देखस त केहू ना रहे. अइसन उनका साथे कई बार भइल. तब उ अपना भाई आ दोसर फिल्म से जुड़ल लोग से पुछलें. उहो लोग अइसन बात कहलें कि उनको साथे अइसन होला.

अइसन कई गो किस्सा-कहानी हॉलीवुड फिल्म जगत से भी जुड़ल बा कि जब उ लोग शूटिंग करे असली भूतिया लोकेशन पर गइल लोग त ओहू लोग के कुछ अजीबोगरीब आ अविश्वसनीय-अकल्पनीय घटनन के आभास होत रहल बा.
( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं.)

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.

विज्ञापन
विज्ञापन

विज्ञापन

टॉप स्टोरीज