Home /News /entertainment /

Bhojpuri: लरकोर भइली प्रियंका चोपड़ा, सरोगेसी से भइल ई संतान लइका ह कि लइकी, सभे जाने चाहsता

Bhojpuri: लरकोर भइली प्रियंका चोपड़ा, सरोगेसी से भइल ई संतान लइका ह कि लइकी, सभे जाने चाहsता

.

.

काल्ह से देसी विदेसी मीडिया एह बात के खूब चर्चा कर रहल बा कि एगो सफल अंतरराष्ट्रीय अभिनेत्री प्रियंका चोपड़ा अउरी हॉलीवुड पॉप स्टार आ अभिनेता निक जोनास के घरे किलकारी गूँजल बा. चारों ओर से बधाई के तांता लागल बा. सोशल मीडिया अउरी फोन काल्स भा दोसरा माध्यम से एह प्रसिद्ध दंपति के शुभकामना संदेश मिल रहल बा. बाकिर जवन टर्म सरोगेसी फेर चर्चा में आइल बा, ओ पर भी लोग बात कर रहल बा. प्रियंका के जइसन अउर भी कई गो हॉलीवुड आ बॉलीवुड स्टार सरोगेसी के सहारे संतान सुख पवले बाड़ें.

अधिक पढ़ें ...

प्रियंका चोपड़ा अक्सर मीडिया के सुर्खी में रहेली. उनके सोशल मीडिया पर अपडेट भइल फोटो भी न्यूज के हेडलाइंस बन जाला. उनके एक एक हरकत पर न्यूज पोर्टल आ शो बिजनेस के पत्रकारन के नजर रहेला. अबे कुछ दिन पहिले प्रियंका चोपड़ा शादी के बाद बदलल आपन नाम प्रियंका चोपड़ा जोनास के दुबारा बदल देहली. उ प्रियंका चोपड़ा कर लेहली. ई एने अइसन कइली कि ओने मीडिया में होड़ मच गइल कि सोशल हैन्डल पर प्रियंका आपन नाम से जोनस हटा देहले बाड़ी, आ एह खबर के सबसे पहिले के छापी. एकरा साथे ही लोग के एक्सपर्ट एड्वाइज भी आवे लागल कि लागत बा प्रियंका निक जोनास से रिश्ता तूरे वाला बाड़ी. कुछ न्यूज वाला त एतना आगे चल गइलें कि दुनू जाना के दूर होखे के डेट्स भी बतावे लगलें. कहे के माने कि जवन असल में होत नइखे आ होखे वाला नइखे, ओहू के रिपोर्ट करे लगलें.

चलीं, प्रियंका चोपड़ा अउरी निक जोनस एह अफवाह के जलदिए विराम दे दिहल लोग अउरी एगो नया फोटो साथ में पोस्ट कर दिहल लोग. तब सभके बुझाइल कि अरे दादा, ई नाम बदलाव के मोटिव तलाक ना रहल ह, ई त कवनो दोसरा कारण से भइल रहल ह. फेर प्रियंका कुछ दिन पहिले कहली कि उ सरोगेसी से लइका होखावे वाला बाड़ी. बस ई खबर आइल कि फेर चारु ओर संभावना के अंबार खड़ा होखे लागल. सोशल मीडिया के दौर में यूट्यूब, इंस्टाग्राम, फेसबुक चैनल बना के उग आइल असंख्य भविष्यवक्ता, टैरो कार्ड रीडर लोग लागल आपन वीडियो बनावे कि प्रियंका अउरी निक जोनस के लग्न पत्रिका के हिसाब बेटी होई. केहू कहे लागल कि बेटा होई. ई सब देखे सुने वाला आम आदमी बहुत कन्फ्यूज़ हो गइल.

खैर, अब प्रियंका चोपड़ा के संतान हो गइल बा अउरी अब ई कयास लगावल जा रहल बा कि उनके संतान लइका ह कि लइकी. सभे आपना आपना हिसाब से संभावना जता रहल बा. भविष्यवक्ता लोग भी कुछ ना कुछ कहिए रहल बा. उनका सोशल मीडिया पोस्ट पर बधाई के लाइन लागल बा. बॉलीवुड से लेके हॉलीवुड के बड़ बड़ नाम उनका के बधाई दे रहल बा. हालांकि अइसन बुझा रहल बा कि ई संतान बेटी हिया. जइसे नामचीन लोग के रिएक्शन बा, ओ हिसाब से प्रियंका के बेटी भइल बिया. बाकिर अब त ई कुछ दिन में स्पष्ट भी हो जाई कि बेटी ह कि बेटा. बाकिर उनके अउरी विश्वप्रसिद्ध गायक निक जोनस के प्रशंसक बहुत खुश बा लो, जइसे ओही लो के घरे कवनो संतान जनम लेहले होखे.

कई गो बॉलीवुड हॉलीवुड स्टार सरोगेसी से लइका होखवले बाड़ें

प्रियंका सरोगेसी से लइका होखवले बाड़ी. सरोगेसी से साधारणतया किराया के कोख के नाम से जानल जाला. भारत में ई एगो व्यवसाय के जइसन बा. भारत के अलावा बांग्लादेश, पाकिस्तान में भी किराया के कोख देबे वाली हजारों महिला बाड़ी. हालांकि सरोगेसी के अधिकतर कस्टमर सात समुन्दर पार वाला बाड़ें. अक्सर विदेशी लोग बिना गर्भधारण से लेके प्रसूति के दर्द झेलले आपन खून से बनल संतान चाहेला भा कवनो मेडिकल कारण के चलते माई – बाप ना बन पावेला त सरोगेसी के मदद लेला. सरोगेसी के दू गो तरीका होला.

पहिला ट्रडिशनल सरोगेसी में दंपति के पुरुष साथी के शुक्राणु से किराया के कोख देबे वाली महिला (सरोगेट मदर) के अंडाणु से मिलान करावल जाला, फेर निषेचण के क्रिया होला. एह में सरोगेट मदर ही संतान के जैविक माँ होखेले. बाकिर सरोगेसी अग्रीमेंट के तहत उ ई संतान पैदा होते एकर लाभुक दंपति के सौंप देले. एकरा बदले ओकरा के तय राशि मिलेला.

दोसर होला जेसटेशनल सरोगेसी. एह में दंपति के पुरुष साथी के शुक्राणु से, स्त्री साथी के अंडाणु के मिलान टेस्ट ट्यूब में करावल जाला. जब निषेचण के क्रिया प्रारंभ हो जाला त ओकरा के सरोगेट मदर के गर्भाशय में प्रत्यारोपित कर दिहल जाला. ताकि ओ भ्रूण के प्राकृतिक विकास हो सके अउरी संतान प्राप्ति हो जाव. एह में लाभुक दंपति ही जैविक माँ बाप होलें अउरी सरोगेट मदर खाली ओकरा के अपना कोख में पालेले. भारत में अक्सर गरीब महिला किराया के कोख देली, एही से ओकरा साथे कवनो धोखाधड़ी ना होखे, भारत सरकार एक कानून बनवले बा. अब व्यावसायिक सरोगेसी पर 2019 से रोक लाग गइल बा. केहू मदद करे खातिर भले सरोगेसी कर सकेला, रुपया खातिर ना.

एही विषय पर पिछला साल पंकज त्रिपाठी, कीर्ति सैनन के फिल्म ‘मिमी’ आइल रहे जवन बहुत हिट भइल. ओ में सरोगेसी के समय होखे वाला धोखाधड़ी पर फिल्म बनावल गइल रहे. हालांकि 2001 में एही तरे के विषय पर एगो फिल्म ‘चोरी चोरी चुपके चुपके’ आ चुकल बा. एह में सलमान खान, रानी मुखर्जी अउरी प्रीति जिंटा रहे लोग. एह में प्रीति जिंटा के किरदार सलमान के किरदार के बच्चा अपना कोख में राखत बाड़ी अउर जब उ पैदा हो जात बा त ओकरा के दंपति के लौटावे के बदले आपना लगे रख लेत बाड़ी, काहें कि उनका मन में ममता जाग जात बा.

प्रियंका के जइसन बॉलीवुड स्टार आमिर खान, शाहरुख खान, करण जौहर, तुषार कपूर, एकता कपूर भी सरोगेसी के मदद से संतान प्राप्ति कर चुकल बा लोग.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)

Tags: Bhojpuri News, Priyanka Chopra

विज्ञापन
विज्ञापन

राशिभविष्य

मेष

वृषभ

मिथुन

कर्क

सिंह

कन्या

तुला

वृश्चिक

धनु

मकर

कुंभ

मीन

प्रश्न पूछ सकते हैं या अपनी कुंडली बनवा सकते हैं ।
और भी पढ़ें
विज्ञापन

टॉप स्टोरीज

अधिक पढ़ें

अगली ख़बर