• Home
  • »
  • News
  • »
  • entertainment
  • »
  • Birthday Spl. महान गायिका आशा भोंसले के ह आज जन्मदिन, सबसे ढेर गाना गावे के विश्व रिकॉर्ड बा उनके नाम

Birthday Spl. महान गायिका आशा भोंसले के ह आज जन्मदिन, सबसे ढेर गाना गावे के विश्व रिकॉर्ड बा उनके नाम

.

.

बॉलीवुड के महान सिंगर आशा भोंसले के आज जन्मदिन ह. आज उ 88 साल के हो गइली. आशा लता मंगेशकर छोट बहिन हईं. उनकर जन्म 8 सितंबर, 1933 के भईल रहे. आपन बड़ बहिन के जईसे ही उहो प्रतिभाशाली अउरी दिग्गज गायिका हईं. उनकर जन्मदिन के मौका पर आप लोगन के उनकर बारे में भोजपुरी हमनीके बताइब जा.

  • News18Hindi
  • Last Updated :
  • Share this:

मंगेशकर परिवार के एगो महान सदस्य अउरी हमनी सभके चहेती आशा भोंसले के आज जन्मदिन ह. उ आज 88 साल के हो गइली. आशा भोंसले लता दीदी के छोट बहिन हई आ उनकरे लेखां प्रतिभाशाली अउरी दिग्गज गायिका भी. हालांकि मंगेशकर परिवार में माने कि आशा जी के पिता अउरी महान रंगकर्मी आ शास्त्रीय गायक दीनानाथ मंगेशकर के पाँच गो संतान भइल. लता मंगेशकर, आशा भोंसले, उषा मंगेशकर, मीना खादीकर अउरी हृदयनाथ मंगेशकर. एह में सभे एक से बढ़के एक मशहूर गायक आ संगीतज्ञ भइल. कहल जाव त संगीत एह परिवार के डीएनए में रचल बसल बा.

आशा भोंसले के जन्म 8 सितंबर 1933 के सांगली जिला के एगो मराठी परिवार में भइल. पिता जी सक्रिय रंगकर्मी रहनी आ काफी लोकप्रिय भी रहनी. घरे पर संगीत के अइसन माहौल रहे कि बचपने से आशा गीत संगीत में रम गइली. जब उ 9 साल के रहली तबे उनके पिता जी के मृत्यु हो गइल. घर के माली हालत पहिले से ही खराब रहे, जवन डावांडोल हो गइल. उनके परिवार तब पूना में रहे, सभे मुंबई चल आइल. इहाँ बड़ बहिन लता अउरी आशा दुनू जानी फिलिम में गाना गावे लागल लोग ताकि परिवार चल सके. आशा भोंसलेआपन पहिला फिल्मी गीत दस साल के उमिर गवली, ‘चला चला नाव बाला’. उनके हिन्दी में गीत गावे के मिलल 1948 में. चुनरिया फिल्म में ‘सावन आया’ उनके पहिला हिन्दी गीत ह. उनके सोलो गीत गावे के मिलल अगिले साल फिल्म ‘रात की रानी’ में, बोल रहे, ‘हमारे दिल पे इख्तियार होना था’.

लता मंगेशकर तब इंडस्ट्री में जानल पहचानल नाम रहली, जब आशा भोंसले आपन पाँव जमावे खातिर संघर्ष करत रहली. लता दीदी के तब एगो निजी सचिव रहलें जवन उनके प्रोजेक्ट देखस, नाम रहे गनपत राव भोंसले. 16 बरिस के आशा के तब 31 बरिस के गणपत राव पर दिल आ गइल. उ परिवार के मर्जी के खिलाफ उनका से शादी कर लेहली अउरी उनके साथे रहे लागली. आशा मंगेशकर आशा भोंसलेइहे बियाह के बाद बन गइली. ई बियाह 11 साल ले चलल आ एहसे तीन गो संतान भइलें. उनके ससुरा वाला लोग के व्यवहार अच्छा ना रहे, एही कारण आशा ओ घर से अपना परिवार में चल अइली. एकरा बादे उनके फिल्मन में पार्श्व गायन में बहुते सफलता भी मिलल.

जब आशा भोंसले गायकी में संघर्ष करत रहली तब लता मंगेशकर, शमशाद बेगम आ गीता दत्त के राज चलत रहे. उनके उहे गाना मिले जवन ई लोग मना कर देव. इहे कारण रहे कि आशा तब छोट बजट के हिन्दी फिल्मन में गीत गावस. उ बी ग्रेड अउरी सी ग्रेड फिल्मन में भी गाना गवली. उनके बाद में जाके जब बिमल रॉय अउरी राज कपूर अपना फिल्मन में गावे के मौका दिहल लोग तब उनके पहचान बनल अउरी आपन अलग टेक्सचर के आवाज से उ पूरा देश के मोह पइली. उनके 1966 में आर.डी. बर्मन के करियर के पहिला गीत गावे के मौका मिलल जवन उ रफी साहब के साथे डुएट गवली. शम्मी कपूर के फिल्म ‘तीसरी मंजिल’ के वेस्टर्न ट्यून के गाना ‘आजा आजा तू है प्यार मेरा’ बहुत कठिन रहे. आशा जी एकरा खातिर दस दिन रिहर्सल कइली आ जब गीत गवली त उ अमर हो गइल. एह फिल्म में उनके दू गो अउरी सुपरहिट गाना रहे; ‘ओ हसीना ज़ुल्फ़ों वाली जाने जहां’ आ ‘ओ मेरे सोना रे’.

राहुल देव बर्मन उर्फ पंचम दा के साथे उनके लगातार हिट गीत आइल. ई जोड़ी बाद में बियाह भी कइल आ पंचम दा के मृत्यु तक ई रिश्ता बढ़िया से चलल अउरी हिन्दी संगीत जगत के एक से बढ़के एक सदाबहार गीत देहलस. जइसे ‘पिया तू अब तो आजा’, ‘दम मारो दम’, ‘चुरा लिया है तुमने जो दिल को’ आदि.

कई गो हिट डांस नंबर देहला के बाद आशा भोंसलेके ऊपर टैग लाग गइल कि उ अइसने गीत गा सकेली जवन लाउड होखे. बाकिर ई भ्रम उ जलदिए तूर देहली जब संगीतकार खय्याम खातिर उमराव जान में गजल गवली. उनके गावल एगो गजल ‘जुस्तजू जिसकी थी’ के राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार मिलल, ई आशा भोंसलेके करियर के पहिला राष्ट्रीय पुरस्कार रहे. एकरा कुछ साल बाद उनके ‘मेरा कुछ सामान’ गाना आइल जेकरा खातिर उनके दोबारा राष्ट्रीय पुरस्कार मिलल.

लता दीदी के आशा भोंसले से शुरुए से बहुत प्यार रहल बा. जब उ छोट रहली त लता मंगेशकर आशा के अपना गोदी में लेके स्कूले जास. एक बार एगो टीचर एक फीस पर दू जाना के पढ़ावे से मना कर देहलस त लता दीदी पढ़ाई छोड़ देहली. दुनू जाना के बीच खटास तब आइल जब आशा भोंसले भाग के बियाह कर लेहली. हालांकि बाद में सभ ठीक हो गइल. फिर भी अफवाह उड़ेला कि एक टाइम में दुनू जाना एक दूसरा के देखे ना चाहे लोग.

आशा भोंसले लगभग 12000 से अधिक गीत गवले बाड़ी आ उनके नाम सर्वाधिक गीत रिकॉर्ड करे खातिर गिनीज बुक ऑफ वर्ल्ड रिकॉर्ड में दर्ज बा. आशा भोंसले। भारतीय संगीत जगत खातिर एगो बहुते अनमोल खजाना बाड़ी आ उनके मौजूदगी ही सभ संगीत प्रेमी लोग के साथे भारत देश खातिर गर्व के विषय बा. आज उनका जन्मदिन पर खूबे शुभकामना. उ स्वस्थ रहस अउरी दीर्घायु होखस!

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं.)

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.

हमें FacebookTwitter, Instagram और Telegram पर फॉलो करें.

विज्ञापन
विज्ञापन

विज्ञापन

टॉप स्टोरीज