• Home
  • »
  • News
  • »
  • entertainment
  • »
  • Big boss OTT पर धमाल मचा रहल बाड़ी अक्षरा सिंह, कई गो भोजपुरिया स्टार रहल बाड़ें बिग बॉस के घर में

Big boss OTT पर धमाल मचा रहल बाड़ी अक्षरा सिंह, कई गो भोजपुरिया स्टार रहल बाड़ें बिग बॉस के घर में

.

.

Big Boss: भोजपुरी एक्ट्रेस अक्षरा सिंह एह बेरा बिग बॉस ओटीटी में धमाल मचावतारी. उनकरा के लोग भोजपुरी के 'शेरनी' कहतारे. अक्षरा इंडस्ट्री में भी आपन अभिनय के जलवा देखा चुकल बाड़ी. ऐसे में आज भोजपुरी लोगन के बतावतानी उह स्टार्स के बारे में, जे बिग बॉस में पहली भी धमाल चुकल बा.

  • News18Hindi
  • Last Updated :
  • Share this:

अक्षरा सिंह भोजपुरी फिल्म के लोकप्रिय हिरोइन हई. टीवी इंडस्ट्री में भी आपन अभिनय के जलवा देखावे वाली अक्षरा गीत भी बड़ा अच्छा गावेली. अपना शौक के उ पेशा भी बना चुकल बाड़ी अउरी डिजिटल प्लेटफॉर्म पर अक्सर उनके गावल गीत रिलीज होत रहेला. अक्षरा के नाम विवाद से भी घिरल रहेला, काहें कि उ आपन दिल के बात कहे में हिचकिचाली ना आ केहू से डेराली ना. ई गुण उनका के नुकसान भी करेला अउरी फायदा भी. बहरहाल उनका लोकप्रियता के आलम ई बा कि उ बिग बॉस ओटीटी के घर में सदस्य बन के गइल बाड़ी. अक्षरा जाते उहाँ बॉस लेडी भी बन गइली. फिलहाल शो में अक्षरा के बॉलीवुड सिंगर नेहा भसीन से बोल ठोल भी भइल बा. जेकरा के लेके मीडिया में बड़ा सुर्खी बा. एकर प्रोमो आवते लोग आपन आपन राय बनावत बा. अब दुनू जाना के बीच के चिल्लम चिली साँचो के बा आ कि खाली कैमरा खातिर, ई त उहे लोग जाने बाकिर हमरा जइसन दर्शक के अइसन कंटेन्ट कबो लुभावेला ना.

बिग बॉस टेलीविजन इतिहास के एगो बहुत हिट अउरी विवादित शो के रूम में जानल जाला. अक्सर हर साल एकर नया सीजन आवेला अउरी पिछला साल के विवादित चेहरा के अपना घर के सदस्य बनावेला. बिग बॉस के घर में रहे वाला सदस्य बिग बॉस के कहना मानेला, ओकर दिहल टास्क करेला अउरी बेवजह के विवादित बात करेला ताकि शो पर ड्रामा होखो, मीडिया में सुर्खी बनो आ टीआरपी चार्ट पर शो के रेटिंग बढ़ो…अंततः शो अउरी चैनल के अधिक से अधिक विज्ञापन मिलो, स्पॉन्सर मिलो आ बिजनेस होखो. मिला जुला के इहे उद्देश्य बा एह शो के.

पिछला 15 साल से ई टीवी पर झण्डा गाड़त आइल बा. दर्शक देखबो करेला एही से एकर नया सीजन आवत रहेला. ओइसे त एकर होस्ट सलमान खान बाड़ें. बाकिर एह बेरी शो में बदलाव भइल बा.

एह बेरी बिगबॉस ओटीटी आइल बा जेकर होस्ट बाड़ें प्रसिद्ध फिल्म निर्माता-निर्देशक करण जौहर आ ई शो वूट सेलेक्ट के ओटीटी पर स्ट्रीम कइल जाला. वूट कलर्स टीवी के डिजिटल प्लेटफॉर्म ह. इहाँ बिग बॉस ओटीटी एह वादा के साथे लॉन्च भइल बा कि लोग 24 घंटा अपना पसंदीदा कॉन्टेस्टेंट के देख सकेला. ई शो एक घंटा के फॉर्मैट में नइखे, ई 24×7 स्ट्रीम होई अउरी देखल भी जा सकेला. एह ओटीटी वाला शो के कान्सेप्ट ई बा कि एह में 6 गो लइका अउरी 7 गो लइकी शो में जोड़ी बनके शामिल भइल बाड़ी अउरी एगो प्रतिभागी अकेले शामिल भइल बा. एकर टैगलाइन बा ‘स्टे कनेक्टेड’ माने कि ‘साथ में जुड़ल रहीं’. जोड़ी के साथ में जुड़ के 6 सप्ताह के समय के गुजारे के बा अउरी शो में दिहल जा रहल टास्क के करे के बा. दर्शक चौबीसो घंटा के डायरेक्ट लाइव फूटेज देख सकेला, अइसन नइखे कि टीवी लेखां ओकरा खाली एडिटेड आ हाइलाइट कंटेन्ट ही देखे के मिली. एह बेरी शो में दर्शक के हाथ में नॉमिनेशन, पनिशमेंट अउरी रिपोर्ट कार्ड के पावर बा. एकर माने दर्शक एह बेरी शो में बिगबॉस बा. एह शो के ए बेरी अउर ज्यादा दिलचस्प बनावल गइल बा. आ एकर प्रभाव भी लउकत बा, लोग के बीच में बड़ा लोकप्रियता बा.

बिग बॉस में अक्षरा सिंह के अलावा अउर भी भोजपुरिया स्टार लोग के आगमन भइल बा. पिछला कई गो सीजन में भोजपुरिया स्टार लोग नजर आइल बा अउरी आपन देसी अंदाज से लोग के मनोरंजन भी कइले बा आ कमो बेस आपन मजाक भी उड़ववले बा. देखीं, कहल त ई जाला कि उ मनोरंजक नइखे हो सकत जे आपन मजाक उड़ावे के ना सिखले होखे. बाकिर अगर केहू आपन मजाक उड़वावे के फेरा में भाषा अउरी संस्कृति के भी मजाक बनवावे लागे त बड़ा बेजाईं बुझाला. भोजपुरिया स्टार लोग के साथे इहे एगो दिक्कत बा. आपन त मजाक बनवइबे करेला लोग, भोजपुरी आ भोजपुरिया समाज के हंसी के पात्र बना देला लोग, हमरा इहे अच्छा ना लागेला.

खैर, खेसारी लाल यादव 2019 में बिगबॉस सीजन 13 में लउकल रहलें. हालांकि उ ढेर दिन ना टिकले बाकिर आपन सादा स्वभाव के चलते लोग के बड़ा पसंद अइलें. हालांकि शो में लोग उनका के बड़ा तंग भी कइल आ जे तरे उनके गाँवटी बूझ के लोग मजाक उड़ावे, साँच कहीं त हमरा बड़ा बेजाईं लागल. भोजपुरिया जवान एक से एक कारनामा कइले बा, ई गिटिर-पिटिर अंग्रेजी बोले वाला अउरी पश्चिमी सभ्यता के गुलाम लोग के ना बुझाई. बाकिर जाए दीं.

बिग बॉस के पहिलका सीजन में सुपरस्टार रविकिशन लउकल रहलें आ उ रनर अप भी रहलें. आइटम डांसर संभावना सेठ दूसरा सीजन में लउकली आ उहाँ तुनकमिजाजी खातिर बड़ा विवादित रहली. लोकगायक अउरी भोजपुरी सुपरस्टार मनोज तिवारी चौथा सीजन में आइल रहलें आ उनके डॉली बिन्दरा के साथे वाला लड़ाई के अभियो लोग चर्चा करेला. एही सीजन में अभिनेत्री श्वेता तिवारी भी रहली जे विजेता बनली शो के. सीजन 6 में दिनेश लाल यादव निरहुआ गइल रहलें आ उहाँ आपन लोकप्रिय रिक्शा चालक वाला अंदाज में लउकलें. एह शो के बाद उनके प्रसिद्धि बढ़ल. सीजन दस में भोजपुरी हिरोइन मोनालिसा भी बिग बॉस में लउकली आ अपना बॉयफ्रेंड विक्रांत सिंह से शादी भी कइली.

फिलहाल, बिग बॉस ओटीटी अब जलदिए बिग बॉस के पारंपरिक टीवी वर्जन में बदले वाला बा, तब देखल जाय अक्षरा के सफर कि आगे का होता. फिलहाल अक्षरा के बधाई आ शुभकामना.

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं. )

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.

हमें FacebookTwitter, Instagram और Telegram पर फॉलो करें.

विज्ञापन
विज्ञापन

विज्ञापन

टॉप स्टोरीज