लाइव टीवी

भोजपुरी न्यूज : महिला निर्वस्त्र मामला में आरा सिविल कोर्ट में 20 लोग दोषी, 30 नवंबर के होई सुनवाई
Bhojpur News in Hindi

News18 Bihar
Updated: November 28, 2018, 7:29 PM IST
भोजपुरी न्यूज : महिला निर्वस्त्र मामला में आरा सिविल कोर्ट में 20 लोग दोषी, 30 नवंबर के होई सुनवाई
प्रतीकात्मक फोटो

20 लोगन में से महिला के निर्वस्त्र कर बाजार घुमावे में कोर्ट 5 लोग के दोषी करार देलस. साथ ही 15 लोगन के एससी-एसटी एक्ट और दंगा भड़कावे के दोषी मानले बा. ई मामला में सजा 30 नवंबर के तय होखी.

  • Share this:
आरा से अभिनय की रिपोर्ट

बिहार के चर्चित महिला निर्वस्त्र मामला में आरा सिविल कोर्ट में अहम फैसला सुनावल गइल. ई कांड में एगो महिला के निर्वस्त्र करके पूरा बाजार में घुमावला के साथे-साथे एससी एसटी एक्ट अउरी दंगा भड़कावे के मामला में सुनवाई भईल. जेह में 20 लोग दोषी पावल गईल. 20 लोगन में से महिला के निर्वस्त्र कर बाजार घुमावे में कोर्ट 5 लोग के दोषी करार देलस. साथ ही 15 लोगन के एससी-एसटी एक्ट और दंगा भड़कावे के दोषी मानले बा. ई मामला में सजा 30 नवंबर के तय होखी.

ई मामला के सुनवाई एडीजे-वन आर.सी. द्विवेदी के कोर्ट में भईल हा. दोषी करार सब लोगन के सजा के बिंदु प सुनवाई और फैसला के अगिला तारीख 30 नवंबर के तय भईल बा. ई दौरान कोर्ट परिसर में मामला के सुनवाई के देखे खाती शहर के हजारों लोगन के हुजूम कोर्ट परिसर में उमड़ल रहे. भोजपुर पुलिस कोर्ट के फैसला के सुनवाई प विशेष सुरक्षा के इंतजाम भी कईले रहे.



याद रहे कि 20 अगस्त के जिला के बिहिया थाना क्षेत्र के शाहपुर निवासी विमलेश कुमार के हत्या कर शव के रेलवे ट्रैक पर फेंक दीहल गईल रहें. ई घटना से नाराज स्थानीय लोग गुस्सा में एक महिला के निर्वस्त्र करके सरेआम बाजार में नंगा घुमावे के घिनौना काम कईले रहे. गुस्साईल लोगन के गुस्सा अतना चरम पर रहे कि बाजार के करीब आधा दर्जन घर में भी आग लगा देले रहन. साथ ही बिहिया रेलवे ट्रैक से गुजरे वाला सिकंदराबाद एक्सप्रेस, जनशताब्दी एक्सप्रेस, विक्रमशिला एक्सप्रेस ट्रेन के निशाना बनाके पथराव भी कईलन.



वो समय के पुलिस अधीक्षक के निर्देश प पुलिस कार्रवाई करके 22 लोग पर प्राथमिकी दर्ज करके स्पीडी ट्रायल के अनुशंसा जारी कईल गईल. ए घटना में एगो जुबेनाइल और एक आदमी के फरार घोषित कर पुलिस कोर्ट में डायरी सौपलस. करीब 3 महीना के अंदर कोर्ट में पूरा मामला के सुनवाई कर 20 लोग के ई पूरा प्रकरण में कोर्ट दोषी मनलस.

ये भी पढ़ें -

भोजपुरी न्यूज: असों, धान के कटोरा में धान त बा, पर ओह में बाकी लागल बा

News18 Hindi पर सबसे पहले Hindi News पढ़ने के लिए हमें यूट्यूब, फेसबुक और ट्विटर पर फॉलो करें. देखिए भोजपुर से जुड़ी लेटेस्ट खबरें.

First published: November 28, 2018, 7:29 PM IST
पूरी ख़बर पढ़ें अगली ख़बर
corona virus btn
corona virus btn
Loading