Home /News /bhojpuri-news /

Bhojpuri Spl: फुरफुरा शरीफ के पीरजादा वाममोर्चा का संगे, का होई भाजपा-तृणमूल के नोकसान?

Bhojpuri Spl: फुरफुरा शरीफ के पीरजादा वाममोर्चा का संगे, का होई भाजपा-तृणमूल के नोकसान?

फुरफुरा शरीफ के पीरजादा अब्बास सिद्दीकी अब वाममोर्चा संगे हो गइलन. उनकर कहनाम बा कि तृणमूल कांग्रेस भाजपा के बी टीम ह. हमनी का भाजपा आ तृणमूल के उखाड़ फेंके खातिर कटिबद्ध बानी जा. कहतारे कि बंगाल के लोग ममता बनर्जी से नाराज बा. एह चुनाव में अब्बास सिद्दीकी 30 गो सीटन पर लड़िहें.

अधिक पढ़ें ...

पश्चिम बंगाल के विधानसभा चुनाव दिन ब दिन दिलचस्प होखत जाता. फुरफुरा शरीफ के पीरजादा अब्बास सिद्दीकी अब कहतारे कि ममता बनर्जी अहंकार के प्रतिमूर्ति हई. उनुका के हरावे के बा. पीरजादा के पार्टी- इंडियन सेकुलर फ्रंट (आईएसएफ), वाममोर्चा- कांग्रेस का संगे गठबंधन कइले बिया. कांग्रेस के नेता अधीर रंजन चौधरी कहतारे कि बंगाल में तिकोनी (त्रिकोणीय) लड़ाई होखी. तृणमूल कांग्रेस, भारतीय जनता पार्टी के अलावा ऊ तिसरकी ताकत अपना गठबंधन के बतावतारे.

अब्बास सिद्दीकी हाले में वाममोर्चा- कांग्रेस के रैली में कहुअन कि तृणमूल कांग्रेस भाजपा के बी टीम ह. हमनी का भाजपा आ तृणमूल के उखाड़ फेंके खातिर कटिबद्ध बानी जा. कहतारे कि बंगाल के लोग ममता बनर्जी से नाराज बा. एह चुनाव में अब्बास सिद्दीकी 30 गो सीटन पर लड़िहें. पहिले उनुकर मांग रहल ह कि वाममोर्चा उनुका के 70 गो सीट देउ. बाकिर वाममोर्चा उनुका के 30 गो सीट देले बिया. सिद्दीकी ए पर मानि गइल बाड़े. कहतारे कि वाममोर्चा उनुका के पांच सीट अउरी दे सकेले. अब्बास सिद्दीकी के पार्टी नंदीग्राम से भी लड़ेके तेयार बिया. समय बताई कि उनकर नंदीग्राम में कतना समर्थन बा. ऊ कहतारे कि एह चुनाव में ममता बनर्जी खाली हाथ रहि जइहें.

पीरजादा के एह बयान पर बांग्ला के मशहूर लेखिका तसलीमा नसरीन उनुका खिलाफ ट्वीट क के कहले बाड़ी कि अब्बास सिद्दीकी, जौन कि बंगाल में लेफ्ट पार्टी के साथे बाड़े ऊ शरिया कानून के मानेले. फ्रांस में टीचर सैम्युअल पैटी के हत्या के ऊ समर्थन कइले रहले. त अब्बास सिद्दीकी औरतन के समान अधिकार देबे के समर्थन करतारे? तसलीमा नसरीन एकर जबाबा खुदे देले बाड़ी- ना. तसलीमा कहतारी कि अब्बास सिद्दीकी औरत विरोधी हउवन. तसलीमा ट्वीट कइले बाड़ी कि अब्बास सिद्दीकी फ्री स्पीच आ साइंस में विश्वास ना करेले.

भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी (मार्क्सवादी)- संक्षेप में सीपीएम के महासचिव सीताराम येचुरी एगो नया राजनीतिक समीकरण के आशंका जतवले बाड़े. कहतारे कि जदि मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के पार्टी के बहुमत ना मिली त ऊ भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) का संगे सरकार बना ली. उनकर कहनाम बा कि तृणमूल कांग्रेस आ भाजपा के लड़ाई ऊपरी बा. ई दूनो पार्टी असली मुद्दा से भटकावतारी सन. दू दिन पहिलहीं कोलकाता के ब्रिगेड परेड मैदान में सीपीएम- कांग्रेस के संयुक्त रैली में सीताराम येचुरी कहुअन कि सबसे पहिले त तृणमूल कांग्रेस के हरावे के बा, काहें से कि उनुकरे कारन भाजपा बंगाल में ढुकल बिया. सन 1998 में ममता बनर्जी एनडीए सरकार में रहली. येचुरी कहतारे कि तृणमूल भाजपा का संगे झूठो के लड़तिया. ई देखावटी लड़ाई ह. दूनो पार्टी मिलल बाड़ी सन. वाममोर्चा के बढ़िया गठबंधन तृणमूल के भ्रष्ट सरकार के हरा दी. उनकर दावा रहुए कि उनुकरा रैली में दस लाख लोग आइल बाड़े. लोगन के ई उत्साह बतावता कि वाममोर्चा के भारी वोट मिली.

सीताराम येचुरी शायद भुला गइल बाड़न कि पिछला विधानसभा चुनाव में भी उनुका रैली में एहीतरे भीड़ भइल रहे, बाकिर माकपा का खाता में 26, भाकपा का खाता में खाली एगो, आल इंडिया फारवर्ड ब्लाक के खाता में दूगो आ रिवाल्यूशनरी सोसलिस्ट पार्टी (आरएसपी) के तीन गो सीट से संतोष करे के परल रहे. ई त सब जानता कि भीड़ वोट पावे के पैमाना अब नइखे रहि गइल. येचुरी कहुअन कि केंद्र सरकार जनविरोधी नीति बनावतिया. तृणमूल आ भाजपा के सरकार भ्रष्ट बाड़ी सन. एकनी के उखाड़ फेंके के बा. ममता बनर्जी बंगाल में ऊहे करतारी जौन केंद्र सरकार करतिया. कई लोग हमरा से पूछता कि जदि तृणमूल बहुमत में ना आई त का होई? त हम कहनी हं कि तृणमूल बंगाल में भाजपा का संगे सरकार बनाई.

रैली में कांग्रेस नेता अधीर रंजन चौधरी कहुअन कि ममता बनर्जी आ नरेंद्र मोदी के पॉलिटिकल डीएनए एके नियर बा आ दूनो में फरक कइल मुसकिल बा. कहुअन कि जेकरा लागता कि पश्चिम बंगाल में खाली तृणमूल कांग्रेस आ भाजपा में लड़ाई बा, ओकरा ई रैली के देख लेबे के चाहीं. बंगाल में लोकतांत्रिक आ सेक्युलर सरकार बनावे खातिर हमनी के समर्थन करीं सभे. हमनी के लक्ष्य ममता बनर्जी के कुशासन हटावल बा. संगे-संगे भाजपा के रोके के बा. ओने चुनावी पर्यवेक्षक कहता लोग कि पश्चिम बंगाल में कुल आबादी के 30 प्रतिशत मुसलमान आबादी बा. ई कुल आबादी अब्बास सिद्दीकी के वोट ना दी. एमें से बहुते वोट ममता बनर्जी के जाई. ममता बनर्जी के काफी अनुयायी मुसलमान समुदाय से बा लोग.

त पीरजादा अब्बास सिद्दीकी एघरी मीडिया का सामने कइसन बयान दे रहल बाड़े? एगो रिपोर्टर पुछलसि कि बंगाल में 30 परसेंट मुसलमान बाड़े. ओमें से कतना वोट रउरा पाइब? पीरजादा कहले कि रउरा खाली मुसलमान, मुसलमान मत करीं. हम सबकर सहयोग चाहतानी. हिंदू के वोट भी चाहतानी. आ कौनो सभा में का बोलतारे? कहतारे कि जेल में निर्दोष लोगन के बारे में सोचि के हमार मन दुखी बा. हजार- हजार निर्दोष हिंदू जेल में बाड़े आ लाख- लाख मुसलमान जेल में बाड़े. बाकिर हम ओह लोगन के जेल से छोड़ा ना सकेनी. त एही से हम ओह जगह पहुंचे के चाहतानी जहां से हम जेल से निर्दोष लोगन के छोड़ा सकीं.

एकरा बाद ऊ एगो विस्फोटक बयान देतारे. ऊ का? कहतारे कि बीजेपी (भारतीय जनता पार्टी) नांव के जौन दल आज चुनाव लड़ता, ऊ इस्लाम के दुश्मन ह, ई दल मानवता के दुश्मन ह, ई दल देश के दुश्मन ह. रउरा सभे कहब कि हम अपना धरम के बीच में काहें ले आवतानी. त हमार धरमे सिखवले बा कि देश से प्रेम करेके चाहीं. त बीजेपी देशवासियन के खिलाफ काम क रहल बिया. त अब्बास सिद्दीकी एकदम वाममोर्चा के भाषा बोल रहल बाड़न. राजनीति में कौनो पार्टी के देश के दुश्मन बोलल अतिरेक बा. विरोध करेके बा त ओह पार्टी के संतुलित ढंग से आलोचना करेके चाहीं. चाहे ऊ भाजपा होखे या दोसर कौनो पार्टी. भाजपा के आपन जमीन बा. ई पार्टी चुनाव लड़ि के सत्ता में आइल बिया. भाजपा, आम आदमी के वोट से सत्ता में आइल बिया. त ओकर सम्मान राखे के परी. (लेखक विनय बिहारी सिंह वरिष्ठ पत्रकार हैं.)

Tags: Bengal Election, Bengal Election 2021, Bhojpuri, Election 2021, Kolkata, West bengal

विज्ञापन

राशिभविष्य

मेष

वृषभ

मिथुन

कर्क

सिंह

कन्या

तुला

वृश्चिक

धनु

मकर

कुंभ

मीन

प्रश्न पूछ सकते हैं या अपनी कुंडली बनवा सकते हैं ।
और भी पढ़ें
विज्ञापन

टॉप स्टोरीज

अधिक पढ़ें

अगली ख़बर