लाइव टीवी

भोजपुरी न्यूज: बिहार विधान मंडल में हाई वोल्टेज ड्रामा, विपक्ष के पांच गो MLC निलंबित
Patna News in Hindi

News18 Bihar
Updated: November 29, 2018, 9:03 AM IST
भोजपुरी न्यूज: बिहार विधान मंडल में हाई वोल्टेज ड्रामा, विपक्ष के पांच गो MLC निलंबित
विपक्ष की नेता राबड़ी देवी (File Photo)

इहे बिच सदन के कार्यावाही अगला दिन तक खातिर स्थगित कर दियल गईल. तबो धरना चलत रहल. खबर बाहर आईल त. विधान सभा के विपक्ष के नेता तेजस्वी यादव आपन लावो लश्कर लेके विधान परिषद पहुंचले.

  • Share this:
बिहार विधान मंडल में हाई वोल्टेज ड्रामा चलल. तनी तनी देर पर सदन चल के बंद हो जा रहे. विधानो परिषद कुछ अईसने हाल रहे. कानून व्यवस्था अउर सीबीआई के भुमिका के लेके हंगामा अतना बढल कि विपक्ष के पांच गो एमएलसी निलंबित हो गई ले. त विपक्ष के नेता लोग बेल में आके धरना शुरु कर देले. परिषद विपक्ष के नेता राबड़ी देवी के नेतृत्व में विपक्ष के सब सदस्य बेल में धरना में बईठ गईल लोग. त विधान परिषद के बाहर तेजस्वी यादव सब विधायक के लेके धरना पर बईठ गइले.

तेजस्वी यादव आपन सब विधायकन, कांग्रेस अउर लेफ्ट के सब विधायकन के साथे धरना प बईठ गईल बाडे. भीतरो के तस्वीर कुछ अइसने बा. पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी विपक्ष के सब सदस्यन के साथ बेल में धरना दे रहल बाडी. ई नाजारा बिहार विधान परिषद में देखल गईल. जेकरा के उच्च सदन कहल जाला.

मामला उ समय तुल पकड़लस जब ई खबर आईल कि सीबीआई के एगो अधिकारी बीजेपी प ई आरोप लगईलस कि लालू यादव के केस में एगो बीजेपी के नेता जांच करे के कहले रहे. जईसे ही ई बात के खबर मिलल विपक्ष हंगामा शुरु कर देलस. तबे मंत्री विनोद नारायण झा सदन में उठ के ई कह देले कि उनकर पार्टी भ्रष्टाचार के खिलाफ कौनो हद तक जाई. तब त आरजेडी के नेता और हंगामा करे लागल लोग. सदन के कार्यवाही कई बार रोके के पडल.



आरजेडी के नेता ना मानल लोग त विधान परिषद के सभापति हारुण रसिद आरजेडी पांच गो एमएलसी के दु दिन खातिर निलंबित क देले. आरजेडी के विधायक ई आरोप लगावत रहे लोग कि जब उ लोग आपन बात कहेला त सदन के माईक बंद कर दियल जाला. ऐ से विपक्ष के बात केहू ना सुन पावेला. तेजस्वी यादव त इस सब खातिर सुशील मोदी के जिम्मेदार कहत रहन.



विधान परिषद के आरजेडी सदस्य सुबोध राय, दिलीप राय, कमरे आलम, खुर्शिद मोहशीन, राधाचरण सेठ के दु दिन खातिर निलंबित कईल गईल त. विपक्ष के नेता अउर रोष में आ गईल लोग. परिषद के विपक्ष के नेता राबड़ी देवी के नेतृत्व में सभे विपक्षी दलन के एमएलसी बेल में आईके धरना प बईठ गईले. ई धरना में राबडी देवी के अलावे एमएलसी रामचंद्र पूर्वे सुबोध राय, दिलीप राय, कमरे आलम, खुर्शिद मोहशीन, राधाचरण सेठ शामिल रहल लोग. इनका लोग के साथ देवे खातिर कांग्रेस के एमएलसी प्रेमचंद्र मिश्रा भी रहन.

इहे बिच सदन के कार्यावाही अगला दिन तक खातिर स्थगित कर दियल गईल. तबो धरना चलत रहल. खबर बाहर आईल त. विधान सभा के विपक्ष के नेता तेजस्वी यादव आपन लावो लश्कर लेके विधान परिषद पहुंचले. विधान परिषद पोर्टिको में ही धरना पर बईठ गईले. उनकर साथ देवे खातिर कांग्रेस अउर लेफ्ट के विधायक भी आ गईले. हंगामा लगातार चलत रहल.

हंगामा के विकराल रुप देखत सभापति हारुण रसिद सब निलंबित एमएलसी के निलंबन फेर लेले. साथे इहो कहले कि विपक्ष आपन बात कही त माईक चालू रही और विपक्ष के सब लोग ध्यान से बात सुनी. तब जाके राबडी देवी अउर तेजस्वी यादव धरना खतम कईले लोग. राबड़ी देवी कहली कि विपक्ष के मजबुती के सामने सभापति के झुके के पडल. विपक्ष इ मामला में जीत गईल.

विधान मंडल के शीत कालिन सत्र में कुल पांच गो बईठक होई. तीन दिन हंगामा में बित गईल. बाकि के दु गो दिन बाचल बा. अब देखे के होई कि ई दु दिन में कईसे बईठक आयोजित होता. सदन के सत्र जनसमस्या और क्षेत्र के विकास खातिर होला. लेकिन अभी तक ना त जनता के सवाल आईल अउर ना ही क्षेत्र के विकास खातिर कौनो बात भईल.

(रिपोर्ट- बृजम पाण्डेय)

ये भी पढ़ें- 

भोजपुरी न्यूज : महिला निर्वस्त्र मामला में आरा सिविल कोर्ट में 20 लोग दोषी, 30 नवंबर के होई सुनवाई

भोजपुरी न्यूज: असों, धान के कटोरा में धान त बा, पर ओह में बाकी लागल बा

भोजपुरी न्यूज: जिअते मेहरी के मरद गइल, मडर केस में भीतर
First published: November 29, 2018, 8:51 AM IST
पूरी ख़बर पढ़ें अगली ख़बर
corona virus btn
corona virus btn
Loading