Home /News /bhojpuri-news /

rajya sabha election 2022 will kapil sibal go to rajya sabha bhojpuri ashok kumar sharma

Bhojpuri में पढ़ें- सिब्बल जइहें राज्यसभा, बिहार से कि झारखंड से?

.

.

अभय अनुरागी अउर हेमंत हिमकर में गंभीर बहस चलत रहे. अभय अनुरागी पूछले, भारत में विपक्षी राजनीति के भविष्य का बा ? अखबार में पढ़नी हंs कि लंदन में एह बिषय पs सेमिनार हो रहल बा जवना में तेजस्वी यादव भी आपन बात रखिहें. 10 जून के राज्यसभा चुनाव होखे के बा.

अधिक पढ़ें ...

अभी राजद कंडिडेट के नांव पs चर्चे चलत रहे कि तेजस्वी लंदन चल गइले. ई बात सुन के हेमंत हिमकर कटाक्ष कइले, एही बात से समझल जा सकेला कि विपक्षी राजनीत के का हाल बा. अभी सलेक्सन बाकिये बा अउर टीम के कप्तान चल गइले परदेस. विपक्षी राजनीत खातिर जवन तेयाग अउर तपस्या चाहीं ऊ नदारत बा. आपुसे में खटपट बा. केहू ईर घाट जात बा, केहू बीर घाट. विपक्षी दल खुदरा-खुदरा में छिंटाइल बा. ऊ भला कइसे सत्ता पक्ष से मोकाबला करी ? सुने में आ रहल बा कि राजद में राज्यसभा चुनाव के चलते खटपट शुरू हो गइल बा. पांच में से दू सीट राजद के मिल सकेला. एक सीट तs मीसा भारती खातिर लगभग तय मानल जा रहल बा लेकिन दोसरा सीट पs खींचतान चल रहल बा. ई खींचतान से तेजस्वी अनराज बतावल जा रहल बाड़े. से ऊ चल देले परदेस. कई नांव के बीच कपिल सिब्बल के भी चर्चा चल रहल बा. कपिल सिब्बल 1998 में बिहार से राज्यसभा सांसद बन चुकल बाड़े. तब अभय अनुरागी कहले, अच्छा ई बतावs, राजनीतिक दल नामी वकील लोग के राज्यसभा में काहे भेजे ले ? एकरा पहिले राम जेठमलानी राजद के सांसद रहन. का वकील लोग के भारीभरकम फीस के बदले ई पोलिटिकल डील कइल जाला ?

चरचा में कपिल सिब्बल

अभय अनुरागी के सवाल पs हेमंत हिमकर कहले, कपिल सिब्बल के बिहार में ही ना बलिक झारखंड में भी चरचा चल रहल बा. ऊहां से भी राज्यसभा में जा सके ले. कपिल सिब्बल देश के नामी वकील हवें. दिल्ली के मशहूर सेंट स्टीफेंस कौलेज के ग्रेजुएट हवें. दिल्ली के लॉ ऑफ फैकल्टी अउर अमेरिका के हारवर्ड लॉ स्कूल से कानून के पढ़ाई कइले बाड़े. 1973 में आइएएस खातिर भी चुनाइल रहन. लेकिन ऊ वकलात में ही आपन किस्मत आजमावे के फैसला कइले रहन. उनकर एक भाई कंवल सिब्बल भारतीय विदेश सेवा के अधिकारी रहन. कपिल सिब्बल के विरासत में कानून के ज्ञान मिलल बा. उनकर बाबू जी हीरा लाल सिब्बल संयुक्त भारत के बहुत प्रतिष्ठित वकील रहन. कानून के ज्ञाता होखे के चलते कपिल सिब्बल के भी देश के टॉप वकील मानल जाला. ऊ सुप्रीम कोर्ट में एक बहस के 15 लाख तक रोपेया ले ले. हाई कोर्ट में भी एक बहस के 9 से 16 लाख के फीस ले ले. कौनो कौने केस साल दर साल चलते रह जाला. चारा घोटाला 1996 में भइल रहे. ओकर केस अभी तक चलिये रहल बा. अगर कवनो केस एतना लंबा चली तs वकील के हेभी फीस देवे में सोचs कि का हाल होई ? अगर कौनो नेता बड़हन कानूनी लड़ाई में फंस जाले तs लड़े खातिर नामी वकील के जरूरत पड़ेला. ऊ फीस देवे के बदले वकील लोग के राज्यसभा सांसद बनावे के डील कर ले ले. जइसे लालू जी चारा घोटाला केस में राम जेठमलानी के वकील रखने रहन. राम जेठमलानी देश के सबसे महंगा वकील रहन. ऊ एक बहस के 25 लाख रोपेया लेत रहन. तब लालू जी राम जेठमलानी के 2016 में राज्यसभा सांसद बना देले रहन. 2019 में उनकर निधन हो गइल रहे.

राजद में कपिल सिब्बल के चरचा

हेमंत हिमकर के बात जारी रहे. लालू जी के खिलाफ झारखंड में चारा घोटला के पांच केस चल रहल बा. पांचों में लालू जी के जमानत मिल गइल बा. जमानत मिले से ही लालू जी अभी बाहर बाड़े. एक केस पटना में चल रहल बा. एकर सुनवाई अभी जारी बा. लालू जी के अगर पटना वला केस में भी बेल मिल जाई तs उनका खातिर राहत के बात होई. अगर कपिल सिब्बल जइसन नामी वकील के साथ मिल जाई तs लालू जी के सहूलियत हो जाई. एह से चरचा चल रहल बा कि कपिल सिब्बल के राजद से राज्यसभा के उम्मीदवार बनावल जा सकेला. कहल जा रहल बा कि जवन कंडिडेट खातिर तेजस्वी पैरबी कर रहल बाड़े ओकरा नांव पs लालू जी राजी नइखन. लालू जी 2016 के तर्ज पर अबकी बेर भी मीसा भारती अउर एक नामी वकील के राज्यसभा में भेजल चाहत बाड़े. लेकिन तेजस्वी आपन पसंद के कंडिडेट देवे खातिर प्रेसर बनवले बाड़े.

झारखंड में भी कपिल सिब्बल पs अटकलबाजी

हेमंत हिमकर के बात पs अभय अनुरागी कहले, लेकिन तूं तs कहत रहs कि कपिल सिब्बल के चरचा झारखंड में भी चल रहल बा, एकर का मतलब बा? एक्के साथे उनकर दू जगे डिमांड बा ? हेमंत जबबा देले, झारखंड के मुखमंतरी हेमेंत सोरेन के चुनाव आयोग से नोटिस मिलल बा. हेमंत सोरेन के विधानसभा सदस्यता पs खतरा भंडरा रहल बा. उनका पs आरोप बा कि ऊ मुखमंतरी रहते अपना नांव पs खदान के लीज ले ले बाड़े, लाभ के दोहरा पद पs बाड़े. लाभ के दोहरा पद पर रहे के आरोप में उनकर बिधायकी रद्द होखे के खतरा बा. एह कानूनी संकट से राहत खातिर हेमंत सोरेन कपिल सिब्बल के आपन वकील बनवले बाड़े. दू दिन पहिले हाईकोट में जब हेमंत सोरेन के खिलाफ सीबीआइ जांच के मांग वला याचिका पs सुनवाई भइल रहे तब ऊ उनकर बचाव कइले रहन. अब रांची में चरचा चल रहल बा कि अगर कपिल सिब्बल हेमंत के एह संकट से उबार लिहें तs उनका के झामुमो से राज्यसभा के उम्मीदवार बनावल जा सकेला. ऊ झामुमो, कांगरेस अउर राजद के संयुक्त उम्मीदवार हो सकेले. अगर कपिल सिब्बल के पटना में काम के इनाम ना मिली तs झारखंड से मिल सकेला. अइसे अभी सभ अनुमान पर ही बात कहल जा रहल बा. अंतिम फैसला लालू जी चाहे हेमंत सोरेन ही कर सकेले. हेमंत हिमकर चुप भइले तs अभय अनुरागी हंसे के कहले, चरचा पs मुंहबानी खरचा कम करs, कुछ दिन में तs सच्चाई सामने आइए जाई.

(अशोक कुमार शर्मा वरिष्ठ पत्रकार हैं, आलेख में लिखे विचार उनके निजी हैं.)

Tags: Article in Bhojpuri, Bhojpuri

विज्ञापन

राशिभविष्य

मेष

वृषभ

मिथुन

कर्क

सिंह

कन्या

तुला

वृश्चिक

धनु

मकर

कुंभ

मीन

प्रश्न पूछ सकते हैं या अपनी कुंडली बनवा सकते हैं ।
और भी पढ़ें
विज्ञापन

टॉप स्टोरीज

अधिक पढ़ें

अगली ख़बर