Bhojpuri: निरहुआ से लेके पवन सिंह तक, रिलीज के बाट जोहत भोजपुरी फिल्म

मिला जुला के बात ई बा कि पहिले के फिल्मन के स्टॉक रहबे कइल ह, नयका आमद भी आ गइल ह. अब भोजपुरियो में रुकल फिल्मन के लमहर लिस्ट बा. कुछ के पोस्ट प्रोडक्शन चलत बा आ नगदे रिलीज के बाट जोहत बाड़ी सन. कुछ एक भोजपुरी फिलिम जवना के टीजर-ट्रेलर रिलीज भइल बा, आईं देखल जाव कि का ई कुल्ही रिलीज भइला के बाद बॉक्स ऑफिस के मोरचा छोड़इहे सन?

  • Share this:
कोरोना काल में फिल्म उद्योग बहुते चौपट भइल बा. सैकड़ों करोड़ के घाटा में त खाली भोजपुरिए फिलिम इंडस्ट्री होई, भारतीय फिल्म इंडस्ट्री के अबे छोड़ दीं. कोरोना के प्रकोप साल भर से बा बाकिर फिलिम त 2019 से अंटकल बाड़ी सन. कहे के माने 2019 में जवन फिलिम शूट भइली सन, ओह में पइसा लागल, उ अगिला साले रिलीज होखे खातिर तैयार रहली सन. तले कोरोना बेमौसम झंझावात लेखां आइल आ सब पर पानी फेर देहलस. भोजपुरी के कई दर्जन फिल्मन पर संकट छा गइल. फेर जब लॉकडाउन में छूट मिलल त कुछेक रिलीज भइली सन. बाकिर शूटिंग जवन रुकल रहे उ धड़धड़ा के शुरू भइल. नया फिल्मन के भी शूटिंग चालू भइल.

एह बेरी लोग चालाकी कइल आ बंबई के बाहरा शूटिंग कइल. भोजपुरी फिल्मन के अधिकांश शूटिंग या त बंबई आ ना त गुजरात के बॉर्डर वाला कुछ लोकेशन पर होला. गुजरात बंबई से नजदीक बा आ सस्ता लोकेशन मिल जाला त निर्माता लोग उहाँ शूट करेला. थोड़-मोड़ शूटिंग यूपी, झारखंड आ बिहार में भी होला. अनलॉकडाउन के बाद आउटडोर लोकैशन पर खूब शूटिंग भइल. ओने लंदनो में 5-6 गो फिलिम छापा गइली ह सन. मिला जुला के बात ई बा कि पहिले के फिल्मन के स्टॉक रहबे कइल ह, नयका आमद भी आ गइल ह. अब भोजपुरियो में रुकल फिल्मन के लमहर लिस्ट बा. कुछ के पोस्ट प्रोडक्शन चलत बा आ नगदे रिलीज के बाट जोहत बाड़ी सन. कुछ एक भोजपुरी फिलिम जवना के टीजर-ट्रेलर रिलीज भइल बा, आईं देखल जाव कि का ई कुल्ही रिलीज भइला के बाद बॉक्स ऑफिस के मोरचा छोड़इहे सन?

‘हम हैं राही प्यार के’
एह साल के शुरुआत में लंदन में कई गो भोजपुरी फिल्म शूट भइली ह सन. ओही में से एगो फिल्म ‘दुल्हिन वही जो पिया मन भाए’ होली पर रिलीज हो चुकल बिया. एगो पवन सिंह के फिल्म के ट्रेलर लॉन्च भइल बा, टाइटल बा ‘हम हैं राही प्यार के’. हिन्दी फिल्म से प्रेरित नाम बा. कहानी ओकरा से मिलत जुलत त नइखे लेकिन कवनो अलग हट के भी नइखे. कहानी बा एगो लंदन में जाके बस गइल भोजपुरिया परिवार के. शशि बाबू के उहाँ बिजनेस बा आ उनके बेटा विजय बाबू माने पवन सिंह एक नंबर के ऐय्याश बाड़ें, जे दिन भर दारू, लइकी आ सैर-सपाटा में रहत बाड़ें. अपना बाबू जी के कवनो इज्जत नइखन करत. बाकिर उनकर बाप के विचार बा कि बेटा के बियाह धूमधाम से करस. विजय के एगो लइकी मिलत बिया जे भारत से बिया. ई रोल साउथ के हिरोइन हर्षिका पूनाचा निभावत बाड़ी. उ विजय के परिवार से मिलत बाड़ी. लड़की त सभके पसंद आवत बिया बाकिर ओकर बाप से शशि बाबू के छत्तीस के आंकड़ा बा. एने हाली हाली सगाई त हो जात बा बाकिर विजय के अय्याशी नइखे छूटत. एह से रिश्ता टूट जाता आ साथे शशि बाबू के सपना भी. विजय बाप के डांटला के बाद घर छोड़ के चल जात बाड़ें. फेर क्लाइमैक्स में कइसे उ परिवार से मिलत बाड़ें, कइसे उ बियाह करत बाड़ें, इहे कहानी बा. कहानी में लंदन के सुंदर लोकेशन आ पवन सिंह के चार्म बा जवन दर्शक के थिएटर में खिंची.

‘आए हम बाराती बारात लेके’
निरहुआ के एगो फिल्म आवे वाला बा ‘आए हम बाराती बारात लेके’. ई फिल्म में फेर एगो नया हिरोइन जसविंदर कौर डैब्यू करत बाड़ी. फिल्म में कहानी के बैकड्रॉप फ्रेश बा. अक्सर निरहुआ के फिल्म में नायक के यात्रा देखावल जाला. माने हीरो गाँव से शहर जाई भा शहर से गाँव आई आ ओकर मुख्य कारण नायिका होई. ई बड़ा कॉमन बा. एहू फिल्म में निरहुआ मथुरा के मंटू के भूमिका में बाड़ें जे अपना हिरोइन राधा के पीछे-पीछे ओकरा गाँवे पंजाब के लुधियाना जात बाड़ें. लुधियाना के कवनो गाँव में एगो अजनबी के अइला पर सभके बरौनी तना जाता. राधा के भाई-बाप इनके बहुते खिलाफत करत बाड़ें आ उहाँ संघर्ष पैदा होत बा. जाहिर बा अइसन कहानी में हीरोइन खातिर एगो दूल्हा भी खोजाइल रहेला, इहवों खोजाइल बा. कइसे मंटू अपना राधा के पावे खातिर हर जतन करत बाड़ें, इहे कहानी बा. अगर ईमानदारी से बताईं त जइसे हम ट्रेन के सीक्वेंस देखवीं हमरा बुझा गउवे कि कहानी दिलवाले दुल्हनिया ले जाएंगे से काफी प्रेरित बा. बाकिर एह में हम्पटी शर्मा की दुल्हनिया के कथा के भी छौंक लागत बा. अब जब फिल्म थियेटर में आई त बुझाई कि कहानी केतना फ्रेश बा आ केतना खिचड़ी.

प्रेम गीत 2
प्रदीप पांडे चिंटू के 2019 में फिल्म प्रेम गीत आइल रहे ओकरे दोसर पार्ट प्रेम गीत 2 आवत बा. ई फिल्म लइका प्रेम अउरी लइकी गीत के प्रेम पर आइल परिवार के तूफान के कहानी बा. प्रेम अपना विधवा माई के साथे रहत बा. गीत के बाप बिजनेसमैन बाड़ें. नायिका के बाप प्रेम के माई के फजीहत करतारें त प्रेम लइकी के पीछा छोड़ देत बा. प्रेमी जोड़ा में दूरी आ जात बा. फेर क्लाइमैक्स में तनी फाइट बा. ओकरा बाद हैप्पी एन्डिंग. सभ कुछ सेट फॉर्मूला बा, सिवाय चिंटू के फाइट सीक्वेंस आ फिल्म के लोकैशन के छोड़ के. दुनू देखे आ तारीफ करे लायक बा.

दूल्हा ऑन सेल
आ सबसे अंत में, कुछ लोग के हम विशेष धन्यवाद देब जे भोजपुरी में अलग धारा बहवावे के कोशिश में लागल बा, बढ़िया फिल्म बनावे के कोशिश में लागल बा. B4U पर एक से एक लीक से हट के फिलिम के ट्रेलर रिलीज हो रहल बा जवन बड़ा सुखद बा कि खाली निर्माता आ कलाकार ही ना, रिकॉर्ड लेबल अउरी वितरक भी बढ़िया सिनेमा के सहयोग कर रहल बाड़ें. फिल्म दूल्हा ऑन सेल एही लिस्ट में एगो अगिला नाम बा. संदीप सिंह, नीलाभ तिवारी के निर्माण में अउरी संजय श्रीवास्तव के निर्देशन में फिल्म बनल बा. एह में अक्सरहा सहायक भूमिका निभावे वाला प्रतिभावान कलाकार प्रकाश जैस मुख्य भूमिका में बाड़ें. एगो अधिक उम्र के अविवाहित आदमी के दुल्हिन खातिर छिछियात देख कहानी में हास्य पैदा होता. कहानी तुरते मोड़ लेत बिया जब नायक के दुल्हिन मिल जात बिया.

कइसनो लइकी से बियाह करे के तैयार दूल्हा दहेज के मांग पर अड़ जाता. 5 लाख रुपिया में बियाह त हो जाता बाकिर बाद में धोखा के पता चलत बा कि लइकी पागल बिया. लइका ओकरा के छोड़े चाहत बा त ओकर डॉन भाई आपन पावर देखावत बा. मामला तालाक तक पहुंचत बा आ कोर्ट में सुनवाई चलत बा. उ लइकी पागल भले बिया बाकिर बिया त इंसाने, ओकरो में भाव बा, जान बा, एहसास बा. उ नायक से अटैच हो गइल बिया. बाकिर नायक ओकरा कमी के चलते ओकरा से पीछा छोड़ावत बा. कहानी क्लाइमैक्स में आके बड़ा मार्मिक हो गइल बा. रउआ जब फिल्म देखब त बुझाई कि आसे पास के ई कहानी बा. अभिनय, लेखन अच्छा बा. नॉन-स्टार वाला फिल्म में बजट ना होला उ साफ बुझाता बाकिर ओकरा के इग्नोर करीं त फिल्म बहुत सुंदर बा. अइसन फिल्म खूब बने के चाहीं आ लोग के आगे बढ़के एके देखे के चाहीं, सराहे के चाहीं कि निर्माता आ कलाकार के हौंसला बढ़ो.
(लेखक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं. )