होम /न्यूज /मनोरंजन /

Bhojpuri: राखी पर स्वर-कोकिला लता मंगेशकर हर बहिन के कंठ में समां जाली

Bhojpuri: राखी पर स्वर-कोकिला लता मंगेशकर हर बहिन के कंठ में समां जाली

.

.

चाहे हिन्दी होखे भा भोजपुरी राखी में सबसे अधिक करेजा के छूवेली लता दीदी. लगभग साठ साल पहिले के गावल उनकर दू गो गीत आजो रक्षा बंधन के गीतन के हिट लिस्ट में बा. रक्षा बंधन के अवसर पर हिन्दी में ‘ भैया मेरे राखी के बंधन को निभाना‘ (1959) आ भोजपुरी में ‘रखिया बन्हा ल भईया सावन आइल’ ( 1963) आजो सबसे अधिक गूंजेला.

अधिक पढ़ें ...

बात भोजपुरी सिनेमा के गीतन से शुरू करत बानी. भोजपुरी फिलिम ‘लागी नाहीं छूटे रामा’ के क्लासिकल आ कालजयी गीत ह – ‘रखिया बन्हा ल भइया, सावन आइल, जीयs तू लाख बरिस हो’. मजरुह सुल्तानपुरी के एह गीत के चित्रगुप्त जी के संगीत पर लता दीदी भोजपुरिया लोग के रक्षा बंधन पर सौगात देले बाड़ी –

रखिया बन्हा ल भईया सावन आइल जीयs तू लाख बरिस हो
तोहरा के लागे भईया हमरो उमिरिया बहिना त देले असीस हो

हई लाइन सुन के त मन मोहा जाता. नेग में का माँगतारी बहिन. कहsतारी कि जब भउजी अइहें त- अँचरा में भरि-भरि लेइब रुपइया, गाँव लेइब दस-बीस हो. अंतिम लाइन त करेजा काढ़ लेता- अइसन ना होखे कहीं अँखियाँ निहारे जाये सावन ऋतु बीत हो / रखिया बन्हा ल भईया सावन आइल जीयs तू लाख बरिस हो. ब्लैक एंड व्हाइट में फिलमावल ई गीत वाला सीन बेर-बेर देखे के मन करेला.

राखी पर एगो अउर गीत हमरा दिल के बहुत करीब बा. गीत के बोल बा,
राखी हर साल कहेले सवनवा में, भइया बहिनी के हरदम रखिहs मनवा में
बहिनी बसेलू तू हमरा परनवा में, तोहरी मनसा पुराइब हर जनमवा में

राखी पर एह से बढ़िया गीत का हो सकत बा? ब्रजकिशोर दूबे जी के लिखल एह हृदयस्पर्शी गीत में ई ताकत बा कि कवनो कारण से भाई-बहिन में रूसा-फूली भइल होखे भा बोलचाल बंद होखे त गीत मन के मइल आँख के लोर से धोके रिश्ता के टूटल तार फेर से जोड़ सकेला. चित्रगुप्त जी के संगीत पर, अलका याज्ञनिक आ मनहर उदास के आवाज में, दूबे जी के संवेदना से भरल बोल आ भाव जादू करत बा. शत्रुघ्न सिन्हा आ शकीला मजीद पर फिल्मावल फिल्म ‘बिहारी बाबू’ के ई गीत एगो अमर गीत बा.

‘भैया दूज’ नाम के एगो फिल्म बनल साल 1984 में. ई फिलिम सुजीत कुमार, पद्मा खन्ना, राकेश पांडेय अउर गौरी खुराना जइसन सितारन से सजल रहे. एह फिलिम के एगो गाना रहे-राम भइया चलेले अहेरिया, बेला बहिना देली आशीष. लक्ष्मण शाहाबादी के बोल अउर चित्रगुप्त जी के संगीत पर करेजा के चीर देवे वाला ई गीत भोजपुरिया इलाका में भाई-बहिन के जवन कनेक्शन बा, जवन एक-दूसरा खातिर चिंता अउर समर्पण बा, ओकरा के परिभाषित करत बा. हमनी किहाँ बड़ बहिन महतारी लेखाँ आ छोट बहिन बेटी लेखाँ होले, ओह आत्मीयता के परिभाषित करत बा. एही तरे भाई-बहिन के त्योहार गोधन पर एगो पारंपरिक गीत गावल जाला, ‘गोधन बाबा चले लें अहेरिया, खिड़लिचा बहिना देली आसीस हो ना’. ई त राखी पर भोजपुरी सिनेमा के यादगार गीतन के बात कइनी ह. अब बात हिन्दी सिनेमा में रक्षा बंधन स्पेशल गीतन के.

लता जी के ओही गीत से बात शुरू करत बानी – भैया मेरे राखी के बंधन को निभाना. फिल्म ‘छोटी बहन’ के ई गाना भाई-बहन के बॉन्डिंग के खूबसूरत बयान बा. फिल्म में नंदा, बलराज साहनी खातिर ई गाना गावत बाड़ी. शैलेन्द्र के लिखल ई गीत के संगीत से सजवले रहे शंकर जयकिशन के जोड़ी. ई गीत त बुझीं रक्षाबंधन के पर्याय ह.

“मेरे भैया, मेरे चंदा”, ‘काजल’ फिल्म में मीना कुमारी पर फिल्मावल ई गीत राखी के त्योहार अउरी भाई-बहीन के अटूट रिश्ता के उदाहरण बनत आइल बा. ई गीत मोहम्मद रफी अउरी आशा भोंसले गवले रहे लोग. एकर संगीतकार रवि रहलें.

गीत “बहना ने भाई की कलाई से प्यार बांधा है” भी बड़ा लोकप्रिय बा, जवन राखी के दिने सुनल जाला. धर्मेंद्र के फिल्म ‘रेशम की डोरी’ में ई गीत बा अउरी एकर अभियो बड़ा श्रोता बाड़ें. ई गीत अक्सर राखी के दिने सुने के मिल जाला. 1975 में आइल ई फिल्म के गीतकार इंदीवर रहलें अउरी संगीतकार जोड़ी रहे शंकर जयकिशन. ई गीत गवले रहली सुमन कल्याणपुर.

“फूलों का तारों का, सबका कहना है” भाई-बहन के प्यार अउरी नोंक झोंक के रिश्ता के उत्सव गीत ह. ‘हरे रामा हरे कृष्णा’ फिल्म के ई गीत त लोग बुझीं अक्सर गुनगुनाला. जब कवनो भाई के आपन बात मनवावे के होला त उ अपना बहिन के पोल्हावे खातिर इहे गीत गावेला. किशोर कुमार ई गीत देवानंद खातिर गवले रहलें. ई गीत आनंद बक्शी के लिखल ह अउरी संगीत आर डी बर्मन के ह.

राजेश खन्ना लगातार हिट पर हिट फिल्म देत रहलें, ओही बीच एगो फिल्म आइल सच्चा झूठा. एह फिल्म के कहानी भाई बहिन के अटूट प्यार पर रहे. एकर एगो गाना “मेरी प्यारी बहनिया बनेगी दुलहनिया” बहुत लोकप्रिय बा. एकरा के गवले बाड़े किशोर दा अउरी संगीत देले बा लोग कल्याण जी- आनंद जी.

‘क्या कहना’ फिलिम के गीत “प्यारा मेरा प्यारा भैया” भी राखी पर खूब बाजेला. प्रीति जिंटा अउरी चंद्रचूड़ सिंह पर फिल्मावल ई गीत अलका यागनिक अउरी कुमार सानु गवले बा लोग. ई गीत मजरूह सुल्तानपुरी के लिखल ह अउरी संगीत राजेश रौशन के रहे.

11 अगस्त 2022 माने कि राखिये के दिने रिलीज हो रहल हिन्दी फिल्म ‘रक्षा बंधन’ के ई गीत बहुत सुंदर बा. एह में दू गो गीत बा जवन राखी पर समर्पित बा. अरिजित सिंह अउरी श्रेया घोषाल के गावल ई गीत खूब लोकप्रिय हो रहल बा. फिल्म के दोसरका गीत “तेरे साथ हूँ मैं” बहुत मार्मिक गीत बा. जे भी सुनी ओकर रोआँ जरूर खड़ा हो जाई आ आँखिन में लोर आ जाई. ई गीत निखिल तौरो गवले बाड़ें. ई दुनू गीत के लिखले बाड़ें इरशाद कामिल अउरी संगीत देले बाड़ें हिमेश रेशमिया.

राखी भाई बहिन के सुंदर रिश्ता के मनावे वाला त्योहार ह. एह सुंदर उत्सव में चार चाँद लगावे खातिर कई गो हिन्दी भोजपुरी आ दोसरा भाषा में फिल्म बनल बाड़ी सन अउरी ओकर गीत बाड़ी सन. रउआ भी एह गीतन के सुनी आ राखी के पवित्रता में सउना जाईं.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)

Tags: Article in Bhojpuri, Bhojpuri

विज्ञापन

विज्ञापन

टॉप स्टोरीज

अधिक पढ़ें

अगली ख़बर