लाइव टीवी

भोजपुर: बिहिया कांड के बीसों अभियुक्तन के सजा सुनावाल गईल
Bhojpur News in Hindi

News18 Bihar
Updated: November 30, 2018, 6:52 PM IST
भोजपुर: बिहिया कांड के बीसों अभियुक्तन के सजा सुनावाल गईल
न्यूज18 फोटो

प्रथम जिला और सत्र न्यायाधीश आर सी द्विवेदी पिछला 28 नवंबर के सब 20 लोगों के अभियुक्त घोषित करले रहन और आज उनकरा के सजा भी सूना देहलन.

  • Share this:
भारत दुनिया में आपन पहचान शांति के दूत के रूप के साबित कराले बाटे. लेकिन पिछला कुछ दिनन से देश लिंचिस्तान और लिचोक्रेसी जइसन शब्द से जाने जाईल जाता. ई शब्द देश के बदनाम करे में कोई कसर नईखे छोडले. आपन देश के सुप्रीम कोर्ट के आदेश भी भीडतंत्र प कुछो असर ना डालत रहे लेकिन आज आरा कोर्ट के प्रथम अपर एवम् सत्र न्यायाधीश प्रथम आर के द्विवेदी देश खातिर ऐतिहासिक फैसला सुनवले. कोर्ट ढेर नाम कमावे वाला बिहिया कांड में पांच आरोपियां के एससी-एसटी एक्ट और 354 धारा के तहत सात-सात साल के सजा और सबकरा पर दस-दस हजार रुपईया के फायिनो लगा देहलन. साथे साथे 15 अपराधियन रंजीत कुमार, राजबली सिंह, सत्यनारायण, लाखन, राजश, मुनि शाह, शुभम, अमित, सोनू, विक्की सूरज, विकास राजेश साह अरु बबुआ जी के धारा 147 के तहत दू-दू साल के जेल और दू-दू हजार के फाईल लगवले.

प्रथम जिला और सत्र न्यायाधीश आर सी द्विवेदी पिछला 28 नवंबर के सब 20 लोगों के अभियुक्त घोषित करले रहन और आज उनकरा के सजा भी सूना देहलन.

ये भी पढ़ें- तेजप्रताप ने डंके की चोट पर किया लड़ाई का ऐलान, ऐश्वर्या को नोटिस जारी



शहर में ई फैसला के चर्चा बाटे. सभे कहत बाटे कि इ फैसला भीड़तंत्र में मुंह पर तमाचा जैसन बाटे और अब कोहू जल्दी एह तरह के कांड करे के हिम्मत ना करी.



इहे साल के अगस्त महीना के 20 तारीख के एगरो दलित महिला के भीड़ नंगा करके रोड पर घुमावाले रहे. इतने ना, भीड़ में जे लोग भी रहे शबे बिहिया में दंगा फैलावत रहे और आगजनी भी कईले रहे.

अभियोजन पक्ष के वकील सत्येन्द्र कुमार सिंह कोर्ट के फैसला के बाद बतवले कि पीड़िता परिवार के साथ कोर्ट न्याय कईले बाटे. यू आगे कहले कि एह तरह के न्याय से कोर्ट पर लोगन के भरोसा बनी.

ये भी पढ़ें- कल भी घर नहीं लौटे तेजप्रताप, दोस्तों के घर गुजारी रात!

एह जगहा पर बतावल जरूरी बाटे कि समाज के झकझोरे वाला घटना 20 अगस्त के बिहिया में घातल रहे. जेकरा में कुछ लोग ईगो लायिका के गर्दन मरोड़ के मार दिहल गईल और वोकरा लाश के रेल के पटरी प फेक दिहल गईल. जब लोगन के नजर यु लाश प पडल तो लोग्बाग आपन पारा खो देहल और तोड़-फोड़, आगजनी पर उतारू हो गईल. इतने ना, लोगबाग ईगो महिला के घर में घुस के उक्ररा घर में भी आग लगा के वो महिला के कपड़ा फाड़के और वोकरा के नंगा करके रोड पर घुमावे लागल.

News18 Hindi पर सबसे पहले Hindi News पढ़ने के लिए हमें यूट्यूब, फेसबुक और ट्विटर पर फॉलो करें. देखिए भोजपुर से जुड़ी लेटेस्ट खबरें.

First published: November 30, 2018, 6:52 PM IST
पूरी ख़बर पढ़ें अगली ख़बर
corona virus btn
corona virus btn
Loading