Bhojpuri: फ़िल्मी पर्दा पर गर्दा उड़ावे वाली पूरब के हीरोइन लोग

शत्रुघ्न सिन्हा, मनोज बाजपेयी, सुशांत सिंह राजपूत के अलावा पूर्वांचल से कोई भी बड़ा हीरो फिलिम में धमाल ना मचइलस, लेकिन बात अगर हीरोइन के कइल जाव त प्रियंका चोपड़ा से लेके सोनाक्षी सिन्हा तक आपन नाम बनावे में कामयाब रहली.

  • News18Hindi
  • Last Updated: April 15, 2021, 2:52 PM IST
  • Share this:
जब फिल्म इंडस्ट्री के बात होला त सबसे पहिले हीरो आ हीरोइन के हीं चेहरा जेहन में उभरेला. फेर चर्चा चलेला कि फलनवा जगह के कलाकारन के मायानगरी में ढेर दबदबा बा, फलनवा राज्य के लोग इंडस्ट्री में बड़ा कम बा. अब जइसे उदाहरण के तौर पर देखीं त बिहार से सशक्त अभिनेता त हिन्दी फिल्म इंडस्ट्री में ढेर बाड़ें बाकिर बिहारी हीरो लोग बड़ा कम बा. शत्रुघ्न सिन्हा, मनोज बाजपेयी आ सुशांत सिंह राजपूत ही कुछ नाम बा जिनका के इंडस्ट्री हीरो के तौर पर काम देहलस आ लोग सुपरस्टार के रूप में स्वीकार कइलस.

रविकिशन भी बॉलीवुड में हीरो के रूप में ना उभरलें. अखिलेन्द्र मिश्रा, संजय मिश्रा भा पंकज त्रिपाठी के भी लोग एगो सशक्त अभिनेता के रूप में जानेला लेकिन जवन एगो कसौटी हिन्दी फिल्म उद्योग में सेट कइल गइल बा, ओह में एह दमदार कलाकार के चरित्र अभिनेता के टैग से बांध दिहल गइल बा. भोजपुरी फिल्मन में स्थिति अलग बा. अलबत्ता उ गायक से अभिनेता बनल लोग के प्रमुखता वाली इंडस्ट्री बा, एही से मनोज तिवारी, निरहुआ, खेसारी आ पवन सिंह हीरो बाड़े.

हीरोइन लोग के भी मोटा मोटी इहे कहानी बा. अधिकांश लोग करेक्टर रोल में खपल बा बाकिर कुछ लोग फ्रंट लाइन में आके आपन सशक्त उपस्थिति दर्ज करवले बा. आज पूरब के राज्य से पश्चिम में गइल अइसने कुछ अभिनेत्री के बात होई जे आपन सफलता के झण्डा गड़ले बा. पुरनका में कुमकुम एगो हिरोइन रहली जे बिहार के शेखपुरा बिहार के रहली आ 50-70 के दशक में मशहूर भइली. कुमकुम पहिला भोजपुरी फिल्म ‘गंगा मैया तोहे पियरी चढ़इबो’ में भी हिरोइन रहली. पुरनके जमाना के हिरोइन पद्मा खन्ना भी रहली जे हिन्दी आ भोजपुरी फिल्मन में हिरोइन के रोल कइली.

नयका दौर के बात कइल जाव त सबसे बड़ नाम बा प्रियंका चोपड़ा जोनस के. प्रियंका मिस वर्ल्ड बनला के बाद हिन्दी फिल्म के सफल हिरोइन आ फेर हॉलीवुड के भी चर्चित हिरोइन के रूप में आपन अइसन पोजीशन बनवले बाड़ी कि उनका संघर्ष आ सफलता के देख के लइकी सभ प्रेरणा ले ली. प्रियंका के जन्म 1982 में जमशेदपुर, बिहार (अब झारखंड) में भइल. उ 2000 में मिस वर्ल्ड के क्राउन जितली. 2003 में सनी देओल के साथे फिल्म ‘द हीरो’ से डैब्यू कइली आ फेर कबो पीछे पलट के ना देखली. उनका जीवन में नया मोड़ आइल जब उ 2015 में अमेरिकन टीवी सीरीज क्वान्टिको में मुख्य भूमिका कइली आ अपना अभिनय खातिर दु गो अवॉर्ड पवली. फेर त प्रियंका इंटरनेशनल शख्सियत हो गइली. साल 2018 में उ अमेरिकन सिंगर निक जोनस से बियाह कइली आ उहवें सेटल हो गइली.
दोसरका नाम सोनाक्षी सिन्हा के बा जे बिहार से बाड़ी बाकिर पैदा मुंबई में भइली. सोनाक्षी प्रसिद्ध अभिनेता आ बिहारी बाबू के नाम से मशहूर शत्रुघ्न सिन्हा के बेटी हई आ हिन्दी फिल्म उद्योग में आपन एगो खास मुकाम बनवले बाड़ी. सोनाक्षी आपन डैब्यू सलमान खान के साथे उनकर फिल्म दबंग से कइली आ देखते देखत लोग के नजर में आ गइली. उनके कई गो सफल फिल्म आइल जे में उ आपन अभिनय के दमखम देखवली. उनकर अगिला फिल्म अजय देवगन के साथ आवे वाला बा- भुज- प्राइड ऑफ इंडिया.

अगिला नाम बा भागलपुर बिहार के रहे वाली नेहा शर्मा के. नेहा के पिता कॉंग्रेस के नेता हवें आ नेहा फिल्म इंडस्ट्री के एगो नामचीन हिरोइन. नेहा साउथ इंडिया के तेलुगू फिल्म 'चिरुता’ से करियर शुरू कइली आ 2010 में इमरान हाशमी के ऑपोजिट क्रुक फिल्म से हिन्दी फिल्म में डैब्यू कइली. नेहा के अभिए कलर्स वूट ओटीटी पर ‘इलीगल’ वेबसीरीज आइल रहल ह जवना खातिर उनके बड़ा पसंद कइल गइल ह.

टीवी के दुनिया के साथे भोजपुरी फिल्म उद्योग में बड़ा नाम कमाए वाली एगो हिरोइन श्वेता तिवारी बाड़ी. श्वेता के जन्म बेला प्रतापगढ़ में भइल आ उ टीवी जगत में 1999 में कदम रखली बाकिर 2001 से प्रसारित होखे वाला सीरियल कसौटी जिंदगी के में बिंदिया के रोल कs के मशहूर हो गइली. श्वेता बाद में भोजपुरी फिल्मन के ओर रुख कइली आ बहुते सफल फिल्म देली. श्वेता अपना टीवी आ फिल्मी करियर के अलावा निजी जिंदगी में उठत विवादन खातिर भी जानल गइली.



भोजपुरी फिल्म जगत के एगो खूबसूरत आ सफल हिरोइन आम्रपाली दुबे भी एगो सामान्य परिवार से सफल अभिनेत्री के सफर तय करे में खूबे संघर्ष कइले बाड़ी. 1987 में गोरखपुर में जनमल आम्रपाली के टीवी में पहिला ब्रेक सात फेरे से मिलल जेकरा बाद उ कईगो सीरियल में खूब पसंद कइल गइली. उनके बड़ सफलता मिलल जब ऊ 2014 में निरहुआ के फिल्म निरहुआ हिन्दुस्तानी में सेकंड लीड में नजर अइली. एकरा बाद त उनके आ निरहुआ के जोड़ी एतना हिट भइल कि आजतक ई जोड़ी सफल हो रहल बा लगभग 25 से ऊपर फिल्म दे चुकल बा.

टीवी आ भोजपुरी फिल्मन के बड़ हिरोइन जे अपना बोल्ड अंदाज आ दमदार अभिनय खातिर बहुत पसंद कइल जाली, उनकर नाम ह अक्षरा सिंह. अक्षरा सिंह के जनम बिहार के पटना में भइल. उनके माई-बाप दुनू जाना थियेटर आ फिल्म के अभिनेता ह लोग. अक्षरा आपन स्क्रीन डैब्यू रविकिशन के ऑपोजिट फिल्म सत्यमेव जयते से कइली आ ओकरा बाद लगातार हिट पर हिट फिल्म देहली. उ भोजपुरी फिल्म मे हिट भइला के बाद 2015 में जीटीवी के शो काला टीका में लीड रोल कइली आ खूब देखल गइली. अक्षरा अब गायकी में भी आपन दमखम देखा रहल बाड़ी आ ए बेरा डिजिटल पर सबसे ज्यादा सुने जाए वाली भोजपुरिया स्टार सिंगर भी बनल बाड़ी.

फ़िल्मी पर्दा पर गर्दा उड़ावे वाली पूरब के एह हिरोइन लोग से पूरब के ओह लइकियन के बल आ प्रेरणा मिलत बा जेकर सपना बा हिरोइन बनल. एह इलाका के अभिभावक लोग के नजरिया भी अब बदलल बा. एगो समय रहे जब नाटक में जनाना पार्ट भी मरदने करे बाकिर अब त थियेटर आ नाट्य संस्थान से एगो अच्छा तादाद में लड़की लोग जुड़ रहल बा आ बॉलीवुड में छा जाए के सपना संजो रहल बा.

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं. )
अगली ख़बर

फोटो

टॉप स्टोरीज