Home /News /entertainment /

Helen Birthday: डांसिंग दीवा के नाम से फेमस हेलेन अइली रंगून से भारत, मचवली फिल्मन में धूम

Helen Birthday: डांसिंग दीवा के नाम से फेमस हेलेन अइली रंगून से भारत, मचवली फिल्मन में धूम

.

.

Happy Birthday Helen: हेलेन फिल्म इंडस्ट्री में 1951 से लेके 2021 माने एह साल ले काम कर रहल बाड़ी. उ लगभग 700 से ज्यादा फिल्म में काम कइले बाड़ी. कहे के माने 70 साल हो गइल हेलेन के फिल्मन में काम करत. 21 अक्टूबर के जनमल हेलेन भोजपुरी के पहिला फिल्म ‘गंगा मइया तोहे पियरी चढ़इबो’ के गीत ‘हम त खेलत रहली अम्मा जी के गोदिया’ में भी नृत्य कइली.

अधिक पढ़ें ...

‘महबूबा – महबूबा, गुलशन में गुल खिलते हैं, जब सेहरा में मिलते हैं, मैं और तू…’ या ‘मोनिका, ओ माई डार्लिंग’ – एह गीतन के यादगार के बनावल? गीतकार, संगीतकार आ गायक के मेहनत त रहबे कइल बाकिर एकर सबसे बड़ श्रेय जाला एह गीत पर आपन बलखात कमर अउरी मोहक अदा से समा बान्हे वाली हेलेन के. हेलेन के डांस आ भाव भंगिमा के अइसन जादू रहे कि उ 50 से लेके 80 के दशक ले लगातार आपन फनकारी देखवली आ दर्शक उनके खूब पसंद कइलें.

एह साल हेलेन 83 बरिस के हो गईलीं. उनके जन्म रंगून (तब ब्रिटिश बर्मा) में 21 अक्टूबर 1938 के भइल. उनके पूरा नाम हेलेन एन रिचर्डसन ह. उनके पिता एंग्लो इंडियन रहलें आ माई बर्मा से. हेलेन के पिता के नाम जॉर्ज डेसमिर अउरी माई के नाम मारलेन रहे. हेलेन के जन्म के अगिले साल पूरा विश्व में आतंक के साया पसर गइल, विश्व युद्ध द्वितीय चालू हो गइल. 1939 से 1945 तक चलल एह युद्ध में हेलेन अपना पिता जी के खो देहली. हेलेन के परिवार में उनके माई, एगो भाई रोजर अउरी एगो बहिन जेनिफर बचल लोग. बर्मा पर तब जापान के कब्जा होखे वाला रहे. ई लोग उहाँ से आपन जान बचा के भागे के सोचल लोग अउरी भाग के भारत बॉर्डर में घूस आइल लोग. उ लोग 1943 में असम के डिब्रूगढ़ में चल आइल लोग आ इहाँ शरण लिहल लोग.

बैकग्राउंड डान्सर बन के शुरुआत करे वाली हेलेन सबके आँखन के चमकत तारा बन गइली बाकिर ई सफर आसान ना रहे. हेलेन एक बार साक्षात्कार में अपना परिवार के संघर्ष कथा बतवले रहली, हालांकि उ कपिल शर्मा शो में भी एकर कुछ जिक्र कइले रहली. उ, उनके परिवार आ कुछ लोगन के समूह जंगल – पहाड़ अउरी खतरनाक चढ़ाई में चढ़त आ आपन जान बचत बचावत भारत में आइल. रास्ता में सैकड़ों गाँव मिलल, उहाँ के लोग एह समूह के मदद कइल, खाए पिए के दिहल काहें कि एह लोग के लगे कुछ ना बाँचल रहे. फेर ब्रिटिश सिपाही जब रास्ता में भेंटा सन त उहो बड़ा मदद कइलें कुल, एक जगह से दुसरा जगह जाये में. तब हेलेन नान्ह रहली, लगभग 5 साल के. हेलेन आगे बतवली कि उनके समूह के कुछ लोग बेमार पड़ गइल, कुछ लोग मर गइल आ पीछे छूट गइल, धीरे – धीरे संख्या आधा हो गइल. जब ई लोग डिब्रूगढ़ आइल त इहाँ अस्पताल में दू महिना ले भर्ती रहल. उनके माई के बीच में मिसकैरेज भी हो गइल. हेलेन के भाई रोजर के चेचक हो गइल. जब उनके परिवार उहाँ से कलकत्ता आइल त उनके भाई के भी मृत्यु हो गइल.

हेलेन के माई इहाँ नर्स के नौकरी कर लेहली आ परिवार के पाले पोसे लगली. हेलेन के परिवार बंबई में रहे अउरी हेलेन नृत्य में प्रशिक्षण लेबे लगली. उनके एगो सहेली अउरी हिन्दी फिल्मन में अभिनेत्री कूकू उनके ग्रुप डांस में काम दिअवली. फिल्म आवारा में आ अलिफ़ लैला में उ बैकग्राउंड डान्सर बनली. ई बात ह 1951 से 54 के बीच के. फेर उनके बड़ काम मिले में टाइम लागल. उनके फिल्म हावड़ा ब्रिज में गीत ‘मेरा नाम चिन, चिन, चू’ में मुख्य डान्सर बने के मौका मिलल. ई फिल्म सुपरहिट भइल अउरी ई गाना सदाबहार बन गइल आजुओ एकरा के लोग सुनेला आ गुनगुनाला. हेलेन के लगे काम के बड़ बड़ ऑफर आवे लागल. एह गीत के गावे वाली गीता दत्त फेर हेलेन खातिर कई गो गाना गवली. फेर बाद में जब आशा भोसले आपन करियर स्थापित करे खातिर संघर्ष करत रहली त उ हेलेन खातिर ही गाना गा के खूब सफल भइली, पिया तू अब तो आजा, उनके हेलेन खातिर गावल एगो सुपरहिट गीत ह.

हेलेन के शम्मी कपूर के फिल्मन में बहुते काम आ नाम मिलल. उ उनका फिल्मन में आइटम डान्सर भा वैम्प के भी रोल कइली अउरी कुछ संवेदनशील किरदार भी. फिल्म चाइना टाउन, छोटे सरकार, सच्चाई, जंगली, तीसरी मंजिल जइसन हिट फिल्मन में हेलेन के काम के भी सराहल गइल। शम्मी कपूर के साथे उनके कुछ सुपरहिट डांस नंबर भी आइल जइसे ‘ओ हसीना जुल्फोंवाली, सुकु सुकु, यम्मा यम्मा है खूबसूरत समा आदि.

हेलेन फिल्म इंडस्ट्री में अइला के कुछ साल बाद ही 1957 में फिल्म निर्देशक प्रेम नारायण अरोड़ा से बियाह कर लेहली जे उनसे 27 साल बड़ रहलें. ई शादी 14 साल चलल अउरी फेर तलाक हो गइल. हेलेन एक बार कहले रहली कि फिल्म इंडस्ट्री में लोग अक्सर उनके फायदा उठावे के सोचल भा काम के बदले शोषण करे के कोशिश कइलस. प्रसिद्ध फिल्म लेखक सलीम खान ही अइसन रहलें जे उनके मदद भी कइलें आ बिना कवनो चाहत के. एही के चलते सलीम खान पर उनके दिल आ गइल आ दुनू जाना कई साल तक एक दुसरा से संपर्क में रहल लोग. फेर बाद में शादी कर लिहल लोग. सलीम के पहिले से बियाह रहे अउरी उनके पत्नी आ तीन गो बेटा भी रहलें. सलमान खान तब 15 साल के रहलें. खुद सलीम तब 45 अउरी हेलेन 42 के रहली. बहुत मुश्किल भइल हेलेन के ओ परिवार में आपन जगह बनावे में. बाकिर आजुओ लोग ओ परिवार के जोड़े राखे में हेलेन के ही सबसे ढेर श्रेय देला. काहें कि हेलेन के विनम्र अउरी स्नेह वाला स्वभाव पूरा परिवार के दिल में जगह बना लेहलस.

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं)

Tags: Bhojpuri News, Bollywood actress

विज्ञापन

राशिभविष्य

मेष

वृषभ

मिथुन

कर्क

सिंह

कन्या

तुला

वृश्चिक

धनु

मकर

कुंभ

मीन

प्रश्न पूछ सकते हैं या अपनी कुंडली बनवा सकते हैं ।
और भी पढ़ें
विज्ञापन

टॉप स्टोरीज

अधिक पढ़ें

अगली ख़बर