Home /News /entertainment /

bramhastra to shamshera will break south cinema box office records manoj bhawok bhojpuri

Bhojpuri: फिल्मी सुग्गा- का ब्रह्मास्त्र आ शमशेरा से बॉलीवुड, साउथ सिनेमा के मायाजाल तूर पाई, जानीं भविष्य

.

.

फिल्म जगत में एह घरी बहुते उलट फेर चल रहल बा. कवन फिल्म बिजनेस करी आ कवन पिटा जाई ई कहल आसान नइखे. लोग जवना फिलिम से खूब आस लगवले रहsता, ऊ फिल्म बॉक्स ऑफिस पर मुँह खड़िये ढिमिला जाता. जब दक्षिण भारत के फिल्म पुष्पा पिछला साल दिसंबर में रिलीज भइल अउरी हिन्दी पट्टी में धड़ाधड़ कमाई कइलस, सभे अचरज में पड़ गइल. ई दक्षिण भारत के फिल्मन खातिर ऊ हवा बनवलस जवन कबो एस एस राजमौली बाहुबली फिल्म से बनवले रहलें. अब बॉलीवुड के डूबल नइया उबरी कि ना, ई उचराई फिल्मी सुग्गा!

अधिक पढ़ें ...

पुष्पा के बाद लगातार तेलुगु, तमिल, कन्नड़ आदि दक्षिण भाषा के फिल्मन के मार्केट एनियो बन गइल बा. हालांकि उत्तर भारत में साउथ के एक्शन फिल्मन के पहिले से दर्शक बाड़ें बाकिर ऊ टीवी अउरी डिजिटल प्लेटफ़ॉर्म तक ही सीमित रहले हं. जबसे फिल्मन के पैन इंडिया रिलीज वाला ट्रेंड चालू भइल बा तबसे दर्शक के एक्शन अउरी सस्पेंस वाला साउथ फिलिम सिनेमाहॉल में देखे के मिल रहल बा. इहे कारण बा कि साउथ के प्रति दर्शक के प्यार टीवी से निकल के सिनेमाघर तक आ गइल बा. जेकर नतीजा ई बा कि साउथ के फिलिम पर लोग चाव देता अउरी जइसे कवनो हिन्दी फिलिम आवत बा त ओकरा के लोग साफे भाव नइखे देत.

बहुप्रतीक्षित फिल्म आर आर आर जब सगरी भाषा में रिलीज भइल तब त सिनेमाघर में तूफान आ गइल. लोग अड्वान्स में टिकिट बुक कइल आ फिलिम के लगातार कई दिन ले हाउसफुल रखलस. ई फिल्म के प्रमोशन भी उत्तर भारत में खूब भइल. फिल्म के दुनू मुख्य नायक रामचरण तेजा अउरी जूनियर एनटीआर हिन्दी में अपने आवाज में डब कइल लोग. कपिल शर्मा शो पर भी लउकल लोग, बनारस घाट पर भी गइल लोग. ई सब के असर ई भइल कि फिलिम 1151 करोड़ के कमाई कइलस आ ऑल टाइम ब्लॉकबस्टर के तमगा लेहलस. इहे हाल केजीएफ चैप्टर 2 के साथ भी भइल. एकर पहिला चैप्टर के चलते बहुत क्रेज रहे अउरी फिल्म के मुख्य किरदार रॉकी भाई (यश) के लुक, स्वैग आ टशन के एतना ना युवा पीढ़ी पर जादू चढ़ल कि ऑनलाइन टिकट खिड़की खुलते ई फिल्म के अधिकांश शो बुक हो गइली सन. ई फिल्म अपना हौवा के खूब फायदा उठवलस आ 100 करोड़ के बजट में बनल ई फिल्म 1232 करोड़ के कमाई कइलस. हालांकि ई फिल्म के कहानी अउरी स्क्रीनप्ले कुछ ज्यादा ही ओवर द टॉप रहे आ बेसिरपैर वाला रहे एही से आलोचक नकार देहले बाकिर दर्शक बहुत प्यार देहलस.

हिन्दी फिल्मन के नइया 6 महीना से डूबले बा

पुष्पा के बेरा 1983 के वर्ल्डकप में भारत के जीत वाला घटना के इर्द गिर्द फिल्म 83 रिलीज भइल बाकिर ई फिल्म आपन 200 करोड़ के बड़ बजट के आधा ही कमाई कर पवलस. इहे शुरुआत रहे हिन्दी फिल्मन के खराब प्रदर्शन के. ओकरा बाद सिनेमाघर में बधाई दो, गंगूबाई, झुंड, राधे श्याम, अटैक, बच्चन पाण्डेय, जर्सी, हीरोपंती, रनअवे 34, जयेशभाई जोरदार, धाकड़, अनेक, जनहित में जारी आ हालिया रिलीज पृथ्वीराज, निकम्मा फ्लॉप हिन्दी फिल्म बा. करीब डेढ़ दर्जन नामी स्टार वाला फिल्मन में से दू गो फिल्म ही मात्र सफल भइल बाटे. ‘द कश्मीर फाइल्स’ पहिला फिल्म बा जवन ऑल टाइम ब्लॉकबस्टर के पोजीशन पवले बा. हालांकि एह फिल्म में कवनो बड़ स्टारकास्ट ना रहल ह, मिथुन चक्रवर्ती आ अनुपम खेर के छोड़ के. ई फिल्म एगो जरूरी फिल्म रहे अउरी कश्मीर में इस्लाम के कट्टरपंथियन के कश्मीरी हिन्दू के पलायन के मर्मांतक पीड़ा पर बनल रहे. ई फिल्म के 14 करोड़ के बजट में बनावल गइल रहे अउरी ग्लोबल बॉक्सऑफिस पर 350 करोड़ के आंकड़ा पार कs गइल. एकरा अलावा कार्तिक आर्यन के ‘भूलभुलैया 2’ अपना पिछला वर्जन के जइसन सुपरहिट हो गइल. ई फिल्म भी 184 करोड़ के कलेक्शन कइले बा.

एतना बड़ स्टार कास्ट के फिल्मन में से मात्र 2 गो फिल्म सफल भइल बाड़ी सन लगभग 6-7 महिना के अवधि में. का कारण हो सकेला? कारण कई गो बा. बॉलीवुड फिल्म जगत के लेके दर्शक में एगो नफरत के माहौल बनल बा. जब 2020 में सुशांत सिंह राजपूत के संदिग्ध परिस्थित में मृत्यु भइल त बड़ बड़ लोग के नाम सामने आइल जे ड्रग्स अउरी दोसरो अनैतिक काम में लिप्त मिलल. एह से जवन ऑडियंस फिल्मी हस्तियन के खूब चाहत रहे, ओकरा आँख से पर्दा हटल. ओकरा लागल कि ई कवनो आदर्श लोग नइखे जइसे फिल्मन में लउकेला लोग. ई त बटले बा, दोसर बात कि दर्शक हिन्दी फिल्मन में लेफ्ट आ लिबरल गैंग के दशको से चलत मनमानी आ बहुसंख्यक हिन्दू समाज के मखौल उड़ावल भी बूझ गइल बा. तीसर बात कि बॉलीवुड बरिसन से साउथ फिल्मन के रीमेक फिल्म बनावे खातिर चर्चा में बा. अउर भी कई गो कारण बा कि हिन्दी फिल्मन के एगो बड़ दर्शक समूह जवन उत्तर से लेके पूरूब, पच्छिम आ दक्षिण ले बा, एकरा से नाराज बा. एह पर फेर कबो विस्तार से।

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी सिनेमा व साहित्य के जानकार हैं.)

Tags: Article in Bhojpuri, Bhojpuri

विज्ञापन

राशिभविष्य

मेष

वृषभ

मिथुन

कर्क

सिंह

कन्या

तुला

वृश्चिक

धनु

मकर

कुंभ

मीन

प्रश्न पूछ सकते हैं या अपनी कुंडली बनवा सकते हैं ।
और भी पढ़ें
विज्ञापन

टॉप स्टोरीज

अधिक पढ़ें

अगली ख़बर