Home /News /bhojpuri-news /

tejaswi yadav not in full power in bihar politics bhojpuri ashok kumar sharma

Bhojpuri में पढ़ें- का तेजस्वी के अभी फुल पावर नइखे मिलल?

.

.

चिंटू-पिंटू देहाती महफिल के राजनीतिक विश्लेषक रहन. चिंटू पूछले, का तेजस्वी के राजद में फुलफलेजेड पावर नइखे मिलल ? बाबा शिवानंद, लालू जी के काहे सलाह दे रहल बाड़े कि अब ऊ तेजस्वी के हाथ में टोटल कमान सौंप देस ? ऊ इहो चाहत बाड़े कि तेजस्वी के ही राज्यसभा अउर विधान परिषद के कंडिडेट चुने के अधिकार मिले के चांहीं. का अबकी बेर तेजस्वी के ई अधिकार ना मिलल ?

अधिक पढ़ें ...

पिंटू कहले, जब तेजस्वी सेमिनार में शामिल होखे लंदन चल गइले तब्बे से उनकर अनराजी के चरचा चल रहल बा. पाटी के मैटर से अधिक सेमिनार जरूरी ना रहे. एकरा बादो ऊ लंदन गइले तS जरूर कवनो बात रहे. लालू जी के पटना अइला के बाद मीसा भारती अउर फैयाज अहमद के राजद से राज्यसभा उम्मीदवार बना दिहल गइल. ई फैसला तेजस्वी के गैरमौजूगी में भइल, एह से बहुत लोग के मन में सवाल उठ रहल बा. का राजद के सियासी मौसम में कवनो बदलाव होखे वला बा ?

का लालू जी के जगह मीसा भारती लिहें ?

चिंटू पूछले, का राजद में राज्यसभा उम्मीदवारी खातिर कवनो उठापटक रहे ? का लालू जी इहे डिसिजन खातिर दिल्ली से पटना आइले ? ई काम तs ऊ दिल्ली मे बइठले कर सकत रहन. फेन ऊ पटना काहे अइले ? जरूर कुछ खास बात बा. जहां तक राजद –जदयू के मेल के संभावना रहे, अब तs उहो खतम हो गइल. काहे से कि भाजपा अब जातीय जनगणना पs चरचा खातिर सर्वदलीय बैठक में शामिल होखे पs राजी बिया. भाजपा के ई फैसला से राजद के उमेद पs पानी फिर गइल बा. लागत बा कि लालू जी राजद के ही कवनो प्रोबलेम सलटावे खातिर पटना आइल बाड़े. का राजद के रंगमंच पs कवनो नाया सीन सामने आवे वला बा ? कुछ दिन पहिले ‘हम’ पाटी बयान देले रह कि अब मीसा भारती, लालू जी के जगह लेवे वला बाड़ी. का ई बात अब सांच होखे वला बा.

मीसा भारती के सेवा-टहल से लालू जी खुश !

चिंटू रौ में बोलत जात रहन. तबीयत खराब होखे के कारण लालू जी बहुत दिन से मीसा भारती के साथे दिल्ली में रहत बाड़े. अप्रैल 2021 में जमानत मिलला के बाद ऊ मीसा भारती के घरे शिफ्ट भइल रहन. जब डोरंडा कोषागार मामला में लालू जी के 22 अप्रील 2022 के जमानत मिलल तs ऊ एक बेर फेन रहे खातिर मीसा भारती के घरे ही गइले. ऊहां से एम्स में इलाज करावे में सहूलियत बा. कहल जा रहल बा कि मीसा भारती के सेव-सुसुरसा से लालू जी बहुत खुश बाड़े. मीसा भारती ही लालू जी के लेके दिल्ली से पटना आइल रही. सोशल मीडिया में एगो फोटो चर्चा में बा. एह फोटो में फैयाज अहमद लालू जी के बगल में बइठल बाड़े. लालू जी के पटना अइला के एक दिन बादे मीसा भारती अउर फैयाज अहमद राज्यसभा के उम्मीदवार बन गइले. लेकिन एह सीन में तेजस्वी कहीं देखायी ना पड़ले. जब सब कुछ फाइनल हो गइल तब ऊ लंदन से पटना पहुंचले. का तेजस्वी के पावर में कटौती हो गइल बा ?

का सीन बदल रहल बा ?

पिंटू के सोच एक डेग आगा रहे. ऊ तेजपरताप खातिर भी नाया संभावना देखे लगले. कहले, एक बात गौर कइले ! लालू जी जब पटना अइले तs तेजपरताप के गाड़ी से 10 सरकुलर रोड पहुंचले. का एकरा में भी कवनो संदेश छिपल बा ? तेजपरताप के आरोप बा कि राजद में उनकर अनदेखी हो रहल बा. कुछ दिन पहिले ऊ इस्तीफा देवे के भी धमकी देले रहन. का लालू जी के आसीरबाद से तेजपरताप के रुतबा बढ़े वला बा? तेजपरताप अउर मीसा भारती के कौनफिडेंस एह घरी हाई नजर आ रहल बा. पिंटू के बात सुन के चिंटू कहले, लेकिन ई कहल जल्दबाजी होई कि अब तेजस्वी के हैसियत में कवनो कमी होखे वला बा. पटना अइला के बाद उनकर बोडीलैंगवेज बेलकुल बैलेंस रहे. ऊ राज्यसभा उम्मीदवारी पs खुल के बात रखले. जहां तक तक पावर के बात बा, राजद में लालू जी ही सुप्रीम पावर बाड़े. उनके सामने सब पावर फेल बा.

छुपा रुस्तम साबित भइले फैयाज अहमद

पिंटू सवाल पूछले, राजद के दू सीट में से एक मीसा भारती के मिली, ई त लगभग फाइनले रहे लेकिन दोसर सीट कइसे फैयाज अहमद के मिल गइल ? तब चिंटू जबाब देले, हां ! ई सही बा कि पहिले कई नांव चरचा में रहे ! कपिल सिब्बल, मुम्बई के नेता बाबा सिद्दिकी, शरद यादव के राजद से टिकट मिले के बात कहल जात रहे. ओह घरी फैयाज अहमद के नांव केहू ना लेत रहे. इहां तक कि शहाहुद्दीन के पत्नी हीन शहाब खातिर भी माहौल बनाव गइल. लेकिन बाजी मार ले गइले फैयाज अहमद. मीसा भारती डाक्टर हई तs फैयाज अहमद पराइबेट मेडिकल कौलेज चलावे ले. ऊ मधुबनी मेडिकल कौलेज संस्थापक हवें. एकरा पहिले 2018 में भी राजद कटिहार मेडिकल कौलेज के ओनर अशफाक करीम के राज्यसभा में भेजले रहे. फैयाज 2010 अउर 2015 में विस्फी से राजद के बिधायक रह चुकल बाड़े. 2020 के चुनाव ऊ हार गउल रहन. लेकिन अब ऊ पूर्व बिधायक से राज्यसभा सांसद बने के तइयारी में बाड़े. चिंटू के बात खतम भइल तs पिंटू दूरंदेसी सोच में कहले, हां ! अभी तs सभ ठीक बा, लेकिन देखs कि राज्यसभा चुनाव के बाद राजद के राजनीत कवन करवट बैइठे ला.

(अशोक कुमार शर्मा वरिष्ठ पत्रकार हैं, आलेख में लिखे विचार उनके निजी हैं.)

Tags: Article in Bhojpuri, Bhojpuri

विज्ञापन

राशिभविष्य

मेष

वृषभ

मिथुन

कर्क

सिंह

कन्या

तुला

वृश्चिक

धनु

मकर

कुंभ

मीन

प्रश्न पूछ सकते हैं या अपनी कुंडली बनवा सकते हैं ।
और भी पढ़ें
विज्ञापन

टॉप स्टोरीज

अधिक पढ़ें

अगली ख़बर