• Home
  • »
  • News
  • »
  • bhojpuri-news
  • »
  • Bhojpuri: काहे बिदुक गइलें बॉलीवुड कलाकार भोजपुरी सिनेमा से

Bhojpuri: काहे बिदुक गइलें बॉलीवुड कलाकार भोजपुरी सिनेमा से

भोजपुरी सिनेमा के आधुनिक दौर में जब मनोज तिवारी आ रविकिशन के स्टारडम के टाइम रहे त हिन्दी से बड़ बड़ स्टार लोग भोजपुरी फिल्मन में भूमिका निभावे आइल लोग. ओकरा बाद का जाने भोजपुरी से कइसन मोह भंग भइल कि हिन्दी के ए-लिस्ट के कलाकार इहाँ ना आवे के चाहेला. पढ़ीं...

  • Share this:
कला अउरी कलाकार कवनो भाषा आ क्षेत्र के सीमा में बंधल ना होला. हँ, ई बात बा कि हर कलाकार के एगो कार्यक्षेत्र होला, एगो विशेष कर्मभूमि होला, जहां उ लोकप्रिय भी होला. बाकिर कवनो बंदिश बा ना. उन्मुक्त गगन में उड़े के पूरा छूट बा. अब फिल्म अभिनेता लोग के हीं ले लीं. साउथ वाला हिन्दी में काम करता, हिन्दी वाला साउथ में, पंजाबी वाला हिन्दी में आ हिन्दी वाला मराठी में. भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में भी बहुत कलाकार अइसन बाड़न जे भोजपुरी भाषी नइखन. एक टाइम त बॉलीवुड के बड़का-बड़का सुपरस्टार लोग भी भोजपुरी सिनेमा में आइल, बाकिर अभी माहौल ठंडा बा. काहे ?

भोजपुरी सिनेमा के आधुनिक दौर में जब मनोज तिवारी आ रविकिशन के स्टारडम के टाइम रहे त हिन्दी से बड़ बड़ स्टार लोग भोजपुरी फिल्मन में भूमिका निभावे आइल लोग. ओकरा बाद का जाने भोजपुरी से कइसन मोह भंग भइल कि हिन्दी के ए-लिस्ट के कलाकार इहाँ ना आवे के चाहेला. शायद बाद में अश्लीलता खातिर बार-बार बदनाम होत फिल्म इंडस्ट्री एकर कारण हो सकेला.

भोजपुरी सिनेमा के गोल्डन एज एक से बढ़के एक बंबईया सुपरस्टार के स्वागत अपना फिल्मन में कइले बा. हिन्दी के प्रसिद्ध चरित्र अभिनेता नाजिर हुसैन त एह इंडस्ट्री के शुरुआते कइलें. उनका बाद राजेश खन्ना के साथे अक्सर फिल्मन में समानांतर भूमिका निभावे वाला सुजीत कुमार त इहाँ के फिल्मन के हीरो ही बन गइलें आ कई गो सुपरहिट फिल्म कइलें. सुजीत कुमार आ बंदिनी मिश्रा के फिल्म ‘पान खाए सइयां हमार’ में अमिताभ बच्चन अउरी रेखा मेहमान भूमिका निभावल लोग. उ अइसन टाइम रहे जब अमिताभ के सितारा बुलंदी पर रहे आ उनके जोड़ी रेखा के साथे हिट भी भइल रहे अउरी विवादित भी. हालांकि दुनू जाना फिल्म के अलग-अलग काल में लउकल लोग बाकिर फिल्म के पब्लिसिटी अइसे भइल जइसे दुनू जाना साथे काम करत बा लोग. रेखा एगो मुजरा पर नाचे वाली बन के अइली त अमिताभ क्लाइमैक्स में नाहर सिंह नाम के धुरंधर लठैत के रूप में जे गुंडा के बोलवला पर आवत बाड़ें बाकिर सच्चाई खातिर हीरो के तरफ से हो जातारें. महानायक एकरा बाद सीधे फिल्म गंगा में मनोज तिवारी आ रविकिशन के साथे 2006 में लउकलें. ई फिल्म उनके मेकअप मैन दीपक सावंत प्रोड्यूस कइले रहलें. ई फिल्म बहुत चलल. ओकरा बाद अमिताभ फेर अपना मेकअप मैन के ही दूगो अउरी भोजपुरी फिल्म गंगोत्री अउरी गंगा देवी में महत्वपूर्ण भूमिका निभवलें. उनका साथे गंगा में हेमा मालिनी त बाकी दू गो में उनके धर्मपत्नी जया बच्चन लउकली. ई दुनू फिल्म निरहुआ अउरी पाखी हेगड़े के साथे रहे.

साल 1985 में बिहारी बाबू माने कि शत्रुघ्न सिन्हा भी भोजपुरी में डैब्यू कइलें. उनके फिल्म बिहारी बाबू टाइटल से बनल आ काफी सफल रहल. शत्रुघ्न सिन्हा हिन्दी में तब सुपरस्टार रहलें आ बहुत फैन फालोइंग रहे. ओकरा बाद उ मनोज तिवारी के साथे दू गो भोजपुरी फिल्म में नजर अइलें. फिल्म राजा ठाकुर बिजनेस के हिसाब से काफी सफल भी रहल जे में राजा ठाकुर के रोल शत्रुघ्न सिन्हा के ही रहे. इंटरनेशनल दरोगा में भी उनके महत्वपूर्ण रोल रहल. हालांकि शॉट गन महुआ टीवी पर कौन बनेगा करोड़पति के भोजपुरी संस्करण के बनी करोड़पति भी लेके आइल रहलें जवन टीआरपी चार्ट पर अच्छा प्रदर्शन कइले रहे. शत्रुघ्न सिन्हा होस्ट रहलें.

मिथुन चक्रवर्ती भी भोजपुरी फिल्म में समानांतर भूमिका निभा चुकल बाड़ें. उनके मनोज तिवारी के साथे 2008 में फिल्म आइल रहे भोले शंकर. जे में उ शंकर के भूमिका में रहलें जे भोले के बड़ भाई रहत बा अउरी शहर के अमीर अउरी दबंग शख्सियत. फिल्म दू गो बिछड़ल भाई के कहानी रहे.

साल 2009 में जैकी श्रॉफ भी भोजपुरी में लउकलें. उनके मनोज तिवारी के साथे फिल्म आइल हम हईं खलनायक. फिल्म में मनोज नेगटिव भूमिका में रहलें. उनके किरदार छेनू हमेशा लोगन पर अत्याचार करत बा. ओकरा से लड़े खातिर जैकी के किरदार आवत बा अउरी अंत में छेनू के पाप से दुनिया के मुक्ति दिलावत बा. ई फिल्म भी सफल रहल.

ऊपर के दुनू फिल्म से पहिले साल 2006 में मनोज तिवारी के साथे ही अजय देवगन के फिल्म आइल रहे. अजय देवगन अपना साथी फिल्म प्रोड्यूसर के भोजपुरी फिल्म ‘धरती कहे पुकार के’ में महत्वपूर्ण भूमिका निभावे आइल रहलें. फिल्म में युवक अर्जुन जब गाँव के दबंग वीर महोबिया के जुर्म के खिलाफ आवाज उठावे लागत बा त सगरो गाँव के रक्षक बन जात बा बाकिर विलेन के नजर में खटके लागत बा. एहीजा अजय देवगन के किरदार के एसपी के रूप में एंट्री होता, जे अर्जुन के एह महाभारत में कृष्ण बनके मदद करत बा. ई फिल्म मुंबई के सिनेमाघर में कई हफ्ता तक हाउसफुल रहल.

हमरा हिसाब से हिन्दी के सुपरस्टार अइला के फायदा बड़ा रहे. ओह से फिल्म चर्चा में आ जाव. आसानी से पब्लिसिटी मिल जाव. लेकिन, अभी भोजपुरी फिल्म अपना कंटेन्ट के कारण चारु ओर बदनाम बा, शिक्षित आ बुद्धिजीवी वर्ग एकरा से लगभग कटिये गइल बा. भोजपुरिया प्रोड्यूसर लोग फिल्मन के मल्टीप्लेक्स रिलीज खातिर पापड़ बेल रहल बा लोग. भोजपुरी फिल्मन के बाजार सिकुड़ रहल बा. भोजपुरी सिनेमा अभी वेब सिरीज के कंटेंट नइखे बनल. भोजपुरी सिनेमा में साफ़-सफाई आ कंटेंट पर मेहनत के जरुरत बा. प्रस्तुति के दिशा में सजग रहला के जरुरत बा. अपना इंडस्ट्री में उ आकर्षण आ चमक पैदा कइला के जरुरत बा कि फेर से बॉलीवुड आ दोसरा भाषा के फिल्म इंडस्ट्री के कलाकार एने आवे खातिर तरसो आ आके संतुष्टि आ ख़ुशी महसूस करो. अब तक जे आइल बा, उ अपना के सौभाग्यशाली ना, ठगल महसूस कइले बा.

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं. यह उनके निजी विचार हैं.)

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.

विज्ञापन
विज्ञापन

विज्ञापन

टॉप स्टोरीज