लाइव टीवी

भोजपुरी न्यूज: जिअते मेहरी के मरद गइल, मडर केस में भीतर

News18 Bihar
Updated: November 20, 2018, 11:39 PM IST
भोजपुरी न्यूज: जिअते मेहरी के मरद गइल, मडर केस में भीतर
सांकेतिक तस्वीर

एह मामला के सूचनाअधिकार कार्यकर्ता अनिल कुमार सिंह उजागर कैले और छह महीना से मडर के केस में जेल के भीतर सड़ रहल दुनों महादलित परिवार के बाप-बेटा के बाहर निकलावावे में पहल कैलन.

  • News18 Bihar
  • Last Updated: November 20, 2018, 11:39 PM IST
  • Share this:
ममिला सुपौल जिला के बा कि जिअते मेहरी के मडर करे के आरोप में एगो दलित परिवार के बाप बेटा के, पुलिस धके जेल के भीतर क देलक. छह महीना जेल काट के अब एह आरोप से बाच के जब दुनो जेल से बाहर निकल के आपन कहानी कहताड़े, त पुलिस के दबंगई के सब भेद खुल रहल बा. पुलिसिया स्टाइल के हाल इ कि, दु गो निर्दोष के मारपीट के, जिन्दा मेहरी के मडर करे के लिखित कबूलनामा ऐसन बनवावल गइल कि लाजो लजा जाई. कबूलनामा इ करइलक कि, मारपीट करके, हम अपना बाप के साथ मिल के मेहरी के तेजाब से जला के मरले बानी.

सुपौल जिल के राघोपुर थाना क्षेत्र के बिशुनपुर चकला गांव के इ मामला बा जहां के रंजीत पासवान और ओकर पिता बिशुन पासवान के छह महीना जेल के भीतर रहे पड़ल. घटना पिछला 26 मई के इ भइल रहे कि कौनो औरत रंजीत पासवान के घरेवाली सोनिया देवी के उठा के दिल्ली लेजाके कनही लुका के रखले रहे और बेचारा रंजीत अपने से हीं राघोपुर थाना में जाके ए मामले के रपट लिखौले रहन. जेकरा कुछे दिन के बाद भइल का कि एगो महिला के लाश अज्ञात रूप से वही थाना क्षेत्र में पावल गइल.

नदी में बहत एह महिला के लाश के राघोपुर थाना के पता न कौन सुराग या सबूत मिलल जे, लाश रंजीत पासवान के बीबी के हीं हो सकाला. बस राघोपुर थाना के लोग ओह लाश के सोनिया देवी बता के रंजीत के और ओकर बाप के अरेस्ट क लेलक. अतने ना दोनों बेचारन के साथ बड़ी बेरहमी से बेश एलक और मारपीट के दोनों को कागज पर हत्यारा कबूलवा लेलक. एहे कहल जाला मरता क्या न करता. पुलिस के लाठी के जोर से निमन आदमी भी अपना के मडरर कह सकला ऐसन हाल और सच्चाई एह पूरा कहानी में बा.

एह मामला के सूचनाअधिकार कार्यकर्ता अनिल कुमार सिंह उजागर कैले और छह महीना से मडर के केस में जेल के भीतर सड़ रहल दुनों महादलित परिवार के बाप-बेटा के बाहर निकलावावे में पहल कैलन.

अब सवाल इ उठत कि छह महीना जेल खटवला और निर्दोष के दोषी बनावे वाला सुपौल जिला के राघोपुर थाना के पुलिस प कौन जबावदेही बनता ? साथ में एह बात के भी सवाल बनता कि जौन लाश नदी में मिलल रहे उ आखिर कौन महिला के रहे आ ओकर मडरर के रहे ? अइसन-अइसन मामला पुलिस-चरित्तर के नमूना बा अपना बिहार में. अब सुपौल में इ घटना के बारे में जे भी सुनता दातें-अंगुरी दबा के कहता कि आइहो दादा,बाप रे बाप..अईसन जुलुम ?

(रिपोर्ट- अमित झा)

ये भी पढ़ें- 
Loading...

भोजपुरी न्यूज: पूर्व मंत्री मंजू वर्मा कइली आत्मसमर्पण, मधु भी पहुंचली CBI दफ्तर

तेजस्वी यादव का CM नीतीश से सवाल, हमर घर के तरफ काहे लग वैलअ CCTV कैमरा

राजद बनल बा उपेंद्र कुशवाहा का हमदर्द, कहता- कबले झेल बा बेइज्जती

News18 Hindi पर सबसे पहले Hindi News पढ़ने के लिए हमें यूट्यूब, फेसबुक और ट्विटर पर फॉलो करें. देखिए सुपौल से जुड़ी लेटेस्ट खबरें.

First published: November 20, 2018, 11:39 PM IST
Loading...
पूरी ख़बर पढ़ें अगली ख़बर
Loading...