• Home
  • »
  • News
  • »
  • entertainment
  • »
  • Bhojpuri: कोरोना के तीसरा लहर से पहिले भोजपुरी फिल्मन में आवे वाला बा लहार

Bhojpuri: कोरोना के तीसरा लहर से पहिले भोजपुरी फिल्मन में आवे वाला बा लहार

.

.

रोज लगभग एक करोड़ लोग के वैक्सीन लाग रहल बा, सरकार आ स्वास्थ्य विभाग जोर शोर से तइयारी कर रहल बा, दुसरा लहर में बंद भइल बिजनेस धीरे धीरे शुरू हो रहल बा, लोग लापरवाही में लागल बा, तीसरा लहर भी आवे के बाट खोज रहल बा. एह सब के बीच लॉकडाउन से पहिले बनल फिल्मन के रिलीज होखे के सिलसिला भी चल रहल बा.

  • News18Hindi
  • Last Updated :
  • Share this:

अक्षय कुमार के बेलबॉटम से सिनेमाघर के ओपनिंग भइल, फिल्म उम्मीद के हिसाब से कलेक्शन त नइखे कर पवले बाकिर धीरे धीरे दर्शक के आमद थिएटर में बढ़ रहल बा. अबे अमिताभ बच्चन अउरी इमरान हाशमी के फिल्म चेहरे भी सिनेमाघर में लागल बा. हॉलीवुड के फिल्म भी इंतजार में बाड़ी सन. भोजपुरी के भी एक दु गो फिल्म बिहार-झारखंड के सिनेमाघर में देखावल जा रहल बाड़ी सन. आवे वाला समय में भोजपुरी के कई गो बड़ स्टार कास्ट वाला फिल्मन के रिलीज के इंतजार बा. पिछला लॉकडाउन के दरम्यान हिन्दी सिनेमा के तर्ज पर कुछ फिलिम त ऑनलाइन भी प्रीमियर भइली सन.

एह सब के बीच फेर से भोजपुरी फिल्मन के ट्रेलर अउरी टीजर आवे के दौर चालू हो गइल बा. दर्शक में उत्साह बा अपना पसंदीदा हीरो हीरोइन के फिल्म के प्रोमो देखला के बाकिर ओकरा पता नइखे कि ई फिल्मन के सिनेमाघर में देखे के मौका कब लाग पाई. काहें कि ट्रेलर जवना रफ्तार से रिलीज हो रहल बा आ कोरोना के तीसरा लहर जवना रफ्तार से नजदीक आ रहल बा, फिल्म निर्माता – वितरक ले के नइखे पता कि एह स्थिति में फिलिम देखावे के मौका मिली आ कि मुड़ी खजुआवे के पड़ी. कोरोना जवन कुछ-कुछ महिना के गैप में अउरी मजबूती से वार कर रहल बा ओकरा के देख के सभे असमंजस में बा कि आगे का होई आ का ना होई.

कोरोना के तीसरा लहर से पहिले भोजपुरी फिल्मन में लहार त आवहीं वाला बा, अइसन बुझा रहल बा. दिनेश लाल यादव के सुपरस्टार निरहुआ बनावे वाला निर्देशक दिनकर कपूर उर्फ केडी फेर से निरहुआ के साथे एगो फिल्म ‘जान लेबू का’ लेके आ रहल बाड़ें. बाजीगर, खिलाड़ी जइसन फिल्मन में सेकंड यूनिट के डायरेक्टर रह चुकल केडी जब 2007 में निरहुआ रिक्शावाला लेके अइलें त दिनेश लाल से लेके मनोज टाइगर, पाखी हेगड़े, सुशील सिंह, गोलू सभ महत्वपूर्ण किरदारन के करियर बना देहलें. ई फिल्म कई गो सिनेमाघर में 2 साल ले चलते रहि गइल. केडी निरहुआ के साथे ‘श्रीमान ड्राइवर बाबू’ भी कइलें आ उनके सबसे ज्यादा मेहनताना लेबे वाला स्टार बना देहलें. हालांकि ओकरा बाद भोजपुरी से दूरी हो गइल. 2019 में एगो फिलिम के बाद उनके 2021 में आवे वाला ई फिल्म देखल जा का कमाल करी. फिल्म में अक्षरा हिरोइन बाड़ी, मनोज टाइगर के समानांतर भूमिका बा. फिल्म के कहानी कॉमेडी ऑफ एरर पर आधारित बा आ तनी मनी फाइट सीक्वेंस भी बा. बाकिर दर्शक एकरा के केतना पसंद करीहे ई त समय बताई.

खेसारी लाल यादव के भी एगो फिल्म आवे वाला बा. लंदन के पृष्ठभूमि पर एह घरी कई गो भोजपुरी फिल्म आ रहल बा. ओही में से एगो बा ‘चोरी चोरी चुपके चुपके’. नाम त हिन्दी बा आ फिलिम में बहुते संवाद भी लागsता हिन्दी में बोलाइल बा. फिल्म के कहानी टिपिकल बा. एगो अमीर बाप के आवारा लइकी बिया, जेकरा चलते बाप परेशान बा अउरी एकरा के सम्हारे वाला दामाद खोज रहल बा. एगो होटल में वेटर के काम करे वाला खेसारी के किरदार उनकर दामाद बन जात बा अउरी मौका मिलते सगरों प्रॉपर्टी आ पइसा उड़ा ले जात बा. कहानी में ट्विस्ट बा कि उ ई जान के नइखे करत बल्कि मजबूरी आ केहू के प्रभाव में आके करत बा.

लोकेशन आ फिल्मांकन अच्छा बा, दर्शक के आकर्षित करे में ई फिल्म कामयाब होई. संगीतकार से लेखक निर्देशक बनल रजनीश मिश्र के खेसारी के साथे ई शायद छठवाँ फिल्म ह. दुनू जाना के जोड़ी मनोरंजक सिनेमा बनावेला.

साउथ के फिल्मन से अक्सर टेकनीशियन भोजपुरी फिल्मन में आवत रहल बाड़ें आ उहाँ प्रचलित एक्शन सीक्वेंस के जलवा भी देखावत रहल बाड़ें. फेर से एगो अइसने टीम चिंटू पांडे के लेके फिल्म कमांडो अर्जुन ले आइल बा. फिल्म के निर्माता भी एह बेरी साउथ से बाड़ें आ दू गो बड़ कलाकार भी एह फिल्म में नजर आवे वाला बाड़ें बाकिर अफसोस कि प्रोमो में ओ कलाकारन के लोकप्रियता के भुनावल नइखे गइल. साँच कहीं त ट्रेलर बहुत खराब तरीका से एडिट कइल बा. हो सकेला शायद प्रमोशन टीम के ई रणनीति होखो. राव रमेश साउथ के लोकप्रिय चेहरा हवे, उनका नाम पर भी दर्शक अइहें. फ़िल्म के कहानी कश्मीर घाटी में आतंकवाद के विषय पर बा अउरी हीरो अर्जुन एगो कमांडो अफसर बा जवन खास मिशन पर बा. एक्शन सीक्वेंस त दमदार बा अब देखल जा बॉक्स आफिस पर एकर का असर पड़ेला.

एह फ़िल्मन के अलावा रितेश पांडेय के एमएलए दर्जी, अरविंद अकेला कल्लू के विद्यापीठ भी रिलीज होखे के इंतज़ार कर रहल बा. आवे वाला समय बताई कि सिनेमाघर में भीड़ आई कि निल बट्टे सन्नाटा रही.

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं। )

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.

हमें FacebookTwitter, Instagram और Telegram पर फॉलो करें.

विज्ञापन
विज्ञापन

विज्ञापन

टॉप स्टोरीज