• Home
  • »
  • News
  • »
  • entertainment
  • »
  • Bhojpuri: खिलाड़ी कुमार उर्फ अक्षय कुमार के आज ह जन्मदिन, काल्हे उनका पर टूटल दुख के पहाड़

Bhojpuri: खिलाड़ी कुमार उर्फ अक्षय कुमार के आज ह जन्मदिन, काल्हे उनका पर टूटल दुख के पहाड़

.

.

Happy Birthday Akshay Kumar: हिंदी सिनेमा जगत के खिलाड़ी कुमार कहे जाए वाला एक्टर अक्षय कुमार के आज 54वां जन्मदिन हवे. लेकिन, एह बेर कौनो सेलिब्रेशन ना होई. काहे कि बीतल दिन ही उनके माता के अंतिम संस्कार भईल रहे. उनकर जन्मदिन के मौका पा हमनी के रउरा लोगन के भोजपुरी में उनकर बारे में बतावल जाता. जानीं...

  • News18Hindi
  • Last Updated :
  • Share this:

सभके चहेता अउरी हिन्दी फिल्मन के सुपरस्टार खिलाड़ी कुमार उर्फ अक्षय कुमार के आजे के दिने अमृतसर पंजाब में जन्म भइल रहे. एह बेरी के जन्मदिन अक्षय कुमार खातिर खुशी ना दुख लिआइल बा, काल्ह उनके माई उनके छोड़ के चल गइली. कई दिन से आईसीयू में भर्ती अक्षय के माताजी अरुणा भाटिया के 8 सितंबर के देहांत हो गइल. अक्षय कुमार अपना माई के भक्त रहले हं आ उनकर माई उनका साथही रहत रहली ह.

9 सितंबर 1967 में पैदा भइल अक्षय के बचपने से अभिनेता बने के सपना रहे. उनके पिता हरिओम भाटिया आर्मी में अफसर रहलें. अक्षय के बचपन चाँदनी चौक में गुजरल जहां उ अपना परिवार के साथे रहस. इहाँ के बहुते किस्सा कहानी अक्षय अपना साक्षात्कार में सुनवले भी बाड़ें. उनके असल जीवन से प्रेरित होके ही एगो फिल्म चाँदनी चौक टू चाइना बनल रहे. अक्षय के पिता आर्मी के सर्विस के बाद यूनिसेफ में खजांची बन गइलें. उनके पूरा परिवार मुंबई आके बस गइल. दसवीं अउरी ग्रेजुएशन के पढ़ाई अक्षय मुंबई के माटुंगा से कइलें. हालांकि पढ़ाई में रुचि ना भइला के चलते उ स्नातक पूरा ना कइलें. अपना पिता जी से मार्शल आर्ट के प्रति अपना रुझान के बारे में बतवलें अउरी परिवार के बचत के रुपिया से थाईलैण्ड मार्शल आर्ट सीखे चल गइलें. उहाँ बैंकॉक में उ थाई बॉक्सिंग पाँच साल ले सिखलें अउरी उहाँ गुजारा चलावे खातिर वेटर आ शेफ के काम कइलें. उ पहिलही भारत से ताइक्वांडो में ब्लैक बेल्ट लेके गइल रहलें. जब थाईलैण्ड से मार्शल आर्ट में निपुण होके लवटलें त इहाँ प्रशिक्षण देबे लगलें. बंबई में ही उनके एगो छात्र के पिता जी अक्षय के मॉडलिंग में आपन किस्मत आजमावे के कहलें. उहे कामो दिअवलें. मात्र दू दिन में दू घंटा के शूटिंग के बाद जवन चेक मिलल, ओकर अमाउन्ट देखके अक्षय के हरानी भइल. जेतना उ महिना के कमात रहलें ओकरा से कई गुना अधिक उ दू घंटा में मॉडलिंग करके कमा लेहलें. इहवें से अक्षय के बचपन वाला अभिनेता बने के प्यार उमड़ पड़ल अउरी उ पूरा तरे मॉडलिंग में उतर गइलें.

अक्षय के फ्लाइट छुटल त उ सुपरस्टार बने के उड़ान पर निकल गइलें

एक बार एगो मॉडलिंग प्रोजेक्ट खातिर उनके बंगलोर जाये के रहे. उनका बुझाइल कि फ्लाइट सांझी खां के बा, जबकि उ सबेरे के फ्लाइट रहे. उ अक्षय से छूट गइल. अक्षय सोचलें कि काहें ना आपन पोर्टफोलियो कवनो फिल्म प्रोडक्शन के ऑफिस में देखावल जाव. ओही दिने प्रमोद चक्रवर्ती के ऑफिस में उ गइलें अउरी उनके एगो फिल्म में लीड रोल मिल गइल. फिल्म के नाम रहे दीदार. हालांकि ई फिल्म अगिला साल रिलीज भइल, ओकरा से पहिले उनके फिल्म सौगंध मिलल, जवन 1991 में रिलीज हो गइल. एह तरे सौगंध उनके पहिला फिल्म हो गइल. ओकरा अगिले साल 1992 में अब्बास मस्तान के फिल्म ‘खिलाड़ी’ में उ मुख्य भूमिका कइलें आ सभके चहेता खिलाड़ी कुमार बन गइलें. खिलाड़ी सीरीज के 8 गो फिल्म अब तक बन चुकल बा. साल 1994 में अक्षय कुमार के 11 गो फिलिम रिलीज भइल. एह में से पाँच गो फिल्म बहुते सफल रहल. अक्षय कुमार के प्रसिद्धि दिन पर दिन बढ़त गइल. अक्षय कुमार के बाद के बरिस में फिल्म अइली सन अउरी हिट भी भइली सन. बाकिर उनके शाहरुख खान, सुनील शेट्टी, अजय देवगन, आमिर खान से बहुत तगड़ा टक्कर मिलल. 1999 में उनके फिल्म ‘संघर्ष’ अउरी ‘जानवर’ आइल जवना खातिर अक्षय कुमार के बड़ा तारीफ मिलल. सभे उनका गंभीर अदाकारी के बड़ाई कइल आ ई बात मानल कि अक्षय एक्शन के अलावा सीरियस रोल भी कर सकेलें.

साल 2000 में अक्षय के कॉमेडी वाला रूप लउकल जब उ प्रियदर्शन के फिल्म ‘हेरा फेरी’ में राजू के भूमिका कइलें. ए फिल्म के सीन अभियो बड़ा मशहूर बा अउरी मीम में खूब इस्तेमाल होला. अक्षय फिल्म धड़कन में लउकलें फेर उनके अजनबी में नेगटिव भूमिका रहे. एह भूमिका खातिर उनके फिल्मफेयर अवॉर्ड भी मिलल. एही बीचे अक्षय के एगो खतरनाक स्टंट से भरल फिल्म खिलाड़ी 420 आइल जे में उ हेलिकॉप्टर से लटकलें, दीवार पर कुदलें, हवा में कलाबाजी देखवलें. ई फिल्म जे भी देखल उ बड़ा आश्चर्य चकित भइल. अक्षय के 2000 के बाद के साल में बढ़िया फिल्म अइली सन. 2007 उनके करियर के सबसे सफल साल रहल बा. एह साल उनके चार गो फिल्म लगातार आइल अउरी सुपरहिट रहल.

उनके 30 साल के करियर में अब ले 115 गो फिलिम आ चुकल बा जवना में से 52 गो काफी सफल फिल्म बाड़ी सन. अक्षय कुमार एकलौता हिन्दी अभिनेता बाड़ें जिनके सगरी फिल्मन के कमाई जोड़ल जाव त 30 अरब रुपिया से भी अधिक होला. अक्षय एह बेरा सबसे कमाऊ भारतीय फिल्म अभिनेता हवें अउरी उनका नामे पिछला पाँच-सात साल में सार्थक अउरी सफल फिल्म बनावे के श्रेय भी बाटे. अक्षय कुमार आर्मी के मदद करे अउरी सैनिक के परिवार खातिर कल्याणकारी काम करे खातिर जानल जालें. उ अइसहीं अपना फिल्मन से सभके मनोरंजन करत रहस अउरी समाज खातिर काम करत रहस, इहे कामना बा.

( लेखक मनोज भावुक साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं. )

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.

हमें FacebookTwitter, Instagram और Telegram पर फॉलो करें.

विज्ञापन