Home /News /bhojpuri-news /

Bhojpuri में पढ़ें: Vicky Kaushal-Katrina Kaif के शादी के तैयारी, कइल गइल बा पूरा किला बुक

Bhojpuri में पढ़ें: Vicky Kaushal-Katrina Kaif के शादी के तैयारी, कइल गइल बा पूरा किला बुक

बॉलीवुड के एगो जोड़ी के बियाह के चर्चा (Bollywood Weddings) खूब जोर पकड़ले बा. मीडिया में खूब एह बियाह के बात होखत बा. एह जोड़ी के नाम ह विक्की कौशल (Vicky Kaushal) अउर कैटरीना कैफ (Katrina Kaif). विक्की कौशल और कैटरीना कैफ के शादी (Vicky Kaushal Katrina Kaif Wedding) राजस्थान (Rajasthan News) में होई. दुनू जाना हिन्दी फिल्म उद्योग के सफल कलाकार बा लोग आ काफी प्रसिद्ध भी. कैटरीना त हालांकि पुरान चावल हई, विक्की कौशल अभी कुछ साल से इंडस्ट्री में बाड़ें. बाकिर उनके भी दबदबा बन गइल बा अउरी स्टार वैल्यू भी. कैटरीना 2003 में डैब्यू कइले रहली आ विक्की कौशल 2015 में.

अधिक पढ़ें ...

हीरो-हीरोइन के फिल्मन में बिआह होखे भा असल में, बड़हन अउरी भव्य त होखबे करेला. फिलिम में होला त लाख मुश्किल, बाधा के पार कइला के बाद होला, असलिहा में होला त बड़ा तामझाम कइला के बाद होला. अइसने एगो बियाह आजकल बड़ा चर्चा के बिषय बनल बा, कैटरीना कैफ अउरी विक्की कौशल के बियाह. दुनू जाना हिन्दी फिल्म उद्योग के सफल कलाकार बा लोग आ काफी प्रसिद्ध भी. कैटरीना त हालांकि पुरान चावल हई, विक्की कौशल अभी कुछ साल से इंडस्ट्री में बाड़ें. बाकिर उनके भी दबदबा बन गइल बा अउरी स्टार वैल्यू भी. कैटरीना 2003 में डैब्यू कइले रहली आ विक्की कौशल 2015 में.

एह घरी एगो चुटकुला बड़ा चल रहल बा. फिल्म संजु में विक्की कौशल रनबीर कपूर के साथे लउकलें उनके दोस्त के किरदार में. हालांकि फिल्म संजय दत्त के जीवन पर आधारित रहे आ ओह में उ अपना दोस्त के गर्लफ्रेंड के साथे प्राइवेट समय बीता लेतारें. जेकर ओकरा दोस्त के बड़ा मलाल रहत बा अउरी उ बदला लेबे के कहत बा. देखीं विकी कौशल अपना किरदार के बदला साधिए लेहलें. रनबीर कपूर के ढेर दिन ले रहल प्रेमिका कैटरीना कैफ के साथे बियाह करे जा रहल बाड़ें.

कैटरीना कैफ के नाम सलमान खान के साथे ढेर दिन ले जुड़ल रहल, फेर उ रनबीर कपूर के साथे भी रिलेशनशिप में रहली आ ओह लोग के बियाह होखे वाला रहे. फेर दुनू जाना में दूरी आ गइल अउरी रनबीर आलिया भट्ट के साथे हो गइलें अउरी कैटरीना विकी कौशल के साथे. दुनू जाना के बियाह के फंक्शन 7 दिसंबर से चले वाला बा. दुनू जाना राजस्थान के सवाई माधोपुर जिला के चौथ के बरवाड़ा में एगो फोर्ट होटल में बियाह करे वाला बा लोग.

भव्य किला में करी लोग दुनू जाना बियाह

मीडिया रिपोर्ट बता रहल बा कि कैटरीना कैफ अउरी विकी कौशल चौथ के बरवाड़ा के सिक्स्थ सेन्स फोर्ट बरवाड़ा में बियाह करी लोग. ई किला त महाराज बहुत भव्य बा, शानदार सजावट अउरी सुख – सुविधा वाला ई किला चौदहवीं शताब्दी में बनल रहे. राज परिवार के ई किला सात सौ साल पहिले बनल रहे, फेर बाद में एकरा के होटल में बदल दिहल गइल. ई किला राजस्थान के प्रसिद्ध देवी स्थल चौथ माता मंदिर के सामने बनल बा. किला के एक ओर मंदिर के व्यू मिलेला, एक ओर बरवाड़ा झील के नजारा मिलेला अउरी तीसरा ओर अरावली पर्वत श्रेणी लउकेला. लग्जरी खातिर जानल जाये वाला ई किला आम आदमी के बस में भी नइखे, तबे त खास लोग एकरा के बड़ा पसंद करेला. इहाँ सीधे सुइट बुक होला. एकर एक रात के रेट अस्सी हजार से शुरू होला अउरी 3,50,000 रुपिया ले जाला. इहाँ एगो विशेष सुइट बा जवन रानी राजकुमारी के नाम से बा, ओकर एक रात के किराया बा साढ़े तीन लाख रुपिया. हालांकि स्पेशल रिक्वेस्ट पर उहो रूम खुलेला जवन राज परिवार के खास कमरा हवे, एकर नाम बा ठाकुर भगवती सिंह सुइट आ राजा मान सिंह सुइट. एह दुनू के चार्ज भी बहुते बा अउरी सुख सुविधा भी.

महाराज सब पइसा के खेल बा. अगर रउआ भी चाहत बानी कि एक दिन राजा लेखां ठाठ करीं त इहाँ जा सकीलें, बढ़िया से बुकिंग भी होला. कई गो अमीर परिवार पूरा किला ही बुक करेला, जइसे कि कैटरीना कैफ अउरी विक्की कौशल कर रहल बा लोग. एह किला में 48 गो सुइट बा. सुइट के माने होला जे में रूम के अलावा हॉल, खाए के जगह, बालकनी आ जुड़ल टॉयलेट वगैरह होखे. कहे के माने कि रउआ जब रहीं त बुझाव कि होटल ना घर में बानी. त कुल जमा बात ई बा कि दुनू जाना अपना बियाह में पूरा किला बुक कइले बा लोग.

कैटरीना विकी के बियाह के लेके एह घरी एतना हल्ला बा जइसे कवनो राज्य के राजा रानी के बियाह में होखे. बहुते सीमित अतिथि के निमंत्रण मिलल बा आ सबसे एगो अग्रीमेंट भी साइन करावल गइल बा. केहू बियाह के एको फोटो ना खींची आ ना बाहर मीडिया में भा केहू और के शेयर करी. शादी के बारे में सब कुछ गुपचुप रखल जाई आ उ पूरा फंक्शन भर बाहर के दुनिया से कटल रही. अगर कवनो ड्रोन ऊपर से शादी के वीडियो भा फोटो लेबे के कोशिश करी ओकरा के मार गिरावल जाई. कहे के माने कि जइसे देश के प्रधानमंत्री भा राष्ट्रपति कहीं उपस्थित होले त अइसन सुरक्षा के बेवस्था होला. बाकिर ई त गजब बा भाई.

खैर, बड़ लोग के बड़ बात. एह सब बात के चलते जेतने चर्चा हो रहल बा, ओतने हंसी मजाक भी मीडिया में चल रहल बा. एही बीच मीडिया में एगो बात घूम रहल बा कि सलमान खान के आ उनके परिवार के कवनो निमंत्रण नइखे मिलल. जबकि कैटरीना के इंडस्ट्री में स्थापित करे में सलमान खान के बड़ हाथ बा. उ सलमान के परिवार से भी जुड़ल रहल बाड़ी. बाकिर हो सकेला कि पूर्व प्रेमी के बियाह में कैटरीना ना बोलावे के चाहत होखस कि कहीं उ खाली पूड़ी पोलाव ना खाए आवस, कुछ हल्ला – बवाला भी ना कर देस. 2008 में सलमान खान अउरी शाहरुख खान के बीच कैटरीना के जन्मदिन के दिने ही फयटा-फैटी हो चुकल बा, जवन बड़ा चर्चा के विषय बनल. फेर बाद में दुनू जाना में एगो मुंबई के नेता सुलह करवले रहलें.

तs, ई नया जोड़ा 7 दिसंबर से 9 दिसंबर के बीच चले वाला 3 दिन के लगन में पति पत्नी बने वाला बा. रउआ सभे हमरे लेखां शुभकामना दीं, काहें कि बरवाड़ा जाके पूड़ी पोलाव के लेव लगावे के मौका त मिले वाला नइखे. एही से अटी-पट्टी, गाँव जवार के लगन चाभ के फीलिंग ले लेहला के काम बा. जय हो!

( मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं। )

Tags: Bhojpuri, Bhojpuri News, Katrina kaif, Vicky Kaushal

विज्ञापन

राशिभविष्य

मेष

वृषभ

मिथुन

कर्क

सिंह

कन्या

तुला

वृश्चिक

धनु

मकर

कुंभ

मीन

प्रश्न पूछ सकते हैं या अपनी कुंडली बनवा सकते हैं ।
और भी पढ़ें
विज्ञापन

टॉप स्टोरीज

अधिक पढ़ें

अगली ख़बर