• Home
  • »
  • News
  • »
  • bhojpuri-news
  • »
  • Bhojpuri: नदिया के पार से घर-घर के चंदन बन गइलें सचिन, भोजपुरी में भी कइलें फिल्म

Bhojpuri: नदिया के पार से घर-घर के चंदन बन गइलें सचिन, भोजपुरी में भी कइलें फिल्म

जे भी हिन्दी सिनेमा भा भोजपुरी सिनेमा में रुचि रखेला, ऊ "नदिया के पार" फिल्म जरूर देखले होई. एह फिल्म से अभिनेता सचिन के पहचान चंदन के रुप में घर-घर में हो गइल रहे. आज चंदन यानी सचिन के जन्मदिन ह.

  • Share this:

“नदिया के पार” फ़िल्म के ना देखले होई! जे भी हिन्दी सिनेमा भा भोजपुरी सिनेमा में रुचि रखेला, ई फिल्म जरूर देखले होई. हालांकि एह फिल्म के साथे एगो भ्रांति जुड़ल बा. आम जनमानस सोचेला कि ई फिल्म भोजपुरी में बनल बा अउरी नदिया के पार भोजपुरी फिल्म ह. ई बात सही बा कि फिल्म के भाषा, लोकेशन अउरी कहानी भोजपुरी आ अवधी पट्टी के मिश्रण पर बा. बाकिर नदिया के पार हिन्दी फीचर फिल्म ह. हाँ एकरा के जरूर आंचलिक हिन्दी फिल्म कहि सकेलीं, जवना लेखां फणीश्वर नाथ रेणू के उपन्यास मैला आँचल के कहल जाला. उपन्यास हिन्दी में बा बाकिर चरित्रन के संवाद स्थानीय बोली में बा. सचिन मने सचिन पिलगांवकर एह फिल्म के हीरो रहलें जिनके एह फ़िल्म में नाम रहे चंदन.

आश्चर्य देखीं कि सचिन मराठी के बड़ अभिनेता हवें अउरी जब उ 1982 में फिल्म ‘नदिया के पार’ कइलें तबले उनके बाल कलाकार के रूप में 64 गो मराठी अउरी हिन्दी फिल्म आ गइल रहे. उ साल 1975 से कई गो हिट फिल्म बतौर हीरो भी कर लेले रहलें – जइसे गीत गाता चल, बालिका वधू, अँखियों के झरोखे से आदि.

ई सँजोगे बा कि नदिया के पार नाम से एगो फिल्म सन 1948 में भी बनल रहे. फिल्म के लेखक-निर्माता-निर्देशक किशोर साहू रहलें. फिल्म में दिलीप कुमार अउरी कामिनी कौशल हीरो हिरोइन रहे लोग आ एह फिल्म में 8 गो गाना रहे आ सब भोजपुरी में रहे. मोती बीए जी लिखले रहनी. ई फिल्म भी 1948 के छठवां नंबर पर सबसे ज्यादा कमाई करे वाली फिल्म रहे. ओइसहीं 1982 वाला नदिया के पार भी साल के ज्यादा कमाई करे वाला फिल्मन के लिस्ट में जगह बनवलस. नदिया के पार राजश्री प्रोडक्शन बनवले रहे जवन एकर सफलता के बाद एही विषय के लेके 1994 में हम आपके हैं कौन बनवलस, जवन खूब सफल भइल. ई फिल्म कथाकार केशव प्रसाद मिश्र के कहानी कोहबर की शर्त पर बनल रहे. फिल्म के गीत – संगीत अउरी ओकर किरदार चंदन (सचिन) आ गुंजा (साधना सिंह) तक लोग के जेहन में आजुओ बसल बा.

4 साल के उमीर में ही फिल्मन में रोल करे के शुरुआत करे वाला सचिन के जन्म कोंकणी ब्राह्मण परिवार में भइल. सचिन के पिता जी के बंबई में प्रिंटिंग प्रेस के व्यापार रहे. उनके पिता जी फिल्म निर्माता भी रहलें. एही के कारण बचपने में सचिन के करियर के शुरुआत हो गइल. सचिन के बाल कलाकार के रूप में पहिला मराठी फिल्म ‘हा माझा मार्ग एकला आहे’ से शुरुआत भइल जवना खातिर उनके राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार मिलल. उ बाद में भी एगो रोल खातिर 19वां राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार से सम्मानित भइलें. सचिन के बचपन के उमिर में जूनियर महमूद के साथे जोड़ी खूब हिट भइल. दुनू जाना एके साथे लगभग 15 गो फिल्म कइल लोग. सचिन के कॉमिक टाइमिंग बचपने से गजब रहे. एही वजह से जब सचिन बड़ भइलें आ हिन्दी के साथे मराठी सिनेमा में काम करे लगलें त उनके कॉमिक टाइमिंग के बड़ी सराहना होखे. उ प्रसिद्ध मराठी कलाकार लक्ष्मीकान्त बेर्डे के साथे मिल के मराठी में हिट अउरी क्लासिक कॉमेडी फिल्मन के झड़ी लगा दिहल लोग. सचिन मराठी में कॉमेडी फिल्मन के एगो नया धारा बहवलें जवन आज ले चलत बा.

उ मराठी में फिल्म बनावेले भी अउरी अभिनय भी करेलें. उ मराठी सिनेमा के सफल फिल्म निर्देशक भी हउअन. उ जब आपन डैब्यू फिल्म बनावत रहलें त एगो नया हिरोइन सुप्रिया के कास्ट कइलें जे बाद में उनकर धर्मपत्नी बन गइली. इनके नाम ह सुप्रिया पिलगांवकर. अब उनके पत्नी टीवी सीरियल में काम करेली. दुनू जाना से एगो बेटी बाड़ी श्रिया पिलगाँवकर. श्रिया मिर्जापुर के पहिला सीजन में हिरोइन के भूमिका में रहली.

सचिन कइलें बाड़ें भोजपुरी फिल्म

मराठी होखला के बादो हेतना बढ़िया भोजपुरी एक्सेन्ट बोले वाला सचिन भोजपुरी फिल्म में भी नजर अइलें. उनके नदिया के पार भले हिन्दी में रहे बाकिर संवाद अदायगी में भोजपुरी के टच रहे. हालांकि एके साल बाद उ एगो विशुद्ध भोजपुरी फिल्म में नजर अइलें. ई फिल्म रहे ‘हमार भउजी’. ए में उनके हिरोइन रहली तनुजा. उहे तनुजा जिनके बेटी हई काजोल. तनुजा 80 के दशक के हिट हिरोइन रहली. फिल्म अच्छा व्यवसाय कइले रहें काहें एक साल पहिलहीं सचिन के ‘नदिया के पार’ आइल रहे अउरी सचिन के ठेठ किरदार सभके बड़ा पसंद आइल रहे.

सचिन के शुरुआत में अच्छा फिल्म मिलला के बाद छोट मोट रोल मिले लागल. उ फिल्म शोले’, ‘त्रिशूल’ अउरी ‘सत्ते पर सत्ता’ जइसन हिट फिल्मन में छोट बाकिर महत्वपूर्ण रोल निभवलें. बाकिर लीड आ विशेष रोल ना मिलला के चलते उ फिल्म निर्देशन में चल अइलें अउरी हिन्दी मराठी में कई गो सफल फिल्म बनवले बाड़ें. सचिन के टीवी में भी देखल जाला. उ टीवी सीरियल में काम भी करेलें अउरी कई गो के निर्माण भी करेलें. उनके 1990 के दूरदर्शन के कॉमेडी शो ‘तू तू मैं मैं’ के के भुला सकेला.

आज 17 अगस्त के उनके जन्मदिन ह. जन्मदिन के शुभकामना.

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं. यह उनके निजी विचार हैं. )

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.

हमें FacebookTwitter, Instagram और Telegram पर फॉलो करें.

विज्ञापन
विज्ञापन

विज्ञापन

टॉप स्टोरीज