• Home
  • »
  • News
  • »
  • entertainment
  • »
  • B’day Spl: 'बेबो' करीना कपूर के घरे हीरोइन बनला के बात पर उनके माई-बाप अलगा हो गइल रहे

B’day Spl: 'बेबो' करीना कपूर के घरे हीरोइन बनला के बात पर उनके माई-बाप अलगा हो गइल रहे

.

.

Happy Birthday Kareena kapoor: हिंदी सिनेमा जगत के 'बेबो' कहावल जाले हीरोइन करीना कपूर (Kareena Kapoor khan) के आज 41वां जन्मदिन ह. उनकर जन्म आजु के दिने 1980 में बंबई में भईल रहे. एक्ट्रेस के जन्मदिन के मौका पs रउआ लोगन के उनकर बारे में कुछ इंटरेस्टिंग बात हमनी के भोजपुरी में बतावल जाता.

  • News18Hindi
  • Last Updated :
  • Share this:

हरदम चर्चा में रहे वाली हिरोइन करीना कपूर के आज जन्मदिन ह. उ आज एकतालीस साल के हो गइली. रउआ हमेशा टीवी, अखबार आ इंटरनेट पर कबो करीना के फैशन के बारे में, कबो उनके कहनाम के बारे में त कबो उनके दुनू लइकन के बारे में भा उनका मरद सैफ अली खान से जुड़ल कुछ ना कुछ आवते रहेला. करीना के ऊपर जेतना न्यूज उनका फिलिम के लेके ना बनेला ओतना त उनका निजी अउरी रोजमर्रा के जीवन पर बन जाला. करीना कपूर के एह साल में कवनो फिलिम नइखे आइल बाकिर उ कबो स्पाटलाइट से बाहर ना जाली. हो सकेला कि कोरोना के मार कम होखो त उनके अउरी आमिर खान के बहुप्रतीक्षित फिल्म ‘लाल सिंह चड्ढा’ रिलीज होई. ई फिलिम अंग्रेजी के कल्ट क्लासिक मानल जावे वाला फिलिम फॉरेस्ट गम्प के हिन्दी रीमेक ह.

21 सितंबर 1980 के मुंबई में जनमल करीना 90 के दशक के लोकप्रिय हीरोइन करिश्मा कपूर के छोट बहिन हई. करीना हिन्दी सिनेमा के ऐतिहासिक कपूर खानदान से बाड़ी आ राज कपूर के पोती हई. करीना के माई बबीता 60 आ 70 के दशक में चर्चित अउरी सफल अभिनेत्री रहली. उनके पिता रणधीर कपूर भी ओही समय के हीरो रहलें आ कुछ साल के करियर में कई गो सफल फिल्म देहलें. करीना के पढ़ाई त देहरादून अउरी बंबई से भइल बाकिर उ आपन ग्रेजुएशन के पढ़ाई बीच में छोड़ देहली. कुछ दिन उ कानून के पढ़ाई भी पढ़ली बाकिर बीच में उहो छोड़ देहली. एकरा बाद उ पढ़े पर फेर ध्यान ना देहली आ अभिनय में चल अइली. उनका परिवार में जब बड़ बेटी करिश्मा के हिरोइन बने के बात आइल त रणधीर कपूर अउरी बबीता में विवाद हो गइल. रणधीर ना चाहत रहलें कि कपूर परिवार के कवनो लड़की हिरोइन बनो बाकिर बबीता अपना बेटी के अभिनय करे के सपना पूरा करे के चाहत रहली. बोल ठाल एतना बढ़ल कि दुनू जाना अलग हो गइल लोग. हालांकि कई बरिस बाद दुनू बेटियन के पहल पर दुनू जाना 2007 में एक साथे हो गइल लोग.

आपन डैब्यू फिलिम ‘कहो ना प्यार है’ के बीचे में छोड़ देहली

करीना नरगिस अउरी मीना कुमारी के बड़हन फैन हई. उ ओ लोग के फिल्मन के देख के बहुते प्रभावित रहल बाड़ी. करीना जब किशोर नमित कपूर ऐक्टिंग स्कूल में ट्रेनिंग लेत रहली तबे उनके रितिक रोशन के साथे फिल्म मिल गइल. साल 2000 में रितिक के पिता राकेश रोशन अपना बेटा के लॉन्च करे खातिर ‘कहो ना प्यार है’ बनावत रहलें. करीना के तरे रितिक भी ओही स्कूल से ट्रेनिंग लेहले रहलें. फिलिम के शूटिंग चालू भइला के कुछ दिन बाद जब करीना कपूर के लागल कि एह फिल्म में ढेर रोल त खाली हीरो के बा त उ बीच में शूटिंग छोड़ देली. हालांकि ई बड़ा हिम्मत के काम होला, चलत फिल्म छोड़ल; उहो तब जब ई पहिला फिलिम होखे. बाकिर करीना भी कपूर खानदान से रहली. कुछ दिन बादे ओही साल उनके जेपी दत्ता के फिल्म ‘रिफ़्यूजी’ मिल गइल. ई फिल्म से अमिताभ बच्चन के बेटा अभिषेक बच्चन भी डैब्यू कइलें. बाकिर करीना अपना सीधा सादा अदायगी के चलते सगरो लाइमलाइट लूट लेहली आ उनके फिल्मफेयर के बेस्ट डैब्यू हिरोइन के अवॉर्ड मिलल.

एकरा अगिला साले उनके दू तीन गो फिल्म जइसे मुझे कुछ कहना है, यादें अउरी अजबनी आइल. फेर आइल शाहरुख खान के साथे पीरियड ड्रामा फिल्म अशोका. संतोष सिवन के ई फिल्म बहुते चर्चित भइल अउरी बॉक्स ऑफिस पर भी सफल रहल. एह में करीना के भी बड़ा तारीफ भइल. 2001 में करीना के एगो बड़ सफलता मिलल जब उ करण जौहर के ऑलटाइम हिट पारिवारिक फिल्म ‘कभी खुशी कभी ग़म’ में स्टाइलिश लइकी पूजा उर्फ पू के किरदार मिलल. ई रोल ध्यान खींचे वाला रहे आ एही के चलते सभके नजर करीना पर पड़ल. फिल्म में सभे बड़ कलाकार रहे, जइसे – अमिताभ बच्चन, जया बच्चन, शाहरुख खान, काजोल आ नवोदित रितिक रोशन.

एह फिल्म के बाद करीना के लगातार एके लेखां रोल मिले लागल आ उ करे लगली. इहे कारण रहे कि उनके छौ गो फिलिम लगातार फ्लॉप भइल. तब करीना के होश आइल अउरी उ एकरा से सबक लेके मेहनत करके कुछ नया करे के कोशिश करे लगली. 2004 में सुधीर मिश्रा फिल्म चमेली में टाइटल रोल खातिर करीना से मिललें, उ दूसरा बेर में हाँ कहली आ ई फिल्म उनके अंदर के कलाकार के सबके सामने लिआइल. एह फिलिम में उ एगो अच्छा दिल के वेश्या के भूमिका कइले रहली. एही साल उनके दंगा के ऊपर बनल फिल्म देव आइल जे में इनके किरदार के बड़ा तारीफ भइल. फेर विशाल भारद्वाज के फिल्म ओमकारा में करीना कपूर के संजीदा अभिनय के सभे लोग पसंद कइल.

लगभग 21 साल से हिन्दी फिल्म उद्योग में सक्रिय करीना 60 गो से ऊपर फिलिम कइले बाड़ी. जे में उनके बढ़िया अभिनय अउरी सफलता के नजरिया से शाहिद कपूर के साथे जब वी मेट, सैफ अली खान के साथे कुर्बान, आमिर खान के साथे तलाश, थ्री इडियट्स, सलमान खान के साथे बॉडीगार्ड, बजरंगी भाईजान, अक्षय कुमार के साथे गुड न्यूज आ दिलजीत दोसांझ के साथे उड़ता पंजाब बा.

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)

पढ़ें Hindi News ऑनलाइन और देखें Live TV News18 हिंदी की वेबसाइट पर. जानिए देश-विदेश और अपने प्रदेश, बॉलीवुड, खेल जगत, बिज़नेस से जुड़ी News in Hindi.

हमें FacebookTwitter, Instagram और Telegram पर फॉलो करें.

विज्ञापन
विज्ञापन

विज्ञापन

टॉप स्टोरीज